देश दुनिया के खबर, बियफे 25 अगस्त का दिने

by | Aug 25, 2011 | 0 comments

देश

  • संसद एक सुर से अन्ना के अनशन तूड़े के अपील कइलसि. स्पीकर मीरा कुमार खुद खड़ा होके अपील कइली. अब टीम अन्ना के बइठक अढ़ाई बजे से.
  • मनीष तिवारी अन्ना हजारे से “अगर” लगावत माफी मँगले. अगर ठेस लागल बा त.
  • अन्ना समर्थकन के साँझ पाँच बजे दिल्ली में प्रधानमंत्री आवास का सामने बिटोराए के गोहार लगवले अरविन्द केजरीवाल.
  • राहुल गाँधी एह मुद्दा पर या त कुछ सोचत नइखन भा बोलल नइखन चाहत. आजु ऊ पत्रकारन के सवाल अनसुनी करत संसद से बाहर निकल गइलन.
  • भारतीय विज्ञान कांग्रेस के 99वां सम्मेलन विज्ञान का क्षेत्र में औरतन के भूमिका पर केंद्रित रही. एकर जनवरी में भुवनेश्वर में कइल जाई.
  • अन्ना हजारे के अनशन टूटला का बादो रामलीला मैदान में आन्दोलन जारी राखे के अनुमति मांगत बिया टीम अन्ना.
  • वोट खातिर नोट मामिला में अमर सिंह के छह सितम्बर के अदालत में पेश होखे के समन जारी भइल.
  • भाजपा अन्ना के जन लोकपाल का पक्ष में, बाकिर कुछ प्रावधान पर असहमतिओ बा. कहले अरुण जेटली.
  • बतावल जात बा कि संसद में अब तक के सगरी लोकपाल विधेयकन पर चरचा हो सकेला.
  • सरकार से लिखित आश्वासन का इंतजार में बावे टीम अन्ना.
  • अन्ना आपन अनशन तब तूड़ीहें जब संसद में बिल पर चरचा शुरु हो जाई. अइसन कहल जात बा.
  • सरकार फेर अन्ना का सोझा नवे का तइयारी में. काल्हु संसद में जन लोकपाल पर चरचा हो सकेला.
  • कांग्रेस संसद में लोकपाल विधेयक पेश करे के श्रेय लेत बियफे का दिने कहलसि कि ई ऊ कवनो भा केहू के दबाव में नइखे कइले बलुक अपने दिहल वादा के पूरा कइले बिया.
  • भाकपा नेता डी. राजा बियफे का दिने कहले कि श्रीलंका में तमिल जनसंहार से जुड़े मामिला के बहुत अहम मौकन पर अंतर्राष्ट्रीय मंच पर ना उठाके भारत सरकार तमिलन से धोखा कइलसि.
  • 10 दिन से अनशन पर बइठल अन्ना हजारे के स्वास्थ्य के निगरानी करे वाला मशहूर डॉक्टर नरेश त्रेहन आजु बियफे के साँझ बतवलन कि अन्ना के वजन में छह किलो घटल बा.
  • इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय तिब्बत के आध्यात्मिक नेता दलाई लामा के डॉक्टर ऑफ लेटर्स (डी-लिट) के मानद उपाधि से सम्मानित करी.
  • केंद्रीय विज्ञान अउर प्रौद्योगिकी मंत्री विलासराव देशमुख बतवले कि सरकार लोकपाल विधेयक पर अन्ना हजारे पक्ष के तीनो मांग माने ला तइयार हो गइल बिया.
  • राष्ट्रीय राजमार्गन के मरम्मती खातिर केंद्रीय वित्त मंत्रालय 2004-05 से जरूरत से कम राशि जारी करत आइल बा. ई बाति केंद्रीय सड़क परिवहन आ राजमार्ग राज्य मंत्री जितिन प्रसाद राज्य सभा में एगो सवाल के लिखित जवाब में बतवले बाड़न.
  • आंध्र प्रदेश में सत्तारूढ़ कांग्रेस कहलसि कि यदि वाईएसआर कांग्रेस प्रमुख वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी के वफादार 29 विधायकन के इस्तीफा सकार लिहल जात बा त ऊ उपचुनाव ला तइयार बिया.
  • भ्रष्टाचार मामले में येदियुरप्पा के याचिका कर्नाटक उच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि.
  • कर्नाटक के लोकायुक्त रहल आ टीम अन्ना के सदस्य एन. संतोष हेगड़े बियफे का दिने अन्ना हजारे से आपन अनशन तूड़े के निहोरा कइले. कहलन कि अन्ना आपन आंदोलन जारी राख सकेले.
  • दिल्ली के लोक नायक जयप्रकाश अस्पताल के वरिष्ठ डॉक्टरन के अन्ना हजारे के कवनो बेरा अपना हियाँ भरती करे खातिर तइयार रहे के कहल गइल बा. अन्ना हजारे के तबियत स्थिर बाकिर चिंताजनक बतावल जात बा.
  • आजु प्रधानमंत्री आवास के बाहर प्रदर्शन करत 50 गो अन्ना समर्थकन के हिरासत में ले लिहल गइल. प्रदर्शन रोके खातिर प्रधानमंत्री आवास के निकट के चार गो स्टेशन से आ ओहिजा खातिर मेट्रो के सेवा रोक दिहल गइल बा.
  • भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन गडकरी अन्ना हजारे के चिट्ठी लिख के अपना पार्टी के समर्थन बतवले बाड़े आ अन्ना के स्वास्थ्य पर चिन्ता.
  • देश के सालाना खाद्य महंगाई दर 13 अगस्त के बीतल हफ्ता में बढ़के 9.80 प्रतिशत हो गइल बा. केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी एह पर सरकार के चिंता जतवले बाड़े.
  • वोट खातिर नोट मामिला में अमर सिंह समेत चार जने के दिल्ली के एगो अदालत का तरफ से समन भेजल गइल बा कि ऊ लोग छह सितम्बर के कोर्ट में हाजिर रहे.
  • जम्मू कश्मीर के श्रीनगर में बियफे का दिने आतंकवादियों के हमला में पांच आदमी घवाहिल हो गइले. हमला सेना के बंकर के निशाना बना के भइल रहे.
  • छत्तीसगढ़ में छापा मार के एगो सुपरीटेंडिंग इंजीनियर के ठिकाना से पांच करोड़ के सम्पत्ति जब्त कइल गइल बा.
  • ‘सरकार जन लोकपाल सहित सगरी विधेयकन पर चर्चा ला तइयार’ प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह लोकसभा में कहले. कहलन कबो भ्रष्टाचार के अनदेखी ना कइलन.
  • तमिलनाडु के पूर्व परिवहन मंत्री आ डीएमके नेता के. एन. नेहरु जमीन हथियावे का आरोप में गिरफ्तार भइले.
  • अन्ना हजारे बियफे का दिने रामलीला मैदान में कहलन कि उनुकर तबियत एकदम ठीक बा आ जबले जन लोकपाल विधेयक पारित नइखे हो जात तबले ऊ मरीहें ना.
  • अरविंद केजरीवाल आरोप लगवलन कि वरिष्ठ मंत्री कपिल सिब्बल आ पी. चिदम्बरम का चलते सरकार आ टीम अन्ना के बातचीत फेल हो गइल.
  • किरण बेदी सरकार के रवैया से नाराजगी जतावत कहले बाड़ी कि बतिया के पलट जाए वालन से बतियववला से का फायदा ?
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में गरीब गुर्दा मरीजन के जय प्रकाश चिकित्सालय में मुफ्त डायलिसिस सुविधा दिहल जाई.

दुनिया

  • लीबिया में अपहृत इटली के चारों पत्रकार रिहा करा लिहल गइल. ओह लोग के त्रिपोली के एगो फ्लैट में राखल रहे.
  • लीबिया संकट : नाटो के मदद ले के गद्दाफी के खोजल जात बा.
  • पाकिस्तान के लाहौर शहर से अगवा अमेरिकी नागरिक वॉरेन वेंस्टीन के बियफे का दिने छोड़ा लिहल गइल.
  • पाकिस्तान के हिंसाग्रस्त कराची शहर के हालात के जायजा लेबे खातिर पाकिस्तानी सेना प्रमुख जनरल अशफाक परवेज कयानी कराची चहुँपलन.
  • लीबिया का त्रिपोली में इटली के 4 गो पत्रकारने के बंधक बनावल गइल.
  • पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वा प्रांत के घाटी में बियफे सबेरे आइल बाढ़ में कम से कम 33 लोग के मौत हो गइल.

व्यापार व्यवसाय

  • लमहर बीमारी का बाद स्टीव जॉब्स एप्पल के सीईओ पद से इस्तीफा दिहले. बाकिर ऊ एकर अध्यक्ष बनल रहीहें.
  • देश में एह घरी 3,138 विदेशी कम्पनी काम करत बाड़ी सँ आ एहमें से आधा त अकेले दिल्लीये में बाड़ी सँ.
  • भारतीय रिजर्व बैंक बियफे का दिने कहलसि कि ऊंच महंगाई दर के ‘नया समान्य’ स्तर समुझल खतरनाक होखी.
  • भारतीय दूरसंचार विनियामक प्राधिकरण बियफे का दिने बतवलसि कि ऊ दूरसंचार कम्पनियन से हाल में बढ़ावल कॉल दर का बारे में जबाब मँगले बावे.
  • शेयर बाजार में गिरावट के दौर आजुओ जारी रहल आ सेंसेक्स 139 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • नोकिया चैम्पियंस ट्वेंटी-20 लीग-2011 खातिर टिकटन के बिक्री आजु बियफे से शुरू हो गइल.

मनोरंजन

  • भोजपुरी कलाकार मनोज तिवारी आजु रामलीला मैदान में अन्ना के मंच पर अइले.
  • अभिनेता अर्जुन रामपाल के रेस्तरां-बार देश में पहिला बेर आयोजित होखे जा रहल फार्मूला वन रेस के आयोजन से जुड़ल सगरी पार्टियन के मेजबानी करी.

खेल

  • अभ्यासो मैच में ना चल पवले सचिन.
  • भारतीय फुटबाल टीम के कप्तान रहल बाइचुंग भूटिया के कहना बा कि उनुका मन में राष्ट्रीय टीम के अपना पूर्व कोच सैयद नइमुद्दीन खातिर कवनो तरह के खराब विचार नइखे.
  • भारत के पुरुष स्क्वॉश टीम पाडेरबोर्न, जर्मनी में होत विश्व स्क्वॉश चैम्पियनशिप के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बिया. बुध का दिने ऊ प्री-क्वार्टर फाइनल मुकाबिला में डेनमार्क के हरा दिहलसि.
  • मेरिलेबोन क्रिकेट क्लब (एमसीसी) के मुख्य कार्यकारी अधिकारी कीथ ब्रैडशॉ बुध का दिने इस्तीफा दे दिहले. एकरा के लोग चउँकावे वाला फैसला बतावत बा.
  • दोस्ताना फुटबाल मुकाबिला में गुयाना भारत के 1-2 से हरा दिहलसि. हाफ टाइम ले दुनु टीम 1-1 का बराबरी पर रहली सँ.
  • मौजूदा चैम्पियन हिंदुस्तान फुटबाल क्लब डीएलएफ डीएसए सीनियर डिवीजन लीग-2011 के अपना आखिरी लीग मैच में शाहदरा एफसी के 1-0 से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up