देश दुनिया के खबर

by | Sep 7, 2011 | 0 comments

(बुध 7 सितम्बर)
देश

  • आजु बुध के रात में दिल्ली समेत पूरा उत्तर भारत में भयंकर भूकंप आइल. करीब रात साढ़े एगारह बजे के आसपास कई जगह से भूकंप के झटका महसूस होखे के खबर आवे लागल. झटका करीब तीन से पन्द्रह सेकेण्ड ले रहे के चरचा बा. रिचर स्केल पर एह भूकंप के तीव्रता ६.६ बतावल जात बा जवन भूकंप के भयावहता बतावत बा. अबही लिखत घरी ले कहीं से कवनो जान माल के नुकसान के खबर नइखे आइल. दिल्ली में लोग अपना अपना घर से बाहर भाग निकलल. राममनोहर लोहिया अस्पताल में लोग समुझल कि फेर कवनो बम फाट गइल.
  • बांगलादेश से लवटते प्रधानमंत्री सीधे राममनोहर लोहिया अस्पताल जा के घवाहिलन से मिललन.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह संसद के कार्यवाही में बार-बार बाधा अवला के ‘राष्ट्रीय क्षति’ करार दिहले.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय के सामने बुध के भइल विस्फोट का सिलसिले में बतियावे खातिर दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम से भेंट कइली.
  • दिल्ली के उपराज्यपाल तेजेंद्र खन्ना कहलन कि विस्फोट गम्भीर आ चिंताजनक बात बा. एह घटना आ सुरक्षा इंतजाम में भइल चूक के जांच कइल जाई.
  • केंद्रीय गृह राज्य मंत्री एम. रामचंद्रन ने बतवले कि मई महीना में भइल दिल्ली उच्च न्यायालय के बाहर बम विस्फोट मामिला में अबले कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल.
  • गुजरात उच्च न्यायालय बुध का दिने न्यायालय के महापंजीयक, मुख्य न्यायाधीश के व्यक्तिगत सचिव आ लोकायुक्त आर. ए. मेहता के नोटिस जारी कर के लोकपाल के नियुक्ति पर आपन राय साफ करे के कहले बा. साथही राज्य सरकार से पूछले बा कि मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के प्रधानमंत्री मनमोहन सिह खातिर लिखल चिट्ठी मीडिया ले कइसे चहुँपल ?
  • तेलंगाना राज्य के मुद्दा पर तेलुगू देशम के 4 गो विधायक पार्टी छोड़ दिहले.
  • दिल्ली विस्फोटन के चौतरफा निंदा भइल बा आ दुनिया के कई देश कहले कि आतंकवाद के खिलाफ लड़ाई में ऊ भारत का साथ बाड़े.
  • अन्ना हजारे लुकाछिपा के बेगुनाहन के निशाना बनावे वाला आतंकवादी समूहन के खुलकर सामने से लड़ाई लड़े के चुनौती दिहले.
  • मनमोहन सिंह अधिकारियन से तीस्ता पर अइसन प्रस्ताव बनावे के कहले जवन दुनु देश के मंजूर होखो आ जवना से कवनो बेजरूरत दिक्कत ना आवे.
  • अफजल के फांसी ना भइल त भाजपा के जम्मू काश्मीर इकाई एकर खिलाफत करी.
  • भारत का दौरा पर आइल इजरायल के पर्यटन मंत्री स्टास मिसेझनिकोव दिल्ली उच्च न्यायालय के बाहर भइल बम विस्फोट के बिगड़ल दिमाग के उपज बतवले.
  • भाजपा गृह मंत्री पी. चिदम्बरम से कहले बिया कि ऊ आपन ध्यान राजनीतिक विरोधियन पर ना लगा के आतंकवादी घटना रोके पर लागवसु.
  • आंध्र प्रदेश के अदालत में कर्नाटक के मंत्री रहल जी. जनार्दन रेड्डी अउर उनुका रिश्तेदार श्रीनिवास रेड्डी के जमानत याचिका पर सुनवाई काल्हु बियफे ले टार दिहल गइल बा.
  • कट्टरपंथी अलगाववादी नेता सैयद अली शाह गिलानी के आह्वान पर आजुओ जम्मू काश्मीर में बन्द रहल.
  • इंदौर के चंदननगर थाना के पुलिस उपनिरीक्षक राम किशोर शिवहरे के एगो छात्रा के अश्लील एमएमएस बना के ब्लैकमेल करे के वाकया सामने अइला का बाद ओकरा के निलंबित कर के ओकरा दू गो साथियन समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. मालूम होखे कि एहसे पहिलहू कई गो घटना अइसन भइल बा जवन पुलिस के छवि दागदार बनवले बा. बैतूल में थाने में बलात्कार भइल रहे त ग्वालियर में एगो युवक के थाने में हत्या कर के लाश नदी में फेंक दिहल रहे.
  • दिल्ली बम विस्फोट का बाद राज्यसभा के कार्यवाही दुपहरिया दू बजे ले टार दिहल गइल.
  • झारखण्ड के जमशेदपुर से 22 अगस्त के अगवा भइल एगो तीन साल के लड़िका अनंत के पुलिस मंगल का रात बिहार के नालंदा जिला थाना क्षेत्र से मुक्त करा लिहलसि. एह मामिला में एगो औरत समेत दू लोग के गिरफ्तारो कर लिहल गइल बा.
  • एगो बांग्लादेशी अखबार लिखले बा कि ममता बनर्जी भारत के प्रधानमंत्री के दौरा के वहिष्कार के उनुका के बेइज्जति कइले बाड़ी.
  • विशेष कार्रवाई दस्ता बुध का दिने एक दर्जन से अधिका मामिला में खोजात एगो अपराधी के इलाहाबाद में मार गिरवलसि बाकिर ओकर साथी भागे में कामयाब रहल.
  • भारत के कवनो विश्वविद्यालय के दुनिया के प्रतिष्ठित वैश्विक श्रेणी क्वाक्वारेली सिमोंड्स (क्यूएस) सूची के माथ 200 में जगहा नइखे मिलल.
  • भारत सरकार जापान के टोक्यो के रेनकोजी मंदिर से नेताजी सुभाष चंद्र बोस के अस्थि ले आवे के कवनो इरादा नइखे रखले.

दुनिया

  • ढाका का साथ व्यापक समझौता भईल बा जवन आगा चले के राह बनाई : कहले प्रधानमंत्री.
  • लीबिया के निवर्तमान शासक मुअम्मार गद्दाफी शायद रेगिस्तानी शहर बानी वालिद से जा चुकल बाड़न आ पड़ोसी देशन चाड भा नाइजर किओर जात बाड़न.
  • नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई एही महीना न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र आमसभा के बैठक में शामिल होखला के बाद भारत अइहें.
  • पाकिस्तान के क्वेटा शहर में भइल आत्मघाती विस्फोट में मरे वालन के गिनिती बढ़ के 25 हो गइल, जबकि 55 लोग घवाहिल भइले.
  • अमेरिका एह खबर के गलत बतवले बा कि लीबियाई नेता मुअम्मार गद्दाफी अपना काफिला के साथे नाइजर में घुसल बाड़े.

व्यापार व्यवसाय

  • 2जी मामला में ‘आवेदन की कटऑफ तिथि आगे बढ़ावल गलत ना रहे’, कहले आरोपियन के वकील राम जेठमलानी. कहलन कि तिथि एहले बढ़ावल गइल कि आवेदन ढेरे रहल आ स्पेक्ट्रम कम.
  • देश में एमटीएस नाम से दूरसंचार सेवा उपलब्ध करावे वाली कम्पनी सिस्तेमा श्याम टेलीसर्विसेज लिमिटेड के मौजूदा कारोबारी साल के पहिला तिमाही में 657.6 करोड़ रुपिया के घाटा भइल बा.
  • केंद्रीय सूचना प्रौद्योगिकी आ संचार राज्य मंत्री मिलिंद देवड़ा के कहना बा कि भारत संचार निगम लिमिटेड 2जी घोटाला में नइखे सनाइल.
  • टाटा मोटर्स आ जगुआर लैण्ड रोवर एकसाथ शोध करी आ घरेलू अउर दुनिया भर के बाजार खातिर नया वाहन बनाई.
  • अमेरिका के सौर ऊर्जा कम्पनी फर्स्ट सोलर बुध का दिने बतवलसि कि ऊ अनिल अम्बानी के कंपनी रिलायंस पावर के 100 मेगावाट के सौर उपकरणन के सप्लाई करे वाली बा.
  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश के कहना बा भूमि अधिग्रहण विधेयक एगो राजनीतिक विधेयक ह, जवना में सामाजिक लाभ आ आर्थिक विकास के संतुलन बा. विधेयक के श्रेय ऊ राहुल गांधी के दिहले.
  • जापानी वाहन निर्माता कम्पनी टोयोटा कहले बिया कि ऊ एक अक्टूबर से अपना गाड़ियन के दाम में डेढ़ से दू फीसदी के बढ़ोतरी करी.
  • देश के शेयर बाजार में आजुओ तेजी रहल आ सेंसेक्स 202.19 अंक बढ़ के बंद भइल.
  • टाटा मोटर्स, फोर्ड अउर वोल्वो जइसन वाहन निर्माता कम्पनियन के कलपुर्जे सप्लाई करे वाली कोमस्टार ऑटोमोटिव टेक्नोलॉजिस के कर्मचारियन के हड़ताल पिछला 28 दिन से जारी बा.
  • भारत के होखे वाला बांगलादेश के निर्यात दोगुना हो सकेला अगर गैर सीमा शुल्क बाधा हटा लिहल जाव. कहले बांग्लादेश के वाणिज्य मंत्री.
  • भूमि अधिग्रहण आ पुनर्वास विधेयक आजु बुध के संसद में पेश कर दिहल गइल. एह विधेयक में किसानन के बेसी मुआविजा आ फैसला करे के अधिकार दिहल गइल बा.

मनोरंजन

  • मिथुन चक्रवर्ती अभिनीत बंगला फिल्म “नोबेल चोर” के अक्टूबर में होखे जा रहल बीएफआई लंदन फिल्म फेस्टिवल में “ए विंडो आन एशियन सिनेमा” सेक्शन में देखावल जाई.
  • बियफे आठ सितंबर के मुंबई में रविन्द्र राजभट्ट आ राजेश राजभट्ट के म्यूजिकल अलबम जारी कइल जाई.
  • भोजपुरी आयटम डांसर सीमा सिंह नाच नचइया धूम मचइया धारावाहिक रियलिटी डाँस शो के शूटिंग का दौरान गिर के घवाहिल हो गइली आ उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ उनुकर हालत स्थिर बतावल जात बा.
  • भोजपुरी अभिनेत्री निशा यादव काल्हु एगो दक्खिन भारतीय फिल्म निर्माता रामनाथ आनन्दन पर धमकावे आ फोन करके खराब खराब बाति बतियावे के आरोप लगावत मुंबई के कुरार पुलिस थाना में मुकदमा दर्ज करवले बाड़ी. निर्माता उनुका के अपना फिल्म में सहायक नायिका के रोल दिहला का नाम पर हमबिस्तर होखे के बात करत रहे. कहलसि कि बताव कतना लेबू एक रात के ? ना मनली त जान से मारे के धमकी दिअवले बा. फोन करे वाला आदमी अपना के छोटा राजन गिरोह के शूटर बतवलसि. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.
  • सलमान खान, करीना कपूर अभिनीत ‘बॉडीगार्ड’ बनवला का बाद अब अभिनेता से निर्माता बनल अतुल अग्निहोत्री दक्षिण के प्रख्यात अभिनेता रजनीकांत पर एगो फिल्म बनावे में लागल बाड़े.
  • बॉलीवुड के सितारा सलमान खान के फिल्म ‘बॉडीगार्ड’ उत्तर अमेरिका में शुरुआती छह दिन में 14 लाख डॉलर के व्यवसाय कइले बा.
  • हिंदी सिनेमा में चालीस साल के योगदान का बाद बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन हॉलीवुड में शुरुआत करे जात बाड़न. ऊ बैज लुहरमैन के ‘द ग्रेट गैट्सबाय’ से हॉलीवुड में अभिनय के शुरुआत करीहे.
  • फिल्म निर्माता करण जौहर के फिल्म ‘अग्निपथ’ के दुसरका ट्रेलर दीवाली के लगभीर आई जवन पहिलका से लमहर होखी.
  • दिल्ली बम विस्फोट का बाद फिल्म ‘मौसम’ के संगीत के सफलता के पार्टी रद्द कर दिहल गइल.

खेल

  • आइस हॉकी खिलाड़ियन के ले जा रहल रूसी विमान दुर्घटनाग्रस्त भइल, 36 लोग मरल.
  • आइल ऑफ मैन में आयोजित होखे वाला राष्ट्रमंडल युवा खेल में भारत के छह सदस्यीय मुक्केबाजी टीम के पदक जीते के पूरा उम्मीद बा.
  • हार्डकोर्ट राष्ट्रीय टेनिस चैम्पियनशिप के आयोजन 10 से 22 अक्टूबर के बीच दिल्ली लॉन टेनिस संघ परिसर में होखी.
  • जापान से हरला का बाद पाकिस्तान के स्टार हॉकी खिलाड़ी रेहान बट्ट कहले कि उनुका टीम खातिर अब चौकन्ना रहे के समय आ गइल बा.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी में आजु का मैच में मलेशिया ने भारत के 2-2 का बरोबरी पर रोक लिहलसि.
  • अमेरिकी ओपन में काल्हु मंगलवार के बरखा का चलते कवनो मैच ना खेलल गइल.
  • भारतीय महिला हॉकी टीम के कोच सी.आर.कुमार जापान का खिलाफ टीम के खराब खेल से बहुते निराश बाड़े.
  • इंग्लैंड दौरा पर लगातार हार झेलत भारत के क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी के कहना बा कि टीम के गेंदबाजी में सुधार के जरूरत बा. काल्हु भइल दुसरको एकदिना में इंग्लैंड भारत के 7 विकेट से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up