देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 27, 2011 | 0 comments

(सोमार 26 सितम्बर)
देश

  • देश में बनल परमाणु क्षमता युक्त बैलिस्टिक मिसाइल पृथ्वी-2 के सोमार का दिने ओडीशा तट से सफल परीक्षण कइल गइल. एकर मारक क्षमता अधिकतम 350 किलोमीटर ले बा.
  • केरल के तिरुवनंतपुरम में सोमार साँझ एगो स्कूली वैन नहर में गिर गइल जवना में तीन गो बच्चन के मौत हो गइल.
  • कर्नाटक उपचुनाव में 60 फीसदी मतदान के खबर बा.
  • गुजरात के राज्यपाल कमला बेनीवाल मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी से उनुका उपास का दौरान भइल खरचा के हिसाब मँगले बाड़ी.
  • तेलंगाना राज्य के माँग खातिर 30 सितम्बर के हैदराबाद बंद.
  • आजु टूजी घोटाला प्रकरण में वित्त मंत्रालय के टिप्पणी से उपजल विवाद के मद्दे नजर गृहमंत्री चिदम्बरम आ वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी अलगा अलगा जा के सोनिया गाँधी से भेंट कइले. सुने में आवत बा कि चिदम्बरम आपन इस्तीफो देबे के बाति कहलें.
  • मंगल से देश के करोड़ो मोबाइल ग्राहकन के अनचाहा कॉल आ एसएमएस से मुक्ति मिल जाई जब एहपर रोक लगावे वाला नियम प्रभावी हो जाई.
  • बाबा रामदेव का अनशन का दौरान भइल पुलिस लाठीचार्ज का दौरान घवाहिल राजबाला के सोमार का दिने निधन हो गइल. राजबाला के रीढ़ के हड्डी टूट गइल रहे आ 114 दिन ले अस्पताल में भर्ती रहल एह 51 साल के औरत के आखिरकार मौत हो गइल.
  • विदेश जा के आपन इलाज करावे खातिर अमर सिंह अदालत से इजाजत मँगले बाड़न.
  • मनमोहन सिंह स्वदेश खातिर रवाना हो गइल बाड़न आ मंगल के देर रात भारत लवटि अइहन जहवाँ टूजी घोटाला के नया विवाद उनुकर स्वागत करे के तइयार बा.
  • केरल में विपक्ष मुख्यमंत्री ओमन चांडी के इस्तीफा मँगलसि. चाँडी पर साल 1992 के ताड़ तेल आयात मामले के अदालती सुनवाई के प्रभावित करे के कोशिश के आरोप बा.
  • पश्चिम बंगाल पुलिस दार्जिलिंग से बड़हन मात्रा में बरामद विस्फोटक मामिला में पश्चिम बंगाल आ बिहार से दू जने के गिरफ्तार कइले बिया.
  • दक्षिणी गुड़गांव के खेड़ी दौला में टोल प्लाजा पर तीन दिन पहिले एगो टोल कर्मचारी के गोली मारके हत्या कर देबे का आरोप में आजु सोमार का दिने पुलिस दू जने के गिरफ्तार कर लिहलस. हत्या वाली गाड़ी त मिल गइल बा बाकिर पिस्तौल अबही बरामद नइखे भइल.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी अपना के कश्मीरी बतावत कहले कि कश्मीरियन के दुख दर्द उनुकर आपन दुख-दर्द हवे.
  • केंद्रीय विश्वविद्यालय जामिया मिलिया इस्लामिया के कुलपति नजीब जंग के भारतीय रिजर्व बैंक के केंद्रीय बोर्ड में नामित कइल गइल बा.
  • डिब्बाबंद आ प्रसंस्कृत जूस के लगातार सेवन से आंत के कैंसर हो सकेला खास कर के ओह लोग के जे रोजाना तीन गिलास से बेसी जूस पियेलें.
  • भारतीय विशिष्ट पहचान प्राधिकरण के महत्वाकांक्षी आधार योजना के लागू करावे में त्रिपुरा सबले आगे निकल गइल बा.
  • राजस्थान के जय नारायण व्यास विश्वविद्यालय के 16 छात्रन पर रैंगिग के आरोप में आपराधिक मामिला दर्ज करावल गइल बा.
  • वित्तीय अनियमितता के आरोपन में घेराइल आईपीएल प्रमुख रहल ललित मोदी के याचिका सर्वोच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि.
  • अफजल गुरु के फाँसी के सजा माफ करवावे पर आपन रूख तय करे खातिर नेशनल कांफ्रेंस विधायक दल अतवार के बइठक कइलसि जवना में कवनो नतीजा ना निकलल काहे कि दुनु अब्दुल्ला, बाप बेटा, ना अइले.
  • जम्मू में सेना 5000 बेरोजगारन के रोजगार खातिर प्रशिक्षित कइलसि.

दुनिया के खबर

  • नेपाल विमान दुर्घटना में मरल लोग के शव खातिर अबहियो परिजन इंतजार करत बाड़े.
  • सोवियत संघ के राष्ट्रपति रहल मिखाइल गोर्बाचेव के कहना बा कि अगर प्रधानमंत्री व्लादिमीर पुतिन फेर से राष्ट्रपति बनत बाड़े त एकर मतलब होखी कि रूस के छह साल बरबाद हो गइल.
  • अमेरिका से बिगड़त संबंधन पर चरचा करे खातिर पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी बियफे का दिने सर्वदलीय बैठक बोलवले बाड़न.
  • पाकिस्तानी विदेश मंत्री हिना रब्बानी खार के कहना बा कि हक्कानी संगठन कबहु अमेरिका के खुफिया एजेंसी सेंट्रल इंटेलिजेंस एजेंसी के ‘दुलारूवा’ रहल. हक्कानी नेटवर्क के पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआई के मदद मिले के अमेरिकी आरोपन से उपजल तनाव का बीच पाकिस्तान के खुफिया प्रमुख लेफ्टिनेंट शुजा पाशा सोमार के सऊदी अरब खातिर रवाना भइले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • जनरल इलेक्ट्रिक महाराष्ट्र का पुणे में आपन नया इकाई लगाई जवना पर 20 करोड़ डॉलर खरच करी.
  • सीबीआई 2जी घोटाला के आरोपियन पर नया आरोप लगावे के अनुमति अदालत से मँगले बिया.
  • सार्वजनिक खरीद में भठियरपन रोके खातिर एहो विधेयक ले आवे के बात प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्यमंत्री वी. नारायणसामी कहले बाड़न.
  • ह्युंडई अपना स्पोर्ट्स यूटिलिटी कार सांता फे के नया मॉडल सोमार का दिने बाजार में उतरलसि जवना के दाम साढ़े चौबीस लाख रुपिया राखल गइल बा.
  • भारत के नौसेना दू गो मालवाहक जहाजन के लूटे के सोमालियाई लुटेरन के कोशिश नाकाम कर दिहलसि.
  • टीसीएस के इंदौर इकाई में 50 फीसदी नौकरी मप्र के बेरोजगारन के दिहल जाई. सरकार एकरा खातिर कंपनी के एक चौथाई दाम पर जमीन दीही.
  • कोका कोला इंडिया सोमार के कहलसि कि महंगाई देखत ऊ भारत में अपना उत्पादन के दाम ना बढ़ाई.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में अतवार रात भइल पंजाब एंड सिंध बैंक के मुख्य प्रबंधक अविनाश नागपाल के हत्या के आरोपी के पुलिस सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद सोमार का दिने कहले कि केंद्र सरकार के स्विस बैंक समेत दोसरो बैंकन में जमा करिया धन का बारे में महत्वपूर्ण जानकारी मिलल बा.
  • सोमारो का दिने शेयर बाजार में गिरावट के माहौल रहल आ सेंसेक्स 111 अंक नीचे गिर के बंद भइल. ओने सोना के दाम में एक हजार रुपिया प्रति दस ग्राम के कमी आइल बा.
  • भारत आ चीन एक दोसरा खातिर आपन बाजार खोले पर राजी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मध्य प्रदेश सरकार के संस्कृति विभाग साल 2010-11 के किशोर कुमार सम्मान अभिनेता देवानंद के आ लता मंगेश्कर सम्मान संगीतकार राजेश रोशन के देबे के एलान कर दिहलसि.
  • बॉलीवुड के बादशाह शाहरुख खान एह घरी अपना फिल्म ‘रा. वन’ के प्रमोशन में व्यस्त बाड़न. एह खातिर कई गो कंपनियन के ब्रांड से गठजोड़ कइले बाड़न आ टीवी चैनलन पर शो देखावल जात बा. बाकिर शाहरुख अपना के विपणन गुरु नइखन मानत.
  • उपग्रहीय टेलीविजन प्रसारण के साल 2014 ले पूरा तरह से डिजिटलीकरण करे खातिर केंद्र सरकार प्रसारण नियम में बदलाव करे पर सोचत बिया.
  • भारत में ‘जेम्स बांड’ के शूटिंग अब ना होई.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग मैच में मुम्बई इंडियंस त्रिनिदाद टोबैगो के एक विकेट से हरा के लगातार दुसरका जीत दर्ज कइलसि.
  • डूरंड कप फुटबाल टूर्नामेंट के 124वें संस्करण में पुरस्कार राशि पांच लाख रुपये से बढ़ाकर 20 लाख रुपिया कर दिहल गइल बा.
  • आकलैण्ड में होखे वाल चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट खातिर पाकिस्तान अपना 30 सदस्यीय सम्भावित टीम के घोषणा कर दिहलसि.
  • लंदन में भइल ट्वेंटी-20 मैच में वेस्टइंडीज इंग्लैंड के 25 रन से हरा के दू मैचन के श्रृंखला 1-1 से बराबर कर लिहलसि.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के स्पिनर रहल शेन वार्न क्रिसमस का मौका पर अपना प्रेमिका अभिनेत्री एलिजाबेथ हर्ले का सोझा शादी के प्रस्ताव रख सकेलें.
  • भारत 29 सितम्बर से सिंगापुर के आईलैंड कंट्री क्लब गोल्फ कोर्स में शुरू होखे वाला एशियाई एमैच्योर गोल्फ चैम्पियनशिप खातिर आपन मजबूत टीम भेजले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up