देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 11, 2011 | 0 comments

(अतवार 11 सितम्बर)
देश

  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री रहल बुद्धदेव भट्टाचार्य अतवार का दिने कहलन कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के सात साल के शासन में गरीबी आ बेरोजगारी अउरी बढ़ गइल.
  • सीबीआई आजु अतवार का दिने अवैध खनन मामिला में पहिले से गिरफ्तार आ कर्नाटक के मंत्री रहल जी. जनार्दन रेड्डी के कारोबार का बारे में अउरी जानकारी जुटावे बदे रेड्डी के सहयोगियन का घरे छापा मरलसि.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय में तैनात सुरक्षाकर्मी अब सोमार से ना त मोबाइल फोन पर बतिया सकीहें ना ड्यूटी का दौरान अखबार पढ़ सकीहें.
  • मध्य प्रदेश के जबलपुर में बेटी रोटी मँगलसि त बाप सलीम अपना ओह नौ साल के बेटी नूर सबा पर किरासन तेल डाल के आग लगा दिहलसि. बेटी के गंभीर हाल में विक्टोरिया अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • विद्रोही संगठन गारो नेशनल लिबरेशन आर्मी के धमकी का बाद कि ऊ गारो हिल्स इलाका बम विस्फोट करी समूचा मेघालय में अलर्ट घोषित कर दिहल गइल बा.
  • नक्सली समर्थक डॉ. बिनायक सेन जेल में बंद पीपुल्स यूनियन फॉर सिविल लिबर्टीज के सचिव सीमा आजाद के रिहाई खातिर लोग से आवाज उठावे के गोहार कइले बाड़न.
  • एयरपोर्ट मेट्रो से रोजाना 15000 यात्री सफर करेलें.
  • एगो आंकड़ा का हिसाब से हाल के मानसून सत्र में नवजवान सांसद बहस में कम भागीदारी कइले.
  • अबही अउर पाँच दिन ले सक्रिय रही मानसून.
  • सेना के पूर्व अधिकारी रहल भुवन चंद्र खंडूड़ी के आजु अतवार का दिने उत्तराखण्ड के मुख्यमंत्री पद के दुसरकी बेर किरिया धरावल गइल. एक बेर पहिले बनल रहले त पोखरियाल उनुका के हटा के मुख्यमंत्री बनले. अबकी पोखरियाल के हटा के खंडूड़ी के मुख्यमंत्री बनावल गइल.
  • तमिलनाडु के रामनाथपुरम जिले में हथियारन से लैस आ पथराव करत भीड़ पर काबू करे खातिर पुलिस गोली चलवलसि जवना से तीनआदमी के मौत हो गइल. मरल लोग के परिजन के एक एक लाख रुपिया सहायता राशि दिहल जाई.
  • अन्ना हजारे कहले बाड़न कि अगर जन लोकपाल विधेयक के जल्दिये कानून ना बनावल गइल त ऊ फेर से आंदोलन शुरू कर दीहें.
  • आजु देश में कई जगहा, आ खास कर के मुंबई में श्रद्धा विश्वास के साथ भक्त लोग गणपति बप्पा मोरया का नारा के साथ गणपति के प्रतिमा विसर्जित कइले.
  • राजनीतिक हलचल आ गठबंधन के साझेदारन से नोक-झोंक का बीच अर्जुन मुंडा आजु अपना मुख्यमंत्रित्व काल के पहिला साल पूरा कर लिहले.
  • सामाजिक अधिकार कार्यकर्ता हमेशा का तरह नक्सलियन के समर्थक होखे का संदेह में गिरफ्तार छत्तीसगढ़ निवासी लिंगाराम कोडोपी के रिहा करे के माँग कइले बाड़े. ओकरा पर आरोप बा कि ऊ एस्सार समूह के धन नक्सलियन के दिहले रहुवे.
  • सीबीआई के विशेष अदालत घूस लेबे का आरोप में गरिफ्तार नेशनल एल्यूनिमियम कॉरपोरेशन के पूर्व अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक ए.के.श्रीवास्तव के जमानत याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • हैदराबाद में अतवार का सबेरे भइल एगो हादसा में पूर्व क्रिकेटर कप्तान आ सांसद मोहम्मद अजहरूद्दीन के भगीना अजमल उल रहमान (16)के मौत हो गइल आ बेटा मोहम्मद अयाजुद्दीन (19)अबहियो जिनिगी आ मौत का बीच झूलत बा. बतावल जात बा कि अयाजुद्दीन के मोटरसाइकिल स्किड कर, बिछला, गइल रहे.
  • मुम्बई में अतवार का दिने मूर्ति विसर्जन जुलूस देखे का दौरान छज्जा गिर गइला से एक आदमी के जान चल गइल आ छह जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • माकपा नेता सीताराम येचुरी कहले बाड़न कि साम्प्रदायिक हिंसा विधेयक में जाति के शामिल ना कइल जाव. धर्म के शामिल कइला पर उनुका कवनो आपत्ति नइखे.

दुनिया के खबर

  • दक्षिणी पाकिस्तान में आइल बाढ़ से प्रभावित लोग के सहायता खातिर चीन पाकिस्तान के 47 लाख डॉलर के सहायता दी.
  • बांगला देश के प्रधान मंत्री शेख हसीना त्रिपुरा के दौरा पर एह साल का आखिर में अइहें जहाँ उनुका के एगो विश्वविद्यालय मानद डाक्टरेट के उपाधि दी.
  • लीबिया में विद्रोहियों के प्रमुख नेता मुस्तफा जलील त्रिपोली पहुंच गइल बाड़े.
  • न्यूयार्क में वर्ल्ड ट्रेड सेंटर का लगे ओहपर भइल आतंकी हमला के दसवीं बरखी पर लोग मौन रहि के मराइल लोग के श्रद्धांजलि दिहले.
  • अमेरिका में वैज्ञानिक अइसन नयातत्व ‘एलिनेट’ खोज निकलले बाड़े जवना से कम खर्च में लमहर समय ले चले वाली बैटरी बनावल संभव हो पाई.
  • अफगानिस्तान के वारदाक प्रांत में शनिचर के भइल एगो आत्मघाती कार विस्फोट में दू लोग मारल गइल आ नाटो के अंतर्राष्ट्रीय सुरक्षा सहायता बल (आईएसएएफ) के 102 कर्मी घाहिल हो गइले.
  • दू दिन ले लोग का नजर से परे रहला का बाद नेपाल के सत्ताधारी माओवादी पार्टी के प्रमुख, पुष्प कमल दहल प्रचंड पूर्वी नेपाल में सामने आ गइले बाकिर नइखन बतावत कि एह बीच ऊ कहवाँ रहले.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी अपना अधिकारियन से निर्यात बढ़ावे खातिर भारत आ चीन जइसन इलाकाई देशन पर ध्यान देबे के कहले.
  • तंजानिया के जंजीबार इलाका में हिन्द महासागर में एगो नाव डूबला से नाहियो त 200 लोग के मौत हो गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत में इंटरनेट के बढ़त इस्तेमाल का चलते अब ई-ट्यूटोरियल लोकप्रिय हो रहल बा. अंदाजा लगावल जात बा कि साल 2015 ले एकर बाजार 3,500 करोड़ रुपिया के हो जाई.
  • विदेशी संस्थागत निवेशक पिछला हफ्ता देश के शेयर बाजार में कुल 58.8 करोड़ डॉलर के लिवाली कइलन.
  • छोटी कम्पनियन खातिर मोबाइल पर विज्ञापन कइल सबले फायदा के सौदा रही. ई बाति एसएमएस आधारित सोशल नेटवर्किंग वेबसाइट चलावे वाली कम्पनी एसएमएस गपशप कहले बिया. कंपनी के इरादा मौजूदा कारोबारी साल में 100 करोड़ रुपिया के आमदनी कइला के बा.
  • दूध आपूर्ति कम्पनी मदर डेयरी दूध के दाम फेर दू रुपिया हर लीटर पर बढ़ा दिहले बिया. ई बढ़ोतरी आजु से लागू हो गइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बतावल जात बा कि गायक सोनू निगम के तबियत आजु काल्हु खराब बा.
  • निर्माता पंचम सिंह महात्मा गांधी के जीवन पर 300 कड़ियन के टेलीविजन धारावाहिक बनइहें जवना काम में गांधीजी के परपौत्र विवान गांधी उनुका के सहयोग दीहें.
  • आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल आ दिवंगत एन.टी. रामा राव के बेटा, जे तेलुगू अभिनेता हउवें, एन. बालाकृष्णा अतवार का दिने साफ कर दिहलन कि ऊ अगिला विधानसभा चुनाव लड़ीहें.
  • प्रसिद्ध फिल्मकार संतोष सिवान के फिल्म ‘उरुमी’ बुसान में होखे जा रहल अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव खातिर चुनाइल बा. नौ दिन चले वाला ई फिल्म महोत्सव छह अक्टूबर से शुरू होखी.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री जूही चावला के कहना बा कि टेलीविजन से प्रीति जिंटा, माधुरी दीक्षित, रवीना टंडन समेत कई माथ अभिनेत्रियन के आपम मौदूदगी बनावे राखे के मौका मिलल बा. अब जूही चावलो छोटका परदा पर आवे वाली बाड़ी.

खेल के खबर

  • चउथको एकदिना भारत के कामे ना आइल आ बरखा का चलते खेल ड्रा हो गइल. कम से कम हार से त बाच गइल भारत के क्रिकेट टीम बाकिर सीरिज इंगलैण्ड का हाथे लाग गइल.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी में भारत बनल एशियाई हॉकी के चैम्पियन. पाकिस्तान के 4-2 से हरवलसि. फैसला पेनल्टी शूट आउट में भइल एहसे गोलकीपर श्री जैस के बधाई.
  • भारतीय क्रिकेट टीम चउथका एकदिना में इंगलैण्ड के 281 रन के निशाना दिहले बिया जवना का जबाब में इंग्लैंड 21 ओवर में तीन विकेट के नुकसान पर 109 रन बनवले बा.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी में मलेशिया के कांस्य पदक मिलल जे जापान के हरा के ई पदक जीतले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up