बिहार के खबर

by | Oct 25, 2011 | 0 comments

(मंगल, 25 अक्टूबर)

  • उच्चतम न्यायालय के फैसला अइला का बाद राज्य में चौंतीस हजार पाँच सौ चालीस गो प्रशिक्षित प्रारंभिक शिक्षकन के बहाली के काम शुरू कर दिहल गइल बा. अगिला साल जनवरी से पहिले जिलावार काउन्सलिंग करवावल जाई. बतावल जात बा कि एस सी, एसटी, बीसी वन आ उर्दू के तमाम आवेदकन के बहाली हो जाई.
  • धनतेरस का दिने पटना में तेरह अरब रुपिया से बेसी के कारोबार होखे के खबर आइल बा. आ लोग कहत बा कि महँगाई बा !
  • रोहतास जिला डालमियानगर रेल पुल उड़ावे के योजना बेकार करत पुलिस सात गो हार्ड कोर नक्सलियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. एकनी पर डीएसपी अखिलेश सिंह हत्याकाण्डो के आरोप बा. एकरा अलावे चुटिया थाना का जंगल से सोमार का दिने दू गो संदिग्ध नक्सलियन के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • सिवान जिला के दुरौंदा विधानसभा क्षेत्र से चुनाइल नयकी विधायक कविता सिंह के विधानसभा अध्यक्ष उदयनारायण चौधरी सोमार का दिने शपथ धरवलें.
  • राज्य के हर जिला में एगो पंचायत के सगरी गाँव में सोलर सिस्टम का माध्यम से रोशनी के व्यवस्था कइल जाई. एह खातिर हर जिला में एगो पंचायत चुनल जाई आ ओकरा हर घर के लोग से सोलर सिस्टम खरीदे के कहल जाई. सरकार एक खातिर तीस से पचास फीसदी के सबसिडी दीहि.
  • पटना जंक्शन परिसर से सोमार का दिने पूर्वी चंपारण के रविरंजन नाम के आदमी के सताईस किलो चरस का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • सारण जिला में अठाइस आ उनतीस अक्टूबर के युवा महोत्सव मनावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up