मंत्री नेता भा अफसरान के परिजन के आवंटन कानूनी बा

by | Jul 27, 2011 | 0 comments

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी काल्हु कहले कि बियाडा जमीन घोटाला में बेमतलब आरोप लगावल जा रहल बा. एहिजा पुरान नियम आ परंपरा बा कि मंत्री, विधायक, आ कवनो अधिकारी के परिवार वाले अपना खातिर जमीन आंवटन खातिर आवेदन कर सकेले आ ओह लोग के जमीन आंवटित कइल जा सकेला. एहमें कहीं कवनो गड़बड़ी नइखे भइल काहे कि एह मामिला में कवनो विवेकाधीन कोटा हइये नइखे. सुशील मोदी विपक्षी नेता लोग के रिश्तेदारन के नाम बतावत कहले कि जवना नियम का तहत ओह लोग के जमीन आंवटीत भइल रहल ओही नियम का तहत अबकी के मंत्री विधायकन के रिश्तेदारन के आवंटित कइल गइल बा. अगर विपक्ष का लगे कवनो ठोस सुबूत बा त ओकरा के सार्वजनिक करे.

ठीक कहलऽ सुशील भाई, जमीन के एह तरह के घपला के घोटाला ना कहल जा सके काहे कि एह हम्माम में सगरी लोग लंगटे बा. लोग के आपन माढ़ा नइखे लउकत आ दोसरा के फूला पर हल्ला मचावल जा रहल बा. शायद एही चलते येदियुरप्पो का खिलाफ भाजपा कवनो कार्रवाई नइखे करत काहे कि उहो नियमे का अनुसार अपना परिवार वालन के जमीन दिहले बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up