मारीशस आ भारत का बीच व्यापार बढ़ावे पर सहमति

पाँच दिन के मारीशस यात्रा पर गइल भारत के राष्ट्रपति प्रतिभादेवी सिंह पाटिल आ मारीशस के शीर्ष नेता लोग से भइल बातचीत में दुनु देश का बीच के संबंध अउरी पोढ़ आ गहिर बनावे पर सहमति बनल. मारीशस के भारत के साथ भावनात्मक संबंध बा कि काहे कि ओहिजा के अधिकतर नागरिकन के पूर्वज हिन्दुस्तान से गइल रहले खास कर के भोजपुरी भाषी इलाकन से आ ओहिजा आजु ले भोजपुरी भाषा आ संस्कृति जिन्दा राखल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up