अन्ना हजारे का आंदोलन का चलते संसद ठप्प

by | Aug 23, 2011 | 0 comments

नई दिल्ली, 23 अगस्त (आईएएनएस). सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे के आंदोलन का आंधी में मंगल का दिने संसदो उधिया गइल आ दुनु सदन के कार्यवाही बिना कवनो कम कइले काल्हु ले टार देबे के पड़ल.

भाजपा लोकसभा अउर राज्यसभा, दुनु सदनन में भठियरपन के मुद्दा पर तुरते चरचा करवावे के माँग कइलसि जवना चलते कामकाज में बार बार बाधा पड़ल.

लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष सुषमा स्वराज आ केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री पी.के. बंसल का बीच लमहर बहसा बहसी भइल जवना का बाद लोकसभा अध्यक्षा मीरा कुमार सदन के कार्यवाही दुपहरिया 12 बजे ले टार दिहली. बंसल के एह बाति पर आपत्ति रहल कि सुषमा स्वराज 2जी स्पेक्ट्रम घोटाला आ आदर्श सोसायटी घोटाला के जिक्र कर के मूल मुद्दा से हटली काहे. लेकिन भाजपा नेता के कहना रहल कि इहो मुद्दा भ्रष्टाचारे से जुड़ल बा.

ओकरा बाद बंसल सुझाव दिहले कि तब एह चर्चा के भठियरपन पर खास चरचा में बदल दिहल जाव. एकरा खातिर सरकार तइयार बिया. बाकिर सुषमा स्वराज के कहना रहल कि प्रश्नकाल टार दिहल जाव आ चरचा करावल जाव. जब बहसा बहसी बढ़ते गइल त मीरा कुमार सदन के कार्यवाहिए स्थगित कर दिहली.

सुषमा स्वराज कहली कि अन्ना हजारे आंदोलन सरकार के कइल भठियरपन का खिलाफ बावे आ सरकार एहसे पल्ला ना झाड़ सके. कहली कि, “घोटाला पर घोटाला सामने आइल बा. जनता महंगाई से त्रस्त बिया आ मंत्री करोड़ों रुपिया लूटत बाड़े.” सदन में पेश के सुषमा बिना नोह दाँत वाला आ बेअसरी बतवली.

सदन के बइठक जब दुबारा शुरू भइल त लोकसभा अध्यक्ष नियम 193 के तहत भ्रष्टाचार पर विशेष चरचा करे के अनुमति त दिहली बाकिर ओहसे पहिले डीएमके सांसद टी.आर. बालू के श्रीलंका में तमिलन के हालात पर आपन बाति कहे के नेवता दे दिहली.

एह पर भाजपा सांसद भड़क गइले. मामिला सझुरात ना देख मीरा कुमार तब सदन के कार्यवाही फेर उपरि बेरा दू बजे ले टार दिहली.

उपरि बेरा जब तिसरका बेर लोकसभा के बइठक शुरू भइल तबहियो अड़ंगा लागते रहल आ आखिर में काल्हु तक ले सदन के कार्यवाही टार दिहल गइल.

राज्योसभा में अइसने हालात रहल. ओहिजो भाजपा ने प्रश्नकाल रोकवा के भ्रष्टाचार पर चरचा करावे के माँग कइलसि.

राज्यसभा के बइठक शुरू होखते, भाजपा सदस्य अपना सीटन से उठ खड़ा भइले आ अपना माँग पर जोर देबे लगले. सत्ताधारी सदस्य ओतने जोर से नारा लगावत विपक्ष के मुकाबिला करे के कोशिश कइले.

सभापति हामिद अंसारी के निहोरा जब बार बार अनसुना कर दिहल गइल त ऊ सदन के कार्यवाही 12 बजे ले टार दिहले.

कार्यवाही जब दुबारा शुरू भइल, त विपक्षी सदस्य फेरु अपना सीट से खड़ा हो गइले आ हंगामा करे लगले. सरकार शांत करावे के कोशिश कइलसि बाकिर केहू मानल ना.

जब हंगामा जारी रहल त उपसभापति के. रहमान खान सदन के कार्यवाही उपरि बेरा दू बजे ले टार दिहले. तिसरको वेर हालात उहे रहल से कार्यवाही दिन भर खातिर टार दिहल गइल.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up