आईटी सेक्टर में कर्मचारियन के बार बार नौकरी छोड़ला बदलला पकड़ला से कंपनी सब आजिज आ गइल बाड़ी सँ आ अब मंदी के दौर से निकलत कंपनी अपना कर्मचारियन के नौकरी छोड़ला पर रोक लगावे खातिर तीन महीना के नोटिस माँगत बाड़ी सँ. पहिले ई अवधि एके महीना के रहुवे जवन मंदी का दौर में कंपनियो के ठीक लागत रहुवे कि जाव जेकरा जाये के बा. नौकरी बदले वाला लोग खातिर ई बुरा खबर बा बाकिर उद्योग जगत खातिर बढ़िया.
0 Comments