अब दोषी तय करी कि जज के रही

by | Dec 21, 2010 | 0 comments

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कांग्रेस का महाधिवेशन में साफ कर दिहलें कि उनका पर आरोप ना लगावे के चाहीं आ प्रधानमंत्री के पद विवाद से उपर राखे के चाहीं. कहलन कि ऊ लोक लेखा समिति का सोझा जवाब देबे के तइयार बाड़न. विपक्ष के जेपीसी के माँग ना मानल जा सके. लोग के बूड़बक बताह बूझत प्रधानमंत्री अपना सफाई में कहलन कि उनकर पार्टी आरोप लगते अपना मंत्रियन के पद से हटा दिहलसि. जबकि सही बात ई बा कि जब पानी नाक से उपर चलि गइल तब कार्रवाई शूरु भइल जवन कि लीपापोती के कोशिश बेसी बा. कलमाडी के तब ओह पद से हटावल गइल जवना के कवनो दाम नइखे आ खुद सीबीआई चाहत बिया कि उनका के आयोजन समिति से हटावल जाय. दूर संचार मंत्री ए॰ राजा के तबले बचाव कइल गइल जबले खुद प्रधानमंत्री के कार्यालय आरोप का जद में ना आवे लागल. सतर्कता आयोग के अध्यक्ष ओह दागी के बनावल गइल जवन कि खुद एगो घोटाला में आरोपी बा आ जवना के चयन के सही प्रक्रिया ना अपनावल गइल. अशोक चह्वाण के तब हटावे के पड़ल जब ऊ रंगे हाथ धरा गइलन. प्रधानमंत्री सिर्फ एक सवाल के जवाब दे देसु कि आजुवो थामस सतर्कता आयोग के अध्यक्ष का कुर्सी पर काहे बाड़न ? मानल जा सकेला कि प्रधानमंत्री खुद ईमानदार बाड़न बाकिर उनका ईमानदारी के लेके चाटल जाव का ? आ उनुकर लापरवाही के अनदेखी कर दिहल जाव ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up