उत्तर प्रदेश के खबर, शुक 2 सितम्बर का दिने

by | Sep 2, 2011 | 0 comments

  • उत्तर प्रदेश के एसटीएफ अंडरवर्ल्ड सरगना राजा बानांजा उर्फ राजा शेट्टी गिरोह के एगो शूटर के शुक का दिने लखनऊ में गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • ताज नगरी आगरा के डा. निधि माहेश्वरी के शुक का दिने उत्कृष्ट उद्यमिता खातिर राष्ट्रीय पुरस्कार 2010 से दिल्ली के विज्ञान भवन में आयोजित एगो समारोह में राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील का मौजूदगी में सम्मानित कइल गइल.
  • उत्तर प्रदेश के मेरठ शहर में राज्य परिवहन निगम का बस से कचरा के एगो लड़िका के मौत हो गइल जवना का बाद लोग कई गाड़ियन पर पथराव कइल आ पुलिस भीड़ भगावे खातिर लाठी चलवलसि.
  • उत्तर प्रदेश के सीतापुर जिला में नौंवी क्लास के तीन गो छात्र मिलके अपने साथी के गरदन दबा के जान लिहले आ बाद में लाश पोखरा में फेंक दिहले. पुलिस तीनों आरोपियन के पकड़ लिहले बिया. पुलिस के मुताबिक कमलापुर थाना क्षेत्र के सरैया गांव में 13 साल के छात्र अतुल सूर्य इंटर कॉलेज में पढ़त रहे. ओकर तीनो दोस्तन का साथे कुछ झगड़ा हो गइल जवना का बाद ऊ तीनो मिल के 27 अगस्त के गांवही के लगे अतुल के गरदन दबा के ओकर हत्या कर दिहले सँ आ फेर लाश पोखरा में फेंक दिहले सँ. बाद में अतुल के परिजन ओकरा गायब होखे के सनहा दर्ज करवले. घटना के दू दिन बाद जब पोखरा से अतुल के उतराइल लाश बरामद भइल त पोस्टमार्टम रिपोर्ट में गरदन दबाके हत्या करे के बाति सामने आइल. कमलापुर थाना प्रभारी अनिल सिंह बतवले कि, “रिपोर्ट में हत्या के बात सामने अइला पर तीनों साथियन के हिरासत में लेके कड़ाई से पूछताछ कइल गइल काहेकि इहे तीनो ओकरा साथ आखिरी बेर देखल गइल रहले. पूछताछ में तीनों आपन दोष सकार लिहले सँ.” (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
  • यूपी में अम्बेडकर नगर के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी (सीजेएम) के एगो आदमी जान से मारे के धमकी दिहले बा. सीजेएम एगो मुकदमा में ओकरा खिलाफ फैसला दिहले रहले.
  • लखनऊ में भारतीय शास्त्रीय संगीत के शिक्षा देबे वाला संस्थान भातखंडे संगीत विश्वविद्यालय अपना 85 साल का इतिहास में पहिला बेर भारतीय सेना के बैंड (आर्मी बैंड) के शास्त्रीय संगीत सिखावत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up