उत्तर प्रदेश के खबर

by | Dec 20, 2011 | 0 comments

(मंगल, 20 दिसंबर)

  • प्रदेश के चार गो राज्य में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र सरकार कुछ सवाल उठावत फेर राज्य सरकार का लगे भेज दिहलसि. केन्द्र जानल चाहत बावे कि एह विभाजन के पूरा रूपरेखा का रही. सीमा का होखी, राजधानी कहवाँ बनी, कर्जा कइसे बँटाई आ अधिकारियन के बँटवारा कइसे होखी एह सब सवालन के जबाब राज्य सरकार से माँगल गइल बा.
  • प्रदेश में मतदाता सूची पुनरीक्षण के काम दू जनवरी से दू दिन खातिर फेर करावल जाई जेहसे कि पिछला अभियान में छूटल फटकल मतदाता आपन नाम सूची में दर्ज करवा लेसु.
  • राज्य भर में चलत शीतलहरी में अबहीं ले बासठ लोग मर चुकल बा. शीतलहरी का चलते सगरी स्कूल पच्चीस दिसम्बर ले बन्द करा दिहल गइल बा.
  • काकोरी काण्ड के महानायक पण्डित रामप्रसाद बिस्मिल, ठाकुर रौशन सिंह आ अशफाकुल्लाह खाँ के बलिदान दिवस पर सोमार का दिने राज्य भर में श्रद्धांजलि कार्यक्रम आयोजित भइल. एही दिने ठाकुर रौशन सिंह के नैनी जेल में, अशफाकु्लाह खाँ के फैजाबाद जेल में आ पण्डित रामप्रसाद बिस्मिल के गोरखपुर जेल में फाँसी दे दिहल गइल रहे.
  • पिछला हफ्ता बलिया के एगो होटल से पंजाब के सर्राफा व्यवसायी के सामान चोरी होखे के मामिला के पर्दाफाश अबहीं ले नइखे भइल जवना से व्यापारी वर्ग में नाराजगी बा. पहिले त चोरी के रपट लिखे के थाना तइयार ना भइल त स्थानीय विधायिका मंजू सिंह का कहला पर घटना के अगिला दिने रपट दर्ज भइल. छह दिन बितला का बादो मामिला के जाँच में कवनो प्रगति नइखे भइल. हालात अतना संदिग्ध बना दिहल गइल बा कि कवनो अधिकारी एह मुद्दा पर मुँह खोले के तईयार नइखे होत. एह चोरी में करीब बाइस लाख के सोना चाँदी आ नगदी चोरी होखे के शिकायत व्यापारी कइले बा.
  • चरण सिंह के जन्मदिन तेईस दिसम्बर के सपा किसान दिवस का तरह मनाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up