आजु होखत वोट गिनाई का बाद जवन रिजल्ट आइल बा तवना से यूपी में सपा के जोरदार झटका लागल बा. एहिजा भइल तीन सीट के उपचुनाव में दू गो सीट सपा से छीना गइल बा. देवबंद के सीट कांग्रेस जीत लिहलसि आ मुजफ्फरनगर के सीट बीजेपी. तीनो सीट पहिले सपे के रहुवे. फैजाबाद सीट पर सपा आगे चलत बिया. एहीजा बीजेपी चउथा जगहा बिया.
महाराष्ट्र के पालघर में शिवसेना, तेलंगाना के नारायणखेड़ से टीआरएस, आ पंजाब के खडूर साहिब से अकाली दल उम्मीदवार जीत गइल बाड़ें.
बिहार के हरलाखी में राष्ट्रीय लोक समता पार्टी आ मध्य प्रदेश के मैहर में बीजेपी उम्मीदवार आगे चलत बाड़ें.
0 Comments