केन्द्र सरकार अन्ना के अनशन करे के चुनौती दिहलसि

by | Jul 29, 2011 | 0 comments

केन्द्रीय मंत्रीमण्डल काल्हु अपना बईठक में अन्ना हजारे आ उनुका सहयोगियन का तरफ से पेश ड्राफ्ट पर विचार तक ना कइलस आ सरकारी पक्ष के ड्राफ्ट के कुछ विचार विमर्श का बाद सकार लिहलसि. अब इहे ड्राफ्ट संसद में पेश कइल जाई. सरकारी ड्राफ्ट सकारे के खबर सामने अइला का बाद अन्ना, उनुकर सहयोगी, आ विपक्षी दल के विरोध मुखर हो गइल बा. सरकार अन्ना के चुनौती देत कहले बिया कि ऊ चाहसु त १६ अगस्त से अनशन पर बईठ सकेले. अन्ना कहले बाड़े कि अगर अनशन से काम ना चली त ऊ जान देबे तक तईयार बाड़े. जनता के अब तईयार होखे के पड़ी आजादी के दूसरका लड़ाई लड़े ला. एह सरकार से कवनो उमेद ना राखल जा सके.

सरकार का तरफ से सकारल ड्राफ्ट लोकपाल बिल के अनुसार प्रधानमंत्री अपना कार्यकाल का दौरान लोकपाल का दायरा में ना आ सकी. हँ ओकरा हटला का बाद ओकरा खिलाफ जाँच करावल जा सकेला. दोसरे कवनो शिकायत सात साल का भीतर होखे के चाहीं. न्यायपालिका के एह लोकपाल से बाहर राखल जाई साथ ही सांसद आ मंत्रियनो के. लोकपाल कवनो शिकायत के जाँच त करवा सकी बाकिर मुकदमा ना चला सकी. लोकपाल के बहाली करे वाला नौ लोग का समिति में विपक्ष के नेता शामिल रहीहें ओबत्तीस दाँत का बीच जीभ का तरह, शायद दोसरे लोकपाल के अध्यक्ष कवनो न्यायाधीश रहीहें आ लोकपाल के नौ गो सदस्यन में से पाँच गो पूरा पूरा सरकारी मरजी के आ बाकी चार गो पर सरकार के असर रहही कें बा थोड़ बहुत. एह समिति में उहे लोग के राखल जाई जिनका कम से कम पचीस बरीस के अनुभव होखे. सरकारी कर्मचारियनो के लोकपाल का परिधि से बाहर राखल गइल बा कुछ उच्च पदाधिकारियन के छोड़ के. काहे कि सरकारो जानत बिया कि अधिकतर घपला घोटाला निचलका पदाधिकारियन से करवावल जाला.

अगर अइसन लोकपाल बिल जवना के आम लोग जोकपाल बिल के नाम दे दिहले बा पास हो गइल त फेर शायदे कवनो अइसन घोटाला होखी जे लोकपाल का दायरा में आ पाई. मौजूदा सगरी घोटालन जइसन घोटाला एह दायरा में ना आ पाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up