देश के एगारह गो विधि विश्वविद्यालयन के प्रवेश परीक्षा क्लैट (CLAT Common Law Admission Test) में बदलाव कर दिहल गइल बा. एह साल से परीक्षा में सामान्य ज्ञान आ सामयिक विषय पर ५० अंक के, गणित पर २० अंक के, अंग्रेजी समुझे के क्षमता पर ४० अंक के, आ सांख्यिकी क्षमता आ कानून के विश्लेषणात्मक समुझ पर ४५ अंक के सवाल रही. पहिले इतिहास, भूगोल, राजनीति, आ सामान्य विज्ञान से सवाल पूछल जात रहुवे. अबकी एह परीक्षा के फार्म पोस्टो आफिस में मिली. पहिले खालि बैंके का मार्फत दिहल जात रहे.
0 Comments