खबर एक नजर में (19 जून 2011)

by | Jun 19, 2011 | 0 comments

भ्रष्टाचार के विरोध में जुलूस निकाले वाल लोग गिरफ्तार

केन्द्र सरकार तय कर लिहले बिया कि अब केहु के भ्रष्टाचार का खिलाफ कवनो तरह के आन्दोलन, प्रदर्शन, धरना, अनशन ना करे दिहल जाई. काल्हु दिल्ली का राजघाट से निकलल अइसनके एगो जुलूस के, जवना के नेतृत्व गोविन्दाचार्य करत रहले, जंतर मंतर चहुँपे से पहिलही रोक दिहल गइल आ जुलूस में शामिल लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल. जुलूस निकले से पहिले आपन संबोधन देत गोविन्दाचार्य के कहना रहे कि भ्रष्टाचार विरोधी आन्दोलन के राष्ट्रव्यापी बनावल जाई आ एकरा खातिर काम करत हर आदमी आ संगठन के एकजुट कइल जाई.


अन्ना हजारे के अनशन ना करे दिहल जाई

केन्द्र सरकार साफ कह दिहले बिया कि अब अन्ना हजारे के अनशन ना करे दिहल जाई. अन्ना हजारे कहले बाड़न कि तब ऊ जेल जाये खातिर तइयार रहीहें बाकिर अनशन आन्दोलन त करबे करीहन. कहलन कि उनुका केहू के डर नइखे लागल. लोकपाल बिल पर कोना में घेराइल केन्द्र सरकार अब एह मुहिम में सर्वदलीय बईठका बोलावे के सोचत बिया. कांग्रेस पार्टी सरकार से कहले बिया कि एह मामिला में हर राजनीतिक दल के राय जानल जाव आ ओकरा बादे मसौदा अन्तिम बनावल जाव. शायद ओकरा उमेद बा कि ना नौ मन तेल होई ना राधा के नाचे के पड़ी.


दहेज हवे कि दोसर कवनो धन

झारखंड के घोटालाबाज पूर्व मंत्री कमलेश सिंह, जे आजु काल्हु जेल में बाड़े, के बेटी दामाद का संयुक्त खाता में सात बेर में थोड़ थोड़ करके साल दू हजार सात आठ में सवा करोड़ रुपिया जमा भइल रहे. बाद में ओहमें से पचास लाख रुपिया कमलेश सिंह का बेटा सूर्य सोनल का खाता में ट्रांसफर करावल गइल रहे. कमलेश सिंह के बेटी के शादी महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता कृपाशंकर सिंह का बेटा से भइल बा आ शादी अपना शाही खरचा खातिर ढेरे चरचा मे रहुवे. कमलेश सिंह आमदनी से बेसी के संपति मामिला में जेल में बन्द बाड़े.


बिहार में पहचान पत्र बनावे खातिर डाकघर के तइयारी

बिहार में नागरिक पहचान पत्र बनावे खातिर जुलाई का दूसरा हफ्ता से राज्य के तीन सौ डाकघर में एकर काम शुरु हो जाई. एह नागरिकता पहचान पत्र “आधार” बनावे खातिर अपना आवेदन में लोग के पूरा जानकारी विस्तार से देबे के पड़ी आ ओह लोग के अंगुरी के निशान आ आँखि के पुतली के फोटो लिहल जाई. हर पहचान पत्र पर ओह नागरिक के आपनो फोटो रही. एह पहचान पत्र के बहुद्देशीय बनावल जा रहल बा. अगिला पाँच साल में देश भर में साठ करोड़ लोग के पहचान पत्र बना देबे के लक्ष्य राखल गइल बा.


बिहार आ पूर्वांचल में मानसून चहुँप गइल

काल्हु से बिहार आ पूर्वांचल के कई इलाकन में रुक रुक के बरखा हो रहल बा. पूरा बिहार में मानसून के बरखा हो रहल बा. काल्हु पटना में पचीस मिलीमींटर बरखा नापल गइल बा. अगिला दू दिन में पूर्वांचल मे कई जगहा भारी बरखा के अनेसा बतावल गइल बा.


जौनपुर में सेना के बहाली

अगिला एक जुलाई से आठ जुलाई का बीच जौनपुर में सेना भरती रैली चले वाला बा. जौनपुर, गोरखपुर, सोनभद्र, आजमगढ़, मिर्जापुर, आ बलिया जिला के अभ्यर्थियन खातिर अलग अलग दिन तय कइल गइल बा. एह बहाली में तकनीकि सैनिक, क्लर्क, ट्रेड्स मैन वगैरह के बहाली होखे वाला बा.


बसपा नेता बॉबी गिरफ्तार

बसपा नेता इन्तजार आब्दी उर्फ बॉबी के काल्हु लखनऊ में गिरफ्तार कर लिहल गइल. बाबी पर समाज कल्याण विभाग के एगो कर्मचारी सैफ हैदर नकवी के हत्या करे के आरोप बा. पिछला दू मार्च के भइल एह हत्या का आरोप में दू गो अपराधियन के दिल्ली पुलिस गिरफ्तार कइले रहे. ओकनी के पूछताछ से पता चलल कि बॉबी एह हत्या के सुपारी दिहले रहुवे. इन्तजार आब्दी गन्ना संस्थान के अध्यक्ष रहलन आ रीता बहुगुणा के घर में आगजनी का बाद उनुका के पद से हटा दिहल गइल रहे. एही मामिला में गिरफ्तारी का बाद आब्दी जमानत पर रहलन.


यूपी में साढ़े आठ सौ से बेसी बीटीसी कालेज खोलल जाई

राष्ट्रीय अध्यापक शिक्षा परिषद उत्तर प्रदेश में आठ सौ पैंसठ गो नया बीटीसी कालेज निजी क्षेत्र में खोले के प्रस्ताव भेजले बा आ राज्य सरकार से अनापत्ति प्रमाणपत्र मँगले बा. एह कालेजन के खुल गइला का बाद राज्य में हर साल साठ हजार नया शिक्षक तइयार होखे लगीहन. अबही राज्य में संतानबे गो बीटीसी कालेज बाड़ी सँ जवना में कुल सोरह हजार सीट बा.


नेशनल हॉकी चैम्पियनशिप मुकाबिला आजु

भोपाल में खेलल जा रहल नेशनल पुरुष हॉकी चैम्पियनशिप के फाइनल मुकाबिला आजु हरियाणा आ कर्नाटक का बीच खेलल जाई. तिसरका जगह खातिर होखे वाला मैच में पंजाब आ झारखण्ड का बीच फैसला होई. दुनु मैचे आजुवे होखे वाला बा.


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up