खबर एक नजर में (23 जून 2011)

by | Jun 23, 2011 | 0 comments

हत्यारोपी डाक्टर सचान के जान गइल

लखनऊ के दू दू गो सीएमओ के हत्या करवावे का आरोप में जेल में बन्द डा॰ वाई॰ एस॰ सचान के काल्हु जान चल गइल. कइसे, काहे पर सवाल उठावल जा रहल बा. पुलिस के कहना बा कि ऊ खुदकुशी कर लिहले. भाजपा माँग कइले बिया कि एह मामिला के जाँच सीबीआई से करावल जाव. स्वास्थ्य सेवा में हो रहल बड़हन घोटाला के पर्दाफाश ना हो पावे एह चलते डा॰सचान के मार देबे के आरोप लगावल जा रहल बा. डा॰ सचान के मौत का बाद अब पिछला दुनु सीएमओ के हत्या के राजफाश अब कबहू ना हो पाई.


सचान के पोस्टमार्टम से मामिला अझुराइल

जेल में बन्द डा॰ सचान के लाश के पोस्टमार्टम आजु सबेरे भइल जवना में बतलावल जात बा कि सचान का देह पर छह जगहा चोंट के गंभीर निशान बा आ उनुकर मौत देह से बहुत खून निकल गइला का चलते भइल रहे. पहिले पुलिस का तरफ से कहल गइल रहे कि सचान अपना बेल्ट से फाँसी लगा लिहले जवन कि सुनही में झूठ लागत रहे. सरकार जेल अधीक्षक समेत पाँच लोग के निलम्बित कर दिहले बिया. विरोधी दल मामिला के सीबीआई जाँच करावे के माँग करत बाड़न. कहल जा रहल बा कि स्वास्थ्य योजना में तीन हजार करोड़ के घोटाला भइल बा. तय बा कि अतना बड़हन घोटाला में सरकार के मंत्रियन का साथे बहुते डाक्टरो लोग शामिल रहल होई. शायद एही चलते तीन तीन गो डाक्टरन के हत्या का बादो यूपी आईएमए आ पीएमएस चुप्पी लगा के बइठल बा लोग. कहीं कवनो खबर नइखे आवत जवना से कि पता चलो कि ऊ लोग एह मामिला से दुखी बा भा जाँच करवावल चाहत बा.


मानवाधिकार आयोग के रिपोर्ट राहुल गाँधी के झूठ खोल दिहलसि

राहुल गाँधी आरोप लगवले रहले कि भट्टा परसौल में औरतन का साथे बदसलूकी भइल रहे बाकिर राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग अपना जाँच का बाद कहले बा कि अइसनका कवनो बदसलूकी ना भइल रहे. निघासन थाना में लड़िकी का साथे बलात्कारो के बात आयोग झूठ बतवले बा. अब कांग्रेस के लोग मामिला के कवनो पदासीन न्यायाधीश से जाँच करवावे के माँग करत बाड़े.


लोकपाल बिल पर एक राय ना बन पावल

काल्हु सरकार आ सिविल सोसाइटी का बीच लोकपाल बिल के मसविदा तइयार करावे खातिर भइल आखिरिओ बईठका में कवनो एक राय ना बन सकल. सरकार कवनो सूरत में प्रधानमंत्री, न्यायापालिका, आ सांसदन के लोकपाल का निगरानी में देबे के तइयार नइखे. जबकि सिविल सोसाइटी के लोग एह खातिर अड़ल बा. अब अन्ना हजारे १६ अगस्त से फेर आपन आन्दोलन शुरु करे जा रहल बाड़े. कहले कि उनुका अपना जान के कवनो डर नइखे. आगे नाथ ना पाछा पगहा. उनुका कवनो बात के चिन्ता नइखे. बाबा रामदेव के समर्थकन से कहल गइल बा कि अन्ना के आन्दोलन में पूरा सहयोग देव लोग.


फेर लागल यूपी में सिपाहियन पर बलात्कार के आरोप

उत्तर प्रदेश में एने लगातार कुच ना कुछ अइसन हो जा रहल बा कि संदेह होखे लागत बा कि एहिजा कानून के राज चलत बा कि थाना पुलिस प्रशासन के मनमर्जी. अतवार का रात घोसी थाना के पिढ़वल रोड पर एगो ढाबा में अपना रिश्तेदारन का साथे खाना खाये गइल औरत का साथे होटल मालिक सिपाहियन का साथे बलात्कार कइलसि. संगे आइल रिश्तेदारन के पुलिस मार पीट के भगा दिहलसि. एसपी के कहना बा कि औरत के मेडिकल जाँच करावल जा रहल बा आ दुनु सिपाहियन के चिन्हे के कोशिश हो रहल बा. आरोप सही मिलला पर कार्रवाई जरुर होखी.


भोजपुरी मेधा के सम्मानित करीहें मनोज तिवारी

भोजपुरी सितारा मनोज तिवारी अब अपना संस्था “लक्ष्य” का मार्फत भोजपुरी मेधा के सम्मानित करे के योजना बनावत बाड़े. शुरुआत करीहें बलिया के होनहारन के सम्मान से जवन बैरिया में आयोजित कइल जाई. साथ ही ऊ के बनी सुपर स्टार नाम के कार्यक्रम चलावे के योजना बना रहल बाड़न.


दिग्विजय सिंह स्टेपनी हउवन

भाजपा में वापिस लवटल उमा भारती काल्हु पत्रकारन से बतियावत कहली कि दिग्विजय सिंह के यूपी में कवनो खास महत्व नइखे. ऊ राहुल के स्टेपनी भर हउवन. कहली कि भाग्य का फेरा ह कि ऊ हारे खातिर हमरा सामने आ पड़ जालन. साल २००३ में मुख्यमंत्री रहत हमरा से हरले. बिहार में ऊ संप्रग प्रभारी रहले हम भाजपा के. आ अब यूपी में ऊ कांग्रेस के प्रभारी बाड़न आ हम भाजपा के. कहली कि मंदिर आ हिन्दुत्व भाजपा के आस्था ह बाकिर अगिला चुनाव भ्रष्टाचार आ कानून अव्यवस्था का नाम पर लड़ल जाई. कहली कि मायावती के एह बात के जबाब देबे के पड़ी कि केन्द्र से कतना धन मिलल आ ओकरा के कहाँ इस्तेमाल कइल गइल.


नीतीश का प्रस्ताव से केन्द्र परेशान

बिहार में विधायक निधि खतम कर चुकल नीतीश कुमार अब केन्द्र से कहले बाड़न कि सांसद निधि के इस्तेमाल के केन्द्र खुद देखो. बिहार सरकार का लगे अधिकारियन के कमी बा आ ऊ केन्द्रीय योजना के देखभाल ना कर सकसु. एह प्रस्ताव से केन्द्र परेशान बा काहे कि ऊ कवनो एगो योजना खातिर कर्मचारियन के कैडर खड़ा कइल नइखे चाहत. अब नीतीश सरकार से विकास का नाम पर मान जाये के कहल जा रहल बा काहे कि सांसद निधि से हर साल राज्य के २८० करोड़ रुपिया मिले वाला बा.


महिला आरक्षण पर सर्वदलीय बईठका बेनतीजा

काल्हु दिल्ली में बोलावल सर्वदलीय बईठका में महिला आरक्षण पर कवनो एक राय ना बन सकल. मुलायम के पार्टी सपा आ मायावती के पार्टी बसपा एह बईठका में शामिले ना भइल. राजद आ जदयू बईठका में शामिल त भइले बाकिर आपन पुरनके राय दोहरवले कि महिला कोटा में पिछड़ा वर्ग खातिर अलग से कोटा दिहल जाव. अब एह बात पर दुबारा सर्वदलीय बइठक बोलावल जाई. तीन जुलाई के लोक पाल बिल पर विचार करे खातिर सर्वदलीय बईठक बोलावल गइल बा. ओकरो कवनो नतीजा नइखे निकले वाला. काहे कि जब पहिले से तय होखी कि बतिया पंचे के रही बाकिर खूंटवा रहिये पर रही त दोसर का हो सकेला.


पहिला टेस्ट में हार जीत का बीच १९५ रन भा सात विकेट

वेस्ट इंडीज का साथ हो रहल पहिलका टेस्ट मैच में भारत तिसरका दिने २५२ रन बना के आउट हो गइल. एहसे पहिले अपना पहिलका इनिंग्स में भारत २४६ रन आ वेस्ट इंडीज १७३ रन बनवले रहे. काल्हु तिसरका दिने खेल खतम होखे तक वेस्ट इंडीज तीन विकेट का नुकसान पर १३१ रन बना लिहले रहुवे आ अब ओकरा जीत खातिर १९५ रन बनावल बाकी बा जवन तनी मुश्किल लागत बा. भारत के जीत खातिर सात गो विकेट अउरी चटकावे के बा जवन पिच देखत संभव बुझात बा. काल्हु भारत का पारी में राहुल द्रविड़ फेर शतक बना के भारत के हालत ठीक बना दिहले. भारत के २५२ रन में राहुल ११२ रन बनवले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up