खबर एक नजर में (3 जुलाई 2011)

by | Jul 3, 2011 | 0 comments

लोकपाल बिल पर आम राय नइखे बन पावत

अपना अपना राजनीति का चलते देश के राजनीतिक दल लोकपाल मुद्दा पर एक राय नइखन हो पावत. होइयो ना सकेले. काल्हु अन्ना हजारे सोनिया गाँधी से भेंट कर के अपना मसविदा का बारे में उनुका के समुझावे के कोशिश कइले जे आजु पूरा देश के समुझावत बाड़ी, जिनका इशारा पर देश के प्रधानमंत्री तक नाचत बाड़े. अन्ना कहले कि संसद अगर उनुकर मसविदा नकार दी त ऊ मान लीहें बाकिर अगर गलत बिल संसद में पेश भइल, कहे के मतलब कि सरकारी पक्ष वाला, त ऊ फेर १६ अगस्त से अनशन पर बइठ जइहे. ओने राजग एह मसला पर होखे वाला सर्वदलीय बइठक में शामिल होखे के सकार लिहलसि बाकिर आपन राय ओहि मुद्दा पर दी जवन मसविदा कैबिनेट मंजूर कइले होखे. जबले सरकार आपन पत्ता ना खोली तब ले कवनो दल आपन पत्ता खोले के तईयार नइखन. वइसे लालू आ रामविलास, जयललिता वगैरह लोग प्रधानमंत्री के लोकपाल का दायरा से बाहर राखल चाहत बा. ई तीनो लोग मन ही मन प्रधानमंत्री बने के सपना पोसे वाला लोग ह. शिवसेना सर्वदलीय बईठक में शामिल होखे से इन्कार कइले बा काहे कि अन्ना बाल ठाकरे के आलोचना कर चुकल बाड़े. अन्ना के मायावती से मुलाकात के समय माँगल गइल बा. ओकरा बाद मायावती के रुख के अन्दाज लाग पाई.


मूख्य सतर्कता आयुक्त के नाम चुन लिहल गइल

काल्हु प्रधानमंत्री का आवास पर भइल बईठका में जवना में नेता विपक्ष सुषमा स्वराज आ गृह मंत्री पी चिदम्बरम शामिल रहलन देश के मुख्य सतर्कता आयुक्त के नाम पर सर्वसम्मति से फैसला हो गइल. नाम के अंतिम घोषणा अबही नइखे कइल गइल बाकिर संकेत मिलत बा कि रक्षा सचिव प्रदीप कुमार के एह पद पर नियु्कत कइल जाई. वइसे तीन गो नाम पर विचार भइल जवना में पूर्व गृह सचिव जी के पिल्लई आ पूर्व सदस्य रेलवे बोर्ड ए पी मिश्रा के नाम शामिल रहल. चार महीना पहिले दागी सतर्कता आयुक्त पी जे थामस के अदालत के आदेश पर हटा दिहल गइल रहे. थामस आजुओ अपना के निर्दोष बतावेले. थामस के चयन नेता विपक्ष के विरोध का बावजूद कइल गइल रहे.


कांग्रेस अपने घर सम्हारे में लागल बिया

पिछला दिने वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के खिलाफ जासूसी के खबर सार्वजनिक हो गइला का बाद गृह मंत्रालय आ वित्त मंत्रालय का बीच के विवाद सझुरावे में आ दरी का नीचे लुकावे में कांग्रेस ढेरे हलकान रहल. अब आंध्र प्रदेश में तेलंगाना मुद्दा पर भइल विद्रोह के आग कइसे बुतावल जाव एहमें कांग्रेस लागल बिया. संसद सत्र में जासूसी प्रकरन आ लोकपाल बिल पर सरकार के परेशान होखल तय बा. तेलंगाना मुद्दा पर तेलंगाना क्षेत्र से कांग्रेस के सगरी पदाधिकारी, विधायक आ सांसद आपन इस्तीफा देबे के एलान कइले बाड़न.


जेएनयू में बिहार यूपी के बहुतायत से चिंतित बाड़े कम्प्ट्रोलर एण्ड आडिटर जेनरल

कम्प्ट्रोलर एण्ड आडिटर जेनरल के एह बाति के चिंता बा कि पूरा देश के विद्यार्थियन के पढ़ावे खातिर स्थापित जेएनयू में बिहार यूपी के विद्यार्थी भर गइल बाड़े आ बाकी देश से बहुत कम विद्यार्थियन के एह विश्वविद्यालय में प्रवेश मिल रहल बा. विदेशी छात्रन खातिर निर्धारित सीटो में से आधा से बेसी खाली रहत बाड़ी सँ. अतने ना विश्वविद्यालय आधे सीट पर नामांकन ले रहल बा. विश्वविद्यालय में वित्तीय गड़बड़ीओ के प्रमाण मिल रहल बा.


मुंगेर में नक्सलियन के हमला

परसो मुंगेर के धरहरा में नक्सली हमला कर के छह लोग के जान से मार दिहले रहले सँ आ ग्यारह जने के पकड़ि के ले गइल रहले सँ. ओह लोग के काल्हु राति छोड़ दिहल गइल बा. पुलिस के कहना बा कि ओकरा दबाव का चलते नक्सली ओह लोग के रिहा कर दिहले. मारल गइल लोग के चार चार लाख के मुआविजा देबे के एलान भइल बा जवना में तीन लाख केन्द्र का तरफ से आ एक लाख राज्य का तरफ से दिहल जाई. गाँव बहुत पहिले से नक्सलियन का निशाना पर रहल काहे कि ओहिजा के लोग नक्सल आंदोलन में शामिल ना होत रहले आ नक्सलियन के लेवी ना देत रहले. बार बार कहला का बादो गाँव में पुलिस चौकी ना बनावल गइल रहे. अब साँप के निकल गइला का बाद हमेशा का तरह लाठी पिटात बा..


छपरा सिवान गोपालगंज में रोजगार मेला

काल्हु से छपरा प्रमुंडल में रोजगार मेला आयोजित होखे जा रहल बा. चार जुलाई के छपरा में, पाँच के सीवान में आ छह के गोपालगंज में मेला लगावल जाई जवना में कई गो निजी कंपनी आके एके जगहा से आपन कर्मचारी चुनीहे. बेरोजगार लोग अपना बायोडाटा आ सगरी प्रमाणपत्र का साथे एह मेला में शामिल होके ओह कंपनियन में नौकरी पा सकेले. छपरा में हवाई अड्डा परिसर में, सीवान में बी एम इंटर कालेज कैंपस में आ गोपालगंज का एम एम उर्दू हाई स्कूल का कैंपस में ई नियोजन मेला लगीहे सँ.


आईआईएम में अब बारहवीं का बादे प्रवेश मिल सकेला

आईआईएम इंदौर में अगिला सत्र से पाँच साल के समन्वित पाठ्यक्रम का तहत बारहवीं का बाद प्रवेश दिहल जाई. अबले स्नातक कर लिहला का बादे प्रवेश मिलत रहे. लॉ में ई प्रणाली पिछला कई साल से चल रहल बा आ नेशनल लॉ यूनिवर्सिटियन में पाँच साल के कोर्स में प्रवेश खातिर क्लैट के आयोजन होखल करेला. पाँच साल के पाठ्यक्रम का बाद बी ए एल एल बी के उपाधि दिहल जाले. इंदौर आईआईएम के एह फैसला का बाद हो सकेला कि बाकिओ आईआईएम में धीरे धीरे ई पाठ्यक्रम शुरु हो जाव.


बैंक आपन ब्याज दर बढ़ावल शुरु कइले

रिजर्व बैंक के कई बेर के बढ़ोतरी का बाद मजबूर होके कुछ बैंक अब आपन ब्याज दर बढ़ावल शुरु कर दिहले बाड़े. अबहि आईसीआईसीआई बैंक, इण्डियन ओवरसीज बैंक, आ देना बैंक अपना ब्याज दर में चौथाई फीसदी के बढ़ोतरी कर दिहले बाड़न. बाकिओ बैंक जल्दिये ब्याज दर बढ़ा दीहें जवना का बाद मकान भा गाड़ी खरीदे खातिर बेसी सूद पर कर्जा लेबे के पड़ी.


मौसम का गड़बड़ी से टेस्ट मैच ड्रा

वेस्टइंडीज का साथे भइल दुसरका टेस्ट मैच खराब मौसम के बलि चढ़ गइल. भारत अपना पहिला पारी में २०१ रन बना के आउट भइल रहे त दुसरका पारी में छह विकेट का नुकसान पर २६९ रन बना के पारी खतम होखे के जोखिम भरल एलान कर दिहलसि. बाकिर तबहियो मैच ड्रा हो गइल. वेस्ट इंडीज पहिला पारी में १९० रन पर आउट हो गइल रहे आ काल्हु खेल खतम होखे के बेरा सात विकेट का नुकसान पर २०२ रन बना लिहले रहुवे. ईशांत शर्मा के मैन आफ दि मैच घोषित कइल गइल.


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up