खबर एक नजर में (8 जून 2011)

by | Jun 8, 2011 | 0 comments

अन्ना हजारे के अनशन

बाबा रामदेव के आन्दोलन पुलिसिया ताण्डव से बन्द करवला का खिलाफ अन्ना हजारे आज राजघाट पर अनशन करीहें. केन्द्र सरकार उनुका के जंतर मंतर पर अनशन करे के अनुमति ना दिहलसि त ऊ सरकार से बिना वजह टकराव टारत राजघाट पर अनशन पर बइठीहें. हालांकि उनकर मानना बा कि जंतर मंतर पर शांतिपूरंण प्रदर्शन के अनुमति ना दिहल जनता के लोकतांत्रिक अधिकारन के हनन बा.


उमा भारती खातिर भाजपा दरवाजा खोल दिहलसि

प्रखर वक्ता आ मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल उमा भारती के फेर से भाजपा में शामिल कर लिहल गइल. छह साल पहिले उनुका के निकला दिहल गइल रहे त ऊ आपन भाजपा, भारतीय जनशक्ति पार्टी, बना के मैदान में उतरल रही बाकिर सफलता ना मिल सकल रहे. छह साल अलगा रहला का बावजूद उमा के विचारधारा में कवनो बदलाव भा बहकाव ना भइल रहे एहसे उनुकर वापसी एकदम सहज रही. उमा के जिम्मा दिहल गइल बा कि ऊ युपी में भाजपा के प्रचार करसु. उमा के वापसी पर टिप्पणी करत कल्याण सिंह के कहना बा कि एहसे कवनो अंतर नइखे पड़े वाला. अब भाजपा के केहू ना बचा सके. ऊ हारे वालन के पार्टी बनि के रहि गइल बिया. कल्याण सिंह आपन दुबारा वापसी के कवनो संभावना से साफ इन्कार कर दिहलन.


हिरासत में मौत का बाद मजिस्ट्रेटी जाँच

गाजीपुर जिला के दिलदारनगर थाना में सोमार के राति एगो बूढ़ आदमी के हिरासत में मौत का बाद थाना प्रभारी समेत छह पुलिसवालन के निलंबित कर दिहल गइल बा आ मामिला के मजिस्ट्रेटी जाँच के आदेश दे दिहल गइल बा. जनता में नाराजगी देखत अगल बगल के कई थाना के पुलिस दिलदारनगर थाना पर बोला लिहल गइल बा. फुल्ली गाँव में सिकन्दर नाम के एगो आदमी दोसरा का छत पर चढ़ल रहे. हल्ला का बाद पड़ोस के एगो लड़िका से हाथा पाई हो गइल त सिकन्दर थाना जा के शिकायत कर दिहलसि कि शंभू कुशवाहा आ ओकर बेटा बिजेन्द्र ओकरा के मरले पिटले. थाना प्रभारी तब दुनु के ले आके हिरासत में बन्द कर दिहले जहाँ बूढ़ शंभू के मौत हो गइल.


यूपी के तइयारी बा तब दिल्ली के बारी बा

आगरा में भइल सपा के राष्ट्रीय अधिवेशन में मुलायम सिंह कहले बाड़े कि उनुका पार्टी सपा के लक्ष्य अगिला साल विधानसभा के चुनाव जीत के अकेले सरकार बनावे के बा आ ओकरा बाद साल २०१४ में लोकसभा चुनाव में एह हालत में आ जाये के बा कि उनुका बिना कवनो सरकार ना बनि सके. सपा इहो माँग करत बिया कि सरकारी नौकरियन में मुसलमानन खातिर आरक्षण दिहल जाव. मनमोहन सिंह के सरकार के अबतक के सबले भठियारा सरकार बतवले. मुलायम सिंह के आठवाँ हाली राष्ट्रीय अध्यक्ष चुन लिहल गइल बा.


बाबा रामदेव का चलते डीजल किरासन के दाम ना बढ़ावल गइल

बाबा रामदेव के आन्दोलन का चलते बैकफुट पर आइल केन्द्र सरकार के हिम्मत ना भइल कि एह माहौल में डीजल आ किरासन तेल आ रसोई गैस के दाम बढ़ा सके. एह चलते बियफे के होखे वाला मंत्रीसमूह के बइठक रद्द कर दिहल गइल जवना में एह दाम बढ़ावे पर विचार होखे वाला रहल. सरकार के डर बा कि बाबा रामदेव आ अन्ना हजारे के आंदोलन वाला माहौल से जनता पहिलही से मोर्चा खोलले बिया. एहमें दाम बढ़ा आग अउरी लहकावल ठीक ना रही.


ठनका गिरला से चार जने के मौत

काल्हु बिहार में दु जगहा ठनका गिरला से चार जने के मौत के खबर बा. भागलपुर के दरियापुर गाँव में तीन आदमी आ पूर्वी चंपारण के तुरकौलिया थाना के तनसरिया गांव में एक आदमी के मौत हो गइल. काल्हु दुपहरिया में आइल तेज आँधी का बाद बिहार आ पूर्वांचल के लोग के भयंकर गरमी से राहत मिलल बा, हालांकि करीब साठ किलोमीटर का रफ्तार से चलल तेज हवा का चलते कुछ जगहा नुकसानो भइल बा.


खेल समाचार

ओवल का मैदान पर वेस्ट इंडिज का साथे दुसरका एकदिना मैच आजु.
रोजर फेडेरर के हरा के रफेल नदाल फ्रेंच ओपन के पुरुष एकल खिताब जीतले.
हवाना में चल रहल बाक्सिंग टूर्नामेंट में भारत के मनप्रीत सिंह के रजत पदक आ ननाओ सिंह अउर सुरंजय सिंह के कांस्य पदक मिलल.
गैरी कर्स्टन दक्खिन अफ्रीका क्रिकेट टीम के कोच बनले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up