टटका खबर, अतवार, ११ मार्च २०१२

by | Mar 11, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • रालोद नेता जयंत चौधरी के अपना सम्मान लायक नइखे लागत यूपी के विधायकी. संसद बनल रहे के संकेत देत बाड़न. कांग्रेस का साथ मिल के चुनाव लड़त घरी रालोद उनुका के अगिला मुख्यमंत्री बतावत रहुवे. बाकिर पिछलो बेर ले कम सीट जीतला का बाद मन टूट गइल बा रालोद के.
  • ईमानदारी से चुनाव ना होखे के अनेसा देखत बसपा तय कइलसि कि ऊ स्थानीय निकायन के चुनाव ना लड़ी. अतने ना अगर बसपा के कवनो नेता भा पदाधिकारी चुनाव लड़ी त ओकरा के पार्टी से निकाल देबे के बात कहले बाड़ी मायावती.
  • सपा राज आवते गुण्डाराज के वापसी के बात कहत मायावती एह पर चिन्ता जतवली. कहली कि हाल में भइल चुनाव के सीधा असर केन्द्र के राजनीति पर पड़ी. जवना से लोकसभा के मध्यावधि चुनाव के अनेसा बन गइल बा.
  • बसपा के सगरी समितियन के आजु भंग कर दिहल गइल. बसपा अब अपना के फेर से सरिहाई.
  • बस्ती जेल में कैदियन आ बंदी रक्षकन का बीच भइल गोलीबारी में तीन गो कैदियन के मौत हो गइल. प्रशासन हालात काबू में बतावत बा.
  • मेरठ आ लखनऊ का बीच आजु से एगो नया राज्यरानी एक्सप्रेस शुरू हो गइल जवन मेरठ से सबेरे चार पचपन पर खुली आ एक बजे लखनऊ चहुँपी. लखनऊ से दू बज के अड़तीस मिनट पर खुली आ रात साढ़े दस बजे मेरठ चहुँपी.
  • मिर्जापुर में काल्हु एगो नया बिआहल मरद मेहरारू के मौत गंगा नदी में नहात घरी डूबला का चलते हो गइल. दुनु के लाश मिल गइल बा. विंध्याचल में देवी दर्शन से पहिले ई लोग नदी में नहाये गइल रहुवे.

बिहार

  • बिहार सरकार मोतिहारी में केन्द्रीय विश्वविद्यालय चाहत बिया जबकि केन्द्र गया में बनावल चाहत बिया. एह विवाद में कपिल सिब्बल के कहना बा कि विश्वविद्यालय अइसनका जगहा बनो जवन वायुमार्ग समेत दोसरो यातायात के सुविधा से जुड़ल होखे. एह से गया के बढ़िया जगह मानल जात बा.
  • सिवान का बैकुंठपुर में काल्हु लागल आगलगी से चार गो घर स्वाहा हो गइल.
  • काल्हु सारण का एकमा में जमीन के झगड़ा में दु गो फरीक में गोलीबारी हो गइल. बतावल जात बा कि एकमा के डा॰ एस कुमार एगो जमीन घेरवावत रहले तबले कामेश्वर सिंह मुन्ना अपना साथियन का साथ चहुँप गइले काम रोकवावे खातिर. बाद में पुलिस चहुँपल आ दुनु फरीक से शांति से रहे के कहलसि. पुलिस मामिला देखत बिया कि केकर जमीन हऽ.
  • शनिचर के भइल कोआपरेटिव बैंक के रुपिया लूट मामिला में अबही ले चार जने गिरफ्तार भइल बाड़न जवना में बैंक के एगो कर्मचारियो शामिल बा. पुलिस के अबही ले लूट के रुपिया हाथे नइखे लागल.

देश

  • मध्य प्रदेश के एगो मंत्री कैलाश विजय वर्गीर पिछला दिने मारल गइल आईपीएस नरेन्द्र कुमार के परिवार वालन के चेतवलन कि सरकार पर अनर्गल आरोप लगावल बंद करे लोग. कहलन कि ई कांग्रेस के साजिश का चलते भइल बा.
  • केन्द्रीय मंत्री पी चिदम्बरम के नाम देवास एंट्रिक्स घोटाला में आवे लागल बा. पिछला कुछ समय से चिदम्बरम के नाम लगातार कवनो ना कवनो घोटाला में आवत रहत बा.
  • राजग में शामिल भइल सुब्रह्मण्यम स्वामी के जनता पार्टी आ रामदास अठावले के पार्टी आरपीआई.
  • आरएसएस चेतवलसि कि अगर भाजपा के रंगढंग ना बदलल त साल २०१४ के चुनावो में ओकरा सफलता ना मिल पाई.
  • उत्तराखंड में कांग्रेस आजुओ आपन नया नेता ना चुन सकल जवना से ओहिजा राजनीतिक अनिश्चितता के माहौल बनल बा. एह बीच बसपा के तीन गो विधायक कांग्रेस के बत्तीस गो विधायक वाला दल के आपन समर्थन देबे आ सरकार में शामिल रहे के बाति कहले बाड़न. दिक्कत अब बहुमत के नइखे, कांग्रेस के आपसी गुटबाजी के.
  • उत्तराखंड से राज्य सभा के अकेला खाली सीट के चुनाव के एलान हो गइल बा. ई सीट सत्यव्रत चतुर्वेदी के कार्यकाल पूरा भइला का बाद खाली भइल बा. अबही जवन हालत बा तवनो में ई सीट कांग्रेसे उम्मीदवार जीती.
  • मणिओपुर में कांग्रेस विधायक दल अबही ले आपन नेता नइखे चुन पवले. मणिपुर में कांग्रेस के अपार बहुमत बा.
  • पंजाब में मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण समारोह के तइयारी का साथही राजनीतिक भूकंपो आवत लागत बा. एह समारोह के नेवता दोसरो मुख्यमंत्रियन का साथे ममतो बनर्जी के भेजल गइल बा जवना पर कांग्रेस का तरफ से धीरावल गइल बा कि ममता लक्ष्मण रेखा मत लाँघसु. बाकिर बतावल जात बा कि तृणमूल आपन प्रतिनिधि भेजी एह समारोह में शामिल होखे खातिर.
  • हरियाणा में जाट नेता आरक्षण आंदोलन के आजु रोक दीहें काहे कि हरियाणा सरकार गिरफ्तार बवालियन के रिहा करे खातिर मान गइल बिया. रिहाई का बाद ओह युवक के अंतिम संस्कार करा दिहल जाई जवन पुलिस के कार्रवाई में मारल गइल रहुवे.
  • महाराष्ट्र में शिव सेना विधायक आ मंत्री रहल सुरेश जैन के साल २००६ के घारकुल आवास योजना घोटाला मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • मुम्बई के जहरीला रंग मामिला में अबही ले पाँच जने के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • अण्डमान निकोबार में आजु भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा. जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नइखे.

दुनिया

  • पाकिस्तान का पेशावर में एगो कब्रिस्तान में नमाजे जनाजा पर भइल फिदायीन हमला से नाहियो त एक दर्जन लोग मरा गइल बा आ तीस जने घवाहिल हो गइल बाड़े. बतावल जात बा कि हमला के निशाना रहलन खैबर पख्तूनख्वा सूबा के एसेम्बली के डिप्टी स्पीकर खुशदिल खान.
  • गाजा पर भइल ईजरायली हवाई हमला में मरे वालन के गिनिती बढ़ि के सतरह हो गइल बा.
  • सीरिया में हालात शांत करे का कोशिश में संयुक्त राष्ट्र के विशेष दूत कोफी अन्नन आजु दुसरका बेर राष्ट्रपति बशर अल असद से भेंट करीहे.
  • नेपाल में आंदोलन करत शिक्षक बेमियादी हड़ताल पर गइलन.

खेल

  • पाकिस्तान बांगला देश के २१ रन से हरा दिहलसि.
  • ११वां एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट के पहिला एकदिना आजु ढाका में पाकिस्तान आ बांगलादेश का बीच खेलल जात बा. पहिले खेलत पाकिस्तान २६३ रन के निशाना दिहले बा बांग्लादेश के.
  • नेपाल में होखत एएफसी कप फुटबाल मैच में मालदी्व नेपाल के एक शुन्य से हरा दिहलसि.

बिजनेस

  • दुनिया के अनिश्चित आर्थिक माहौल का बावजूद भारत में पिछला साल २७ अरब ५० करोड़ डॉलर के सीधा विदेशी निवेश भइल जवन साल २०१० का मुकाबले ३१ फीसदी अधिका बा.
  • भारत के एगो व्यापार प्रतिनिधि मण्डल ईरान में व्यापार संभावना खोजे खातिर काल्हु तेहरान चहुँपल. ई लोग चाहत बा कि भारत से ईरान खातिर निर्यात बढ़ा के व्यापार अंसतुलन सुधारल जाव.
  • भारत के कालीन निर्यात में एह साल २५ फीसदी बढ़ोतरी के उमेद जतावल जात बा.
  • रिजर्व बैंक सीआरआर में ०.७५ फीसदी प्वायंट के कटौती कइलसि. एह से बैंक अब आपन ब्याज दर घटा सकेले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up