टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 5 अगस्त

by | Aug 5, 2011 | 0 comments

बिहार

  • अगिला दू तीन दिन बिहार, उत्तर प्रदेश में भारी बरखा के अनेसा बा.
  • शुक का दिने पटना में अन्ना हजारे के समर्थक लोकपाल विधेयक के सरकारी मसौदा के प्रतियन के जरा के एगो कड़क लोकपाल विधेयक ले आवे के मांग कइले.
  • बिहार के भागलपुर जिला में ‘काम का बदले अनाज’ योजना में गड़बड़ी मिलला पर जिला प्रशासन लगभग 250 दुकानदारन का खिलाफ कार्रवाई के अनुशंसा कइले बा.
  • पटना के चर्चित बस व्यवसायी रविकांत चौधरी के हत्या के आरोपी आ 50,000 रुपिया के इनामी बदमाश के पुलिस शुक का दिने गया जिला के इमामगंज थाना क्षेत्र से गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • बिहार सरकार अपना कर्मचारियन के घर बनावे खातिर नाम मात्र का ब्याज पर तीस लाख रुपिया तक के कर्जा दीही.
  • बिहार के राज्यपाल देवानंद कुंवर के कहना बा कि कुलपतियन आ प्रतिकुलपतियन के नियुक्ति मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से विचार विमर्श का बाद कइल गइल बा. कुछ लोग के गलतफहमी बा कि प्रदेश में पी के शाही के सरकार बा जवना चलते एह पर सवाल उठावल जात बा.
  • सेकेण्डरी आ हायर सेकेण्डरी स्कूलन में शिक्षक बहाली खातिर टीईटी परीक्षा लिहल जाई जवना के फार्म अठाईस अगस्त से मिली. एह परीक्षा के संचालन बिहार विद्यालय परीक्षा समिति करी.

यूपी

  • सपा पर पलट वार करत बसपा ओकरा छह गो विधायकन के बसपा में मिला लिहलसि. एकरा पहिले सपा बसपा के दू गो विधायकन के अपना पार्टी में मिलवले रहुवे.
  • उत्तर प्रदेश का मेरठ में एक ही परिवार के तीन लोग के हत्या धारदार हथियार से कर दिहल गइल. मरे वालन में दू गो नाबालिगो रहले. लाश शुक का सबेरे बरामद.
  • प्रदेश भर में घाघरा, शारदा, गंगा, आ राप्ती नदियन में बाढ़ आइल बा जवना से गोण्डा, बारा बांकी, लखीमपुर खीरी, बहराइच वगैरह जिलन में हालत गंभीर बनल बा.
  • प्रख्यात वैज्ञानिक पद्मश्री डा॰लालजी सिहं के काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के कुलपति बनावल गइल बा. डा॰ लालजी सिंह जौनपुर जिला के सदर तहसील के सिकरारा थाना इलाका के कलवारी गाँव के हउवन. ऊ एगारह अगस्त से आपन पदभार सम्हरीहे.
  • यूपी विधानसभा के सत्र आजु से शुरु भइल आ पहिलका दिने कांग्रस आ सपा के विधायकन के बवाल का चलते विधानमण्डल के दुनु सदन के बइठक स्थगिर करे के पड़ल. भाजपा युवा मोर्चा के लोग विधानसभा का बाहर जोरदार प्रदर्शन कइल जवना का बाद कुछ लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • इलाहाबाद में मोटरसाइकिल सवार दू गो अज्ञात हमलावर आईआईआईटी परिसर में घुसके एगो छात्र के गोली मार दिहले. ओकर हालत गंभीर बा.
  • उत्तर प्रदेश के बांदा जिला में बियफे का दिने एगो निजी स्कूल के वैन पलटला से एगो छात्र के मौत हो गइल आ करीब 10 गो छात्र घवाहिल हो गइले.
  • करोड़ों रुपिया के राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन (एनआरएचएम) घोटाला में लखनऊ के पूर्व सीएमओ ए.के. शुक्ला आ डिप्टी सीएमओ वाई.एस. सचान का खिलाफ सीबीआई मामला दर्ज कइले बिया. सचान के देह 22 जून के लखनऊ जेल का शौचालय में बेल्ट का फंदे से झूलत मिलल रहे.

देश

  • गृह मंत्री पी. चिदंबरम कहले बाड़े कि पृथक तेलंगाना राज्य के गठन का बारे में अबहियो आंध्र प्रदेश के चार गो पार्टियन के फैसला करे के बा. ओहू लोग के समय मिले के चाहीं. सभकर राय आ गइला का बाद सर्वदलीय बईठक बोला के फैसला लिहल जाई.
  • माकपा महासचिव प्रकाश करात शुक के कहले कि प्रधानमंत्रीओ के लोकपाल विधेयक के दायरा में ले आवल चाहीं. संसद में पेश लोकपाल विधेयक के प्रकाश करात कमजोर ‘लोकपाल’ बतवले.
  • वोट खातिर नोट मामिला के गिरफ्तार आरोपी संजीव सक्सेना आ सुहैल हिंदुस्तानी के न्यायिक हिरासत दिल्ली उच्च न्यायालय 18 अगस्त तक बढ़ा दिहलसि.
  • पश्चिम बंगाल अउर केरल में सत्ता से बेदखल होखला का बाद अपना भावी राजनीति पर चरचा करे खातिर माकपा के माथ नेता शुक का दिने एगो बईठका कइले.
  • खेल मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) अजय माकन कहले बाड़न कि राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में भइल अनियमितता पर सीएजी के रिपोर्ट स्वागतजोग बा आ कवनो दोषी के छोड़ल ना जाई.
  • नियंत्रक अउर महालेखा परीक्षक (सीएजी) के कहना बा कि देश के तटरक्षक का लगे 7,500 किलोमीटर लमहर तटीय सीमा के रक्षा लायक जरूरी शक्ति मौजूद नइखे.
  • मुम्बई के डब्बावाले हजारे के अनशन के आपन समर्थन दीहे.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल शुक का दिने राष्ट्रपति भवन के दरबार हॉल में राष्ट्रपति भवन पर एगो स्मृति डाक टिकट जारी कइली.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील कर्नाटक में कई गो सरकारी कार्यक्रमन में शामिल होखे खातिर तीन दिन खातिर बेंगलुरू पहुंचली.
  • करिया धन पर रोक लगावे के तरीका पर सुझाव देबे वाली समिति छह महीना में आपन रिपोर्ट सँउपी, बतवले वित्त राज्य मंत्री एस. पलाणिमणिक्कम.
  • माकपा से निष्कासित एगो नेता के घरे कई साल पहिले गइला खातिर केरल के पूर्व मुख्यमंत्री और माकपा नेता वी. एस. अच्युतानंदन पर विवाद हो रहल बा.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय शुक का दिने एयर इंडिया के पायलटन से 10 दिन के हड़ताल करे खातिर सार्वजनिक तौर पर माफी मांगे के कहलसि.
  • देश के चिकित्सा पर्यटन उद्योग का आकार 2015 ले बढ़के 10,800 करोड़ रुपिया के हो जाई. एह दौरान देश में इलाज करावे आवे वाला विदेशियन के गिनिती 32 लाख से बेसी हो जाई.
  • राष्ट्रमंडल खेल का समय शुरू भइल कनाट प्लेस के नवीकरण के काम आजु ले पूरा नइखे भइल आ एह पर अधिका खरचो हो रहल बा. कहलसि सीएजी.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय सुरेश कलमाडी के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में ऊ संसद के मानसून सत्र में शामिल होखे खातिर अदालत से अनुमति मँगले रहले.
  • दवा निर्माता कम्पनी रैनबेक्सी लेबोरेटरीज के मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही में शुद्ध लाभ पिछला साल के समान तिमाही का तुलना में 25 फीसदी कम रहल.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने कर्नाटक के बेल्लारी में लौह अयस्क खनन पर लगावल आपन रोक आंशिक रूप से हटा लिहलसि आ राष्ट्रीय खनिज विकास निगम के अपना दू गो पट्टा पर खनन शुरु करे के कहलसि.
  • सीएजी रेलवहू के कार्य-शैली पर सवाल उठवले बाड़न. सीएजी का रिपोर्ट में कहल गइल बा कि दूर-दराज का इलाकन में रेल पटरी बिछावे के काम पूरा होखे में बीसन साल के देरी हो चुकल आ अबहियो तय नइखे कि काम कब ले पूरा होई.
  • मध्य प्रदेश का मंदसोर जिला में अवैध शराब कारोबारी बियफे का रात छापा मारे आइल पुलिस दल पर हमला बोल दिहले सँ जवना से चार गो जवान घवाहिल हो गइले.
  • खनन क्षेत्र में प्रत्यक्ष विदेशी निवेश एहसाल पिछला साल से बेसी रहल. ई बाति सरकार लोकसभा में बतवलसि.
  • कांग्रेस नेता रेणुका चौधरी आ राशिद अल्वी के पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता बनावल गइल बा. पूर्व केंद्रीय मंत्री सुरेश पचौरी के पार्टी के शोध अउर समन्वय विभाग के प्रमुख बनावल गइल बा.
  • ‘भारी घपलाबाजी’ खातिर शीला दीक्षित आ कलमाडी जिम्मेदार : सीएजी
  • मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही में बिजली आपूर्ति में 6.6 फीसदी के कमी रहल सुशील कुमार शिंदे
  • देश भर के सार्वजनिक बैंक, कई निजी बैंक, विदेशी बैंक, क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक अउर सहकारिता बैंक के नौ गो कर्मचारी संघ के करीब 10 लाख कर्मचारी शुक का दिने हड़ताल पर रहले जवना चलते देश भर में आर्थिक गतिविधि में बाधा आइल.
  • महाराष्ट्र में एगो दिवालिया भइल बैंक के सैकड़ों जमाकर्ता बियफे का दिने आपन पइसा मँगले. बैंक के भारतीय रिजर्व बैंक अपना नियंत्रण में ले लिहले बा.
  • नई दिल्ली रेलवे स्टेशन से हवाई अड्डे का बीच एयरपोर्ट मेट्रो एक्सप्रेस लाइन पर भीड़भाड़ वाला समय में अब हर 15 मिनट पर ट्रेन चलावल जाई.
  • आपत्तियन का बावजूद पीएमओ राष्ट्रमण्डल खेल आयोजन समिति के अध्यक्ष पद पर कलमाडी के नियुक्ति कइलसि : सीएजी.
  • अंतर्राष्ट्रीय बाजार के नकारात्मक संकेत का चलते देश के शेयर बाजार में सेंसेक्स 387.31 अंक के गिरावट का साथ आ निफ्टी 120.55 अंक का गिरावट का साथ बंद भइळ.
  • एयर इंडिया प्रबंधन कहले बा कि सगरी कर्मचारियन के जून-जुलाई के वेतन के भुगतान सोमार तक कर दिहल जाई.
  • मध्य प्रदेश के छतरपुर जिला में फरार आरोपियन के पकड़े गइल पुलिसवालन के गाँववाले पिटाई कर दिहले आ सिपाहियन के वर्दीओ फाड़ दिहले.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला में आरोपित स्वान टेलीकॉम सीबीआई के विशेष अदालत में कहलसि कि ओकरा लाइसेंस ला बैंक गारंटी आ दस्तावेजन के जरूरत का बारे में पहिले से ना मालूम रहल.
  • ओडिशा का कंधमाल जिला के कोटगढ़ पुलिस चौकी में पड़त माटिकेड़ा गांव का लगे नक्सली दू आदमी के हत्या कर दिहले.
  • किसानन खातिर समय पर मौसम सम्बंधी चेतावनी जारी कइला से सरकार के सालाना 50,000 करोड़ रुपये के फायदा हो रहल बा.
  • जम्मू कश्मीर के सोपोर में पिछला दिने हिरासत में भइल एगो युवक के मौत का खिलाफ प्रदर्शन के आह्वान का बाद कईगो अलगाववादी नेता लोग के शु क का दिने घर में नजरबंद कर दिहल गइल.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में अनियमितता के आरोप से कानून मंत्री सलमान खुर्शीद मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के बचाव कइले बाड़न.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने कीटनाशक के हानिकारक प्रभावन के जाँच करे वाली समिति के विशेषज्ञन से इंडोसल्फान के निर्यात के मुद्दा पर सुझाव मंगलसि.
  • अजमेर जेल में उमिर कैद के सजा काटत 80 साल के एगो पाकिस्तानी नागरिक के दया याचिका राजस्थान के गृह विभाग मंजूर कर लिहलसि. अब उनका के जल्दिये रिहा कर दिहल जाई.
  • सीएजी रपट पर चर्चा खातिर आजु दिल्ली मंत्रिमंडल के बैठक होके जा रहल बा. रपट में मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के अनियमितता खातिर जिम्मेदार बतावल गइल बा.
  • हिमाचल प्रदेश में एगो बड़का सरकारी अधिकारी के रहे के बंगला बनावे खातिर ट्यूडर शैली में बनल एगो ब्रिटिश काल के मकान ढहा दिहल गइल.
  • अवैध खनन का आरोप में गिरफ्तार गोवा के एनसीपी नेता जीतेंद्र देशप्रभु के सीना में तकलीफ का शिकायत पर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.
  • तय समय में असम समस्या के समाधान चाहत बिया उल्फा.
  • कांग्रेस की राष्ट्रीय अध्यक्ष सोनिया गांधी के जल्दी ठीक होखे के कामना का साथ इंदौर के खजराना गणेश मंदिर में शुक का सबेरे से महामृत्युंजय जाप कइल जा रहल बा.
  • राज्यसभा में विपक्षी सदस्य राष्ट्रमंडल खेल आ उर्वरक सब्सिडी समेत पांच मुद्दन से जुड़ल सीएजी रपट के प्रति ना मिलला पर शुक का दिने नाराजगी जाहिर कइले. कहले कि सरकार घोटालन के दबाने में लागल बिया.
  • कश्मीर में संविदा पर बहाल शिक्षक पिछला एक हफ्ता से आपन मांग लेके अनशन पर बइठल बाड़े बाकिर केहू ओह लोग के सुधि नइखे लेत. असल में रमजान महीना में त लोग वइसही रोजा राखत बा.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के विदेश में सफल शल्य चिकित्सा का बाद उनुका स्वास्थ्य में सुधार हो रहल बा.
  • अब टीबी के पता लगावे खातिर पेशाब के जाँच के इस्तेमाल हो सकेला. ई बाति दिल्ली के ‘इंटरनेशनल सेंटर फॉर जेनेटिक इंजीनियरिंग एंड बायोटेक्नोलॉजी’ के वैज्ञानिक कहले बाड़न.
  • सर्वोच्च न्यायालय ‘वोट ला नोट’ मामिला के धीमा जांच खातिर शुक का दिने दिल्ली पुलिस के फटकार लगवलसि. दिल्ली पुलिस तीन हफ्ता के अउरी समय मँगलसि पूरा रिपोर्ट खातिर. अदालत जानल चाहत बिया कि रूपिया आइल कहाँ से.
  • 2010 दिल्ली राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में कथित अनियमितता पर नियंत्रक अउर महालेखा परीक्षक के रिपोर्ट आजु शुक का दिने संसद में पेश कइल जाई.
  • सार्वजनिक क्षेत्र के बैंकन के विनिवेश का खिलाफ आजु शुक का दिने देश भर के करीब 10 लाख सरकारी बैंककर्मी हड़ताल पर बाड़े.
  • दिल्ली में यमुना बैंक मेट्रो स्टेशन पर शुक का सबेरे एगो सीआईएसएफ जवान अपने महिला सहयोगी के गोली मारके हत्या कर दिहलसि आ बाद में अपनहु के गोली मार लिहलसि.
  • देश के शेयर बाजारन में आजु शुक का दिने शुरुआती कारोबार में तेज गिरावट का चलते सेंसेक्स में 342.80 अंक के गिरावट हो गइल.
  • मध्य प्रदेश में भाजपा संगठन अउर सरकार के अपने लोग बेसी परेशान कर के रखले बा.
  • लोक नायक जय प्रकाश अस्पताल के रेडियोधर्मी कचरा खुला में फेंकला आ लोग के जीवन खतरा में डाले का मामिला में नोटीस दिहल गइल बा.
  • सीबीआई के आपने 76 गो अधिकारी अलग अलग आरोपना का चलते कटघरा में बाड़न.
  • प्रणब मुखर्जी के बेटा अभिजीत मुखर्जी के कांग्रेस पार्टी के पश्चिम बंगाल इकाई के महासचिव बनावल गइल बा. एकरा अलावे उनुका के अखिल भारतीय कांग्रेस कमेटीओ के सदस्य बनावल गइल बा.
  • ‘सुरक्षा हित में’ सूचना के अधिकार (आरटीआई) कानून का दायरा से सीबीआई के बाहर राखल गइल बा.
  • झारखण्ड पुलिस महानिदेशक गौरी शंकर रथ के कहना बा कि नक्सलियन का खिलाफ आंदोलन में पश्चिम बंगाल सरकार के नरमी बरतला का चलते झारखण्ड सरकार के अभियान में बाधा आवत बा.
  • दिल्ली पुलिस बियफे का दिने वोट खातिर नोट मामिला में आपन जांच रिपोर्ट बन्द लिफाफा में सर्वोच्च न्यायालय के सँउप दिहलसि.
  • दूरसंचार कम्पनी स्वान टेलीकॉम दिल्ली उच्च न्यायालय के बियफे का दिने बतवलसि कि रेडियो आवृति वायुतरंग के सही बाजार दाम तय करे के अधिकार नियंत्रक आ महालेखा परीक्षक (सीएजी) का लगे नइखे.

दुनिया

  • कराची में हिंसा के असल कारण अफगान समस्या के बतवले प्रधानमंत्री गिलानी.
  • मध्य एशिया के ऊर्जा सम्पन्न किर्गिस्तान गणराज्य अपना देश में एही साल अक्टूबर में होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव के ठीक से करावे खातिर भारतीय चुनाव आयोग के सहयोग मँगले बा.
  • दक्षिण-पश्चिमी ईरान के एगो तेल पाइपलाइन में शुक का दिने विस्फोट हो गइल. कारण के अबही पता नइखे चलल. जाँच हो रहल बा.
  • निर्वासित तिब्बती धर्मगुरु दलाई लामा के नेपाल स्थित दूत, थिलेय लामा के उनुका निजी सचिव सुभाष आचार्य सहित पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • यिंगलक शिनावात्रा शुक का दिने थाईलैंड के पहिलका महिला प्रधानमंत्री बन गइली. शिनावात्रा के नेतृत्व में फेउ थाई पार्टी एक महीना पहले भइल चुनाव में जीतल रहे.
  • लीबिया में विद्रोही मुअम्मार गद्दाफी के बेटा के उत्तर अटलांटिक संधि संगठन के हवाई हमला में मरा जाये के दावा कइले बाड़े. लीबिया सरकार एह बाति के खारिज कइले बिया.
  • सुरक्षा बल से उत्पीड़ित आ शरणार्थी अधिकारन से वंचित नेपाल के असहाय तिब्बती शरणार्थी शुक का दिने सरकार से निहोरा कइले कि नयका संविधान में सगरी शरणार्थियन के अधिकार सुनिश्चित करावल जाय.
  • ब्राजील के रक्षा मंत्री नेल्सन जॉबिम इस्तीफा दे दिहले बाड़न. अब पूर्व विदेश मंत्री सेल्सो एमोरिम उनुकर जगहा लीहे.
  • चीन में एगो तीन साल के बच्ची बस में अकेले बंद रह गइल जवना से ओकर मौत हो गइल.
  • काहिरा स्थित अरब लीग के मुख्यालय पर कुछ अज्ञात व्यक्ति पेट्रोल बम से हमला कइले.
  • रउरा मानी चाहे ना, लेकिन दुनिया के सबले विकसित देश अमेरिका के हर सातवां नागरिक आजु जीये खातिर भोजनो ला सरकारी सहायता पर निर्भर बा.
  • रूसी राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव कहले बाड़न कि अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा से होखेवाला उनुकर भेंट का बाद मास्को आ वाशिंगटन का बीच सहयोग बढ़ सकेला.
  • फ्रांस के रक्षा मंत्री जेरार्ड लोंगेट कहले बाड़न कि उनुकर देश अपना विमानवाहक पोत चार्ल्स द गॉल के मरम्मत खातिर लीबिया से वापिस बोलाई.
  • पोलैंड के दिवंगत राष्ट्रपति लेख केचिंस्की के मौत वाला विमान हादसा के जांच रपट अइला का बाद ओहिजा के वायुसेना के एगो खास रेजीमेंट के खतम कर दिहल गइल बा आ ओकरा 14 गो माथ अधिकारियन के बर्खास्त कर दिहल गइल बा.
  • दक्षिणी कैलीफोर्निया से लेके उत्तरी कैलीफोर्निया ले अमेरिका के 15 गो राज्य एह समय भयानक गरमी का चपेट में बाड़े.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी कहले बाड़न कि इतिहासकार आ विद्वानन के चाहीं कि इतिहास सहेजे के काम तटस्थ होके कइल जाव.
  • अमेरिकी उपराष्ट्रपति जो बिडेन 16 अगस्त से चीन, जापान अउर मंगोलिया के यात्रा पर निकलीहे.
  • रूस के राष्ट्रपति दमित्रि मेदवेदेव सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल-असद के चेतवले बाड़न कि अगर ऊ विपक्षी पार्टी का साथ मिलके सीरिया संकट के समाधान नइखन निकालत त रूसे एहदिसाईं कुछ ठोस कदम उठाई.

मनोरंजन

  • अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा संगीत का दुनिया में डेग धइले बाड़ी जवना खातिर शाहरुख खान, प्रीति जिंटा, फरहान अख्तर, रीतेश देशमुख आ फिल्म निर्माता कुणाल कोहली उनुका के शुभकामना दिहले बाड़े.
  • आयकर के छापा का बाद कुछ दिन से फिलिमन से दूर रहत दक्षिण भारतीय सिनेमा के मशहूर अभिनेता ममूटी अब शूटिंग पर लवट आइल बाड़न.
  • अभिनेता रोवन एट्किन्सन एगो दुर्घटना में मरे से बाल-बाल बच गइले जब उनुकर कार एगो पेड़ से टकरइला का बाद तीन चक्कर लगा के एगो राह देखावे वाला बोर्ड से टकरा के रह गइल.
  • अब बॉलीवुड में रोमांस ना ‘ब्रोमांस’ के बोलबाला बा. बॉक्सऑफिस पर ‘जिंदगी ना मिलेगी दोबारा’, ‘देहली बेली’ अउर ‘प्यार का पंचनामा’ जइसन ब्रोमांस फिलिम खूब चलत बाड़ी सँ. ब्रोमांस के मतलब होला दोस्तन में भाईयन लेखा प्यार.
  • मशहूर गायिका रिहाना जब से बारबाडोस आइल बाड़ी तबहिये से अपना पुरनका यार नेगस सेली का साथे लउकत बाड़ी.
  • हॉलीवुड अभिनेत्री डेनिस रिचर्ड्स कहले बाड़ी कि ऊ अपना पुरनका यार चार्ली शीन का साथे कबहियो रोमांस ना करीहे काहे कि अब ऊ बुढ़ा गइल बाड़ी.
  • हालीवुड अभिनेत्री किम कैट्रल इच्छामृत्यु के वैधता दिआवे खातिर चलावल जा रहल आंदोलन के समर्थन दीहे.
  • हॉलीवुड के एक्शन अभिनेता जैसन स्टैथहैम हालीवुड हिल्स में बनल अभिनेता बेन स्टिलर के हवेली 71.9 लाख पाउंड में खरीद लिहले.
  • गायिका टेलर स्विफ्ट एगो यात्रा का दौरान अमेरिकी सैन्य कब्रिस्तान चहुँप के ओहिजा शहीदन के कब्रन पर श्रद्धांजलि अर्पित कइली.
  • गायिका लेडी गागा प्रख्यात गायक टोनी बेनेट के जन्मदिन पर एगो वीडियो संदेश भेज के शुभकामनाएं दिहली.

खेल

  • अभिनव मुकुंद (नाबाद 113) का शानदार शतकीय पारी आ वी.वी.एस. लक्ष्मण (49) अउर अमित मिश्रा (48) के बढ़िया बल्लेबाजी का चलते भारतीय क्रिकेट टीम काउंटी क्लब नार्थेम्पटनशायर के साथ काउंटी मैदान पर होत दू दिन के अभ्यास मैच में मजबूत स्थिति में पहुंच गइल बिया.
  • अमेरिकी फुटबाल टीम अगिला साल भारत में शुरू होखे जा रहल भारतीय एलिट फुटबाल लीग में हिस्सा लेबे के तइयार हो गइल बिया.
  • पेट्रोलियम स्पोर्ट्स प्रोमोशन बोर्ड के पूर्व राष्ट्रीय चैम्पियन आलोक कुमार सीनियर राष्ट्रीय स्नूकर चैम्पियनशिप में जीत का साथे शुरूआत कइले बाड़न. ऊ अपना पहिला लीग मैच में गोवा के निगेल डिसूजा के 3-0 से हरा दिहलन.
  • भारत की अंडर-16 फुटबाल टीम मालदीव के 5-0 से हराके सैफ चैम्पियनशिप का सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया.
  • आस्ट्रेलिया के ट्वेंटी-20 टीम के कप्तान कैमरन व्हाइट के कहना बा कि श्रीलंका का खिलाफ होखे वाली श्रृंखला जीत के उनुकर टीम आपन भुलाइल प्रतिष्ठा फेर से पावे खातिर पहिला डेग बढ़ाई.
  • आस्ट्रेलिया के टेस्ट आ एकदिना टीम के कप्तान माइकल क्लार्क के श्रीलंका के साथ होखे जा रहल तीन मैचन के टेस्ट श्रृंखला में युवा स्पिनर नाथन ल्योन पर बहुते भरोसा बा.
  • अभ्यास मैच में भोजनकाल तक भारत के 2 विकेट पर 87 रन.
  • हरारे टेस्ट : रुबेल हसन (84/3) आ कप्तान शाकिब अल हसन (62/3) के कसल गेंदबाजी का सहारे बांग्लादेश क्रिकेट टीम हरारे स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर जारी पहिलका टेस्ट मैच का दुसरा दिने जिम्बाब्वे के पहिलका पारी 370 रन पर समेट दिहलसि.
  • एकदिना टीम चुनत घरी खिलाड़ियन के फिटनेस एगो बड़हन मुद्दा रही.
  • एशिया चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी में भारत के पहिलका मैच चीन से होखी.
  • एकदिना आ बीस बीसा टीम खातिर भारतीय टीम के चयन शनिचर का दिने होई.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के स्पिन गेंदबाज ग्रीम स्वान मानत बाड़े कि उनुकर टीम विश्व की सर्वोच्च वरीयता वाली टेस्ट टीम भारत के खिलाफ चारो मैच जीत सकेले.
  • लेग मैसन क्लासिक टेनिस टूर्नामेंट में भारत के सोमदेव देवबर्मन दुसरका दौर में आ युगल में रोहन बोपन्ना आ अहसाम उल हक कुरैशी के जोड़ि पहिलके दौर में हार गइले.
  • राष्ट्र मंडल खेलों में अनियमितता वाला नियंत्रक अउर महालेखा परीक्षक के रपट लेके भाजपा शुक का दिने मुख्यमंत्री शीला दीक्षित पर हमला तेज कर दिहलसि.
  • वीरेंद्र सहवाग बपिछला महीना आपन ऑपरेशन करे वाला सर्जन एंड्रयू वॉलेस से मिले चुपाचोरी लंदन आइल रहले आ केहू के खबर ना लागे दिहले. सहवाग अपना चोटिल कंधा में इंजेक्शन लगवा के वापिस लवट आइल रहले.
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के स्पिन गेंदबाज ग्रीम स्वान खुद के 10 अगस्त से एजबेस्टन में भारत के साथ खेले जाये वाला तीसरा टेस्ट मैच खातिर फिट बतवले बाड़े.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up