टटका खबर (बुध, 19 अगस्त 2015, देश दुनिया)

by | Aug 20, 2015 | 0 comments

last-homage

  • राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पत्नी के अंतिम संस्कार में शामिल होखे चहुँपल बांगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना बुध का दिने प्रधानमंत्री मोदी से भेंटो करे अइली. एह मुलाकात का समय दुनू देश के अधिकारियो मौजूद रहलन.
  • दिल्ली के बहुते चर्चित रहल उपहार सिनेमा में आग लागे वाला घटना के मुकदमा में सिनेमा हाल के मालिक अंसल भाईयन के सुप्रीम कोर्ट से जेल के सजा से एह शर्त पर मुक्ति मिल गइल कि ऊ लोग साठ करोड़ रुपिया के जुर्माना तीन महीना का भीतर दिल्ली सरकार का लगे जमा कर दी. 13 जून 1997 का दिने भइल एह आगलगी में 59 लोग के मौत हो गइल रहुवे.
  • नरेन्द्र मोदी के खिलाफ तरह तरह के हथकंडा अपनावे खातिर जानल जाए वाला गुजरात के निलंबित आईपीएस अफसर संजीव भट्ट के बिना इजाजत ढेर दिन से छुट्टी पर रहला का चलते नौकरी से बरखास्त कर दीहल गइल बा. अपना बरखास्तगी के पुष्टी खुद संजीव भट्ट ट्विट क के कइलन.
  • भोजपुरी का नाम पर आपन नाँव बनावे वाला लोग के असली चेहरा सामने आ गइल जब दिल्ली के मैथिली भोजपुरी अकादमी का बैनर में खुलमखुला राजनीति के बात भइल आ भोजपुरी के बदनाम करत कुछ लोग अपना निजी फायदा ला नीतीश आ केजरीवाल के जयकारा लगवले. अकादमी का नाँव पर होखे वाला समारोह में मैथिली आ भोजपुरी के बात होखे के चाहत रहुवे बाकिर अकादमी के मंच पर राजनीति के लवंडा नाच देखे के मिलल बुध का दिने दिल्ली में.
  • पाकिस्तान के भरपूर कोशिश बा कि कवनो ना कवनो बहाने भारत से होखे जात एनएसए लेवल के बातचीत ना हो पावे आ एकरा खातिर पाकिस्तान हर कर्म कुकर्म करत जात बा. बाकिर लागत बा कि भारत अबकी ओकरा चाल में नइखे फँसे वाला काहें कि अबहीं ओकरा लगे नवेद का रूप में पाकिस्तान का खिलाफ जिन्दा सबूत बा. बातचीत टारे खातिर पाकिस्तान सगरी बहाना देत बा भारत के जवना में बातचीत से ठीक पहिले नमकहराम कश्मीरी अलगाववादियन के बातचीत खातिर बोलावल. नमकहराम एहसे कि ई अलगाववादी भारत के नमक खा के जिन्दा बाड़े बाकिर भारत के खिलाफ तिकड़म रचे में लागल रहेलें.
  • सूट बूट वालन के चोर बतावे वाला राहुल के बयानबाजी के जबाब देत पेट्रोलियम मंत्री धर्मेंद्र प्रधान कहले बाड़न कि राहुल पहिले अपना जीजा राबर्ट वाड्रा के त पयजामा पहिरा देसु. रायबरेली के राजीव गांधी पेट्रोलियम प्रौद्योगिकी संस्थान के पहिलका दीक्षांत समारोह का मौका पर आइल धर्मेन्द्र प्रधान राहुल पर सीधा हमला बोलत कहलन कि एह संस्थान के पिछला यूपीए सरकार सात बरीस पहिले शुरु कइले रहुवे बाकिर आजु ले एकरा लगे आपन परिसर नइखे.
  • भारतीय रिजर्व बैंक बुध का दिने 11 गो भुगतान बैंक शुरु करे के इजाजत दे दिहलसि. अब रिलायंस इंडस्ट्रीज अउर आदित्य बिड़ला समूह जइसन कारोबारी घराना भुगतान बैंक शुरू कर सकीहें आ एह बैंकन के आम आदमी से एक लाख रुपिया तकले के जमा लेबे के इजाजत होखी बाकिर ई लोग केहू के कर्जा ना दे सकी आ आपन पइसा सरकारी बाण्ड भा बैंकन में जमा करा सकीहें.
  • बिहार में बिहारी बाबू के बहकावे खातिर नीतीश कुमार सरकार के गवर्नमेंट हैल्थ एंड फिजिकल ट्रेनिंग कॉलेज के नाँव शत्रुघ्न सिन्हा के बाबूजी का नाँव पर बीपी सिन्हा हैल्थ एंड फिजिकल ट्रेनिंग कॉलेज धरे के फैसला कइले बिया. स्व. भुवनेश्वर प्रसाद सिन्हा एह काॅलेज के पहिलका प्रिंसिपल रहले.
  • एआईएमआईएम के प्रमुख मोहम्मद असाउद्दीन ओवैसी के बिहार मिशन से बिहार के राजनीति में उबाल आ गइल बा. मुसलमानन के बुड़बक बनावत ओह लोग के महज वोट बैँक समुझे वाला सेकूलर गोल छटपटात बाड़े कि अब मुसलमान वोट ओह गोलन का पाले ना आई. राजनीति के जानकारन के कहना बा कि एहसे एनडीए के फायदा मिली. काहे कि औवैसी ओही इलाकन में आपन उम्मीदवार खड़ा करीहें जहाँ लालू नीतीश के ताकत समुझल जाला.
  • अउर कुछ में होखे भा ना बाकिर उत्तर प्रदेश मेहरारुवन पर होखे वाला अत्याचार का मामिला में नंबर वन पर बा. आ होखो काहे ना जब मुख्यमंत्री के पिता आ सपा के मुखिया खुद कहत होखसु कि लड़िकन से रेप के छोट मोट गलती हो जाला. बुध का दिने त ऊ खुद आपने हद पार करत कह दिहलन कि केहू से चार आदमी रेप करिए ना सके बाकिर रेप के मुकदमा कई कई लोग पर कर दीहल जाला.
  • उत्तरप्रदेश सरकार का तरफ से बुध का दिने लखनऊ के लोहिया पार्क में एक सौ ईलेक्ट्रिक रिक्शा के चाबी रिक्शावालन के सँउपल गइल आ अइसनका ईरिक्शा तीन लाख लोग के फोकट में देबे वाली बिया राज्य सरकार.
  • सी बी आई का तरफ से पिछला सरकार में दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा आ 16 जने अउरी लोग पर आमदनी से अधिका संपति राखे बनावे के केस दर्ज करावल गइल बा. आजु ए राजा के बीस गो ठिकाना पर छापा मारल गइल.
  • बिहार में जदयू के बागी विधायक भाजपा में शामिल हो गइलें. बुध का दिने ज्ञानेन्द्र सिंह, दिनेश कुशवाहा, सुरेश चंचल आ राजेश्वर राज अपना सहयोगियन का साथे भाजपा के सदस्यता ले लिहलें. एगो अउर बागी विधायक गौतम सिंह राष्ट्रीय लोक समता पार्टी में शामिल भइल बाड़न.
  • नीतीश आ केजरीवाल मिल के बिहार के स्पेशल राज्य आ दिल्ली के पूरा राज्य बनावे के माँग करत एक दोसरा के पीठ सुघरावे के फैसला कइले बाड़न. केजरीवाल अब बिहार सरकार के कार्यक्रमन में शामिल होखे बिहार आवे के सकार लिहले बाड़न.
  • मुम्बई शेयर बाजार के सेंसेक्स बुध का दिने 100 अंक बढके आ निफ्टी 29 अंक बढ़के बंद भइल.रुपिया डालर का मुकाबले चार पइसा मजबूत हो गइल.
  • कांग्रेस के कहना बा कि वस्‍तु आ सेवा कर विधेयक ओकरा सहयोग बिना संसद में पारित ना हो पाई आ ऊ सहयोग तबे करी जब ओकर बात मान लीहल जाई. एकरे के दोसरा भाषा में ब्लैकमेलिंग कहल जाला.
  • यूपी के किसानन के बीया खातिर मिले वाला अनुदान अब सीधे ओह लोग के बैंक खाता में जाइल करी.
  • जवना इलाकन में बिजली के चोरी कम बा आ लाइन लास बारह फीसदी से कम बावे ओह इलाकन में चौबीसो घंटे बिजली देबे के फैसला कइले बावे बिजली विभाग. 15 फीसदी से कम लाईन लास वाला इलाका के बाइस घंटा बिजली मिलल करी.
  • बलिया में आजु बलिया बलिदान दिवस मनावल गइल. साल 1947 में पूरा देश के आजादी मिलल रहुवे बाकिर बलिया अपना के पाँच बरीस पहिलही आजाद घोषित क दिहले रहुवे आ स्वाधीनता संग्राम सेनानी चित्तू पाण्डेय जिला के कलेक्टर बन गइल रहलें. ओह दिन जेल के फाटक खोल दीहल गइल रहे. ओह दिन के याद करत हर साल 19 अगस्त के बलिया जेल के फाटक खोल दिहल जाला बाकिर प्रतीकात्मके रुप से. कैदियन के पहिलहीं से घेर के राखल रहेला कि कवनो भागे मत.
  • नीतीश सरकार के कारनामा के जामा पहिरावत बिहार के 21 गो जिलन के पिछड़ा जिला मान लिहले बिया केन्द्र सरकार. एह जिलन में पूंजी लगावे वालन के अब कई तरह के छूट मिलल करी.
  • भाजपा के बड़का आ पुरान नेता अउर बाजपेयी सरकार में मंत्री रहल डा. सीपी ठाकुर अपना सांसद निधि से सारण जिला के सीतलपुर में फुलपातो कुंवर अच्युतानंद सिंह बालिका उच्च
    विद्यालय में बनावल दू गो कमरन के उद्घाटन कइलन आ कहलन कि शौचालयो बनवावल जाई एह विद्यालय में.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up