टटका खबर, मंगल. १४ फरवरी २०१२

by | Feb 15, 2012 | 0 comments

बिहार

  • पटना में पत्रकारन से बतियावत केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहलन कि प्रधानमंत्री ग्राम सड़क योजना में अढ़ाई सौ से अधिका आबादी वाला हर गाँव के मुख्य सड़क से जोड़ दिहल जाई.
  • खगड़िया में साल दू हजार नौ में भइल अमौसी हत्याकाण्ड के दोषी मिलल चौदह गो में से दस गो अभियुक्तन के फाँसी आ चार गो के उमिर कैद के सजा सुनवलसि खगड़िया के जिला अदालत. एह घटना में सोरह लोग के नृशंस हत्या कर दिहल गइल रहे.
  • विधान सभा में विरोधी नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी के आरोप बा कि सरकार विपक्षी विधायकन के इलाका से भेदभाव करत बिया आ ओह लोग का इलाका में सेतु योजना आ सड़क योजना के तहत काम नइखे करावल जात. कहलन कि हर जिला के मिले वाला राशि के हर विधानसभा सीट पर बराबर बराबर बाँट दिहल जाव आ हर इलाका में बराबर राशि से काम करावल जाव.
  • केन्द्र सरकार आदेश दिहले बिया कि दू हजार से अधिका के आबादी वाला हर गाँव में बैंक का तरफ से एगो कर्मचारी लैपटाप वगैरह ले के जाई आ गाँव वालन के बैंकिंग के सुविधा मुहैया कराई. जब गाँव वालन के बैंकिग में रुचि बढ़ जाव त फेर ओहिजा बैंक आपन शाखा खोले पर विचार कर सकेला. एह फैसला से बिहार के दस हजार गाँव में बैंकिंग सुविधा मिले लागी.

उत्तर प्रदेश

  • तिसरका दौर के मतदान में बुध का दिने दस गो जिला में कुल मिला के छप्पन गो सीट खातिर मतदान करावल जाई. सबेरे सात बजे से साँझ पाँच बजे ले मतदान होखी. हालांकि नक्सल प्रभावित इलाकन में साँझ चारे बजे मतदान खतम हो जाई. पिछला दू दौर में बढ़िया मतदान होखला से उमेद बा कि तिसरको दौर में वइसने होखी.
  • चउथा आ पाँचवा दौर के मतदान वाला इलाकन में जोरदार प्रचार चलत बा. छठवाँ दौर के मतदान खातिर एक हजार एक सौ चौदह नामांकन सही मिलल बा. सतवाँ दौर के दाखिल परचा के जाँच के काम आजु पूरा हो गइल आ सोलह तारीख ले लोग आपन नाम वापिस ले सकेला.
  • केन्द्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद आजु चुनाव आयोग के चिट्ठी लिख के अपना बयान खातिर माफी माँग लिहलन. अब शायद आयोगो एह मामिला के बंद कर दी. हालांकि सलमान खुर्शीद के मकसद त पूरा होइये गइल आ उनुका जवन बाति कहे के रहे से कह चुकले.
  • मुस्लिम आरक्षण का खिलाफ एके गो दल भाजपा आवाज उठावत बिया. भाजपा के कहना बा कि पिछड़ा वर्ग के मिलल सुविधा में से काट के अल्पसंख्यकन के काहे आरक्षण दिहल जाई. एह मामिला में पिछड़न के हमदर्द होखे के दावा करे वाला पार्टी चुप्पी साध लिहले बाड़ी सँ काहे कि ओकनी खातिर त साँप छूछून्दर वाला हाल हो गइल बा.

देश

  • केन्द्रीय गृह सचिव आर के सिंह के कहना बा कि दि्ल्ली में भइल इजरायली दूतावास के कार पर हमला करे में कवनो देश के हाथ होखे के सुबूत नइखे मिलल. पुलिस के कवनो सुराग हाथे नइखे लागल बाकिर गृह मंत्री पी चिदम्बरम के कहना बा कि दोषियन के जल्दिये पकड़ लिहल जाई.
  • गोवा विधानसभा के चालीस गो में से अड़तीस गो सीट खातिर दाखिल परचा के जाँच का बाद नब्बे गो नामांकन रद्द कर दिहल गइल. अबकी रिकार्ड संख्या में लोग परचा भरले बा.
  • हिमाचल प्रदेश का किन्नौर जिला में एगो दुर्घटना में सीमा सड़क संगठन के एगो टिप्पर गहिरा खाई में गिर गइल जवना में सतरह जने के जान चल गइल.
  • अलग अलग भाषा के २२ गो मशहूर लेखक भा कवियन के आजु दि्ल्ली में आयोजित कार्यक्रम में साल २०११ के साहित्य अकादमी पुरस्कार दिहल गइल. हिन्दी खातिर उपन्यासकार काशीनाथ सिंह के ई पुरस्कार मिलल. भोजपुरी खातिर कवनो पुरस्कार ना दिहल जाव काहे कि सरकार भोजपुरी के मान्यता नइखे दिहले.
  • निर्वाचन आयोग मणिपुर, पंजाब आ उत्तराखंड में आदर्श आचार संहिता में ढील देबे के फैसला कर लिहलसि आ कहलसि कि एह राज्यन के मंत्री अब जिला के दौरा कर सकीहें आ अपना साथे अधिकारियनो के ले जा सकेले.
  • एसआईटी के कहना बा कि ओकर रिपोर्ट हर केहू के ना दिहल जा सके. गुजरात दंगा में नरेन्द्र मोदी के भूमिका के जाँच खातिर सुप्रीम कोर्ट के बनावल एसआईटी आपन सील बंद रिपोर्ट सुप्रीम कोर्ट के दे दिहले बिया बाकिर कुछ संगठन चाहत बाड़े कि रिपोर्ट के प्रति उनुको के दिहल जाव जेहसे कि ऊ देखसु कि एसआईटी का कहले बिया. अफवाह गरम बा कि एह रिपोर्ट में मोदी का खिलाफ कवनो सुबूत ना मिले के बाति कहल गइल बा आ एहिसे सांप्रदायिक संगठन बेचैन हो गइल बाड़े. कुछ संगठन गुजरात हाई कोर्ट में अरजी लगवले बाड़े एह रिपोर्ट के कॉपी लेबे खातिर.
  • मुंबई महानगरपालिका आ महाराष्ट्र के बाकी निकायन के चुनाव प्रचार के काम आजु थम गइल. परसो चुनाव होखे वाला बा. पिछला सतरह साल से शिवसेना आ भाजपा गठबन्हन मुबंई महानगरपालिका में शासन चलावत बा आ अबकी कांग्रेस आ राकांपा गठबन्हन ओकरा के हरावे खातिर पूरा ताकत लगा दिहले बाड़े. ओह लोग के राज ठाकरे पर भरोसा बा कि राज शिवसेना के वोट काट लीहें आ कांग्रेस राकांपा गठबन्हन सत्ता में आ जाई.

दुनिया

  • थाईलैंड के राजधानी बैंकाक में पुलिस पर बम फेंके का कोशिश में विस्फोट हो गइला से एगो ईरानी आदमी के दुनु टाँग उड़ गइल. एकरा अलावे बैंकाक में दू गो अउरी बम विस्फोट भइल जवना में से एगो विस्फोट ओह घर में भइल जवना में ऊ घवाहिल आदमी अउरी ईरानियन का साथे रहत रहुवे.
  • भारत सीरिया के हालात पर चिंता जतावत कहलसि कि ई राजनीतिक समस्या हवे आ एकर समाधान ओहिजे के लोग के खुद करे के चाहीं.
  • नोबेल पुरस्कार विजेता भारतीय मूल के अर्थशास्त्री अमर्त्य सेन के आजु अमरीकी राष्ट्रपति बराक ओबामा कला आ मानविकी खातिर अमेरिका के राष्ट्रीय पदक प्रदान कइलन. एकरा खातिर व्हाइट हाउस में एगो भव्य समारोह आयोजित भइल रहे.

बिजनेस

  • महँगाई दर में कमी अइला के खबर से शेयर बाजार के सूचकांक ७६ अंक बढ़के बंद भइल. रूपिया सतरह पइसा कमजोर पड़ल त सोनो का दाम में १६५ रुपिया प्रति दस ग्राम के कमी आइल.

खेल

  • एडिलेड में भइल एकदिना क्रिकेट में अंपायर के गलती भा चाल्हाकी का चलते भारत आ श्रीलंका का बीच के मैच ड्रा हो गइल. भारत के एक गेंद कम खेले के मिलल. काहे कि मैच का तीसवां ओवर में पांचे गेंद खेलल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up