टटका खबर, शुक, २ मार्च २०१२

by | Mar 3, 2012 | 0 comments

बिहार

  • तीन दिन से धरना देत निर्दलीय विधायिका ज्योति रश्मि के बाकि सत्र खातिर निलंबित कर दिहल गइल. ऊ अपना मरद प्रदीप जोशी के झूठ केस में फँसावे के आरोप सरकार पर लगावत बाड़ी.
  • शुक का दिने सारण जिला के मुखिया संघ के चुनाव भइल जवना में मांझी के दलन प्रसाद यादव के अध्यक्ष चुनल गइल. जलालपुर के अशोक कुमार सिंह, गड़खा के दिनेश प्रसाद यादव, सदर के गीता देवी, मकेर के शैलेश शर्मा आ रिविलगंज के आमिर खां के उपाध्यक्ष, दिघवारा के विपिन सिंह, दरियापुर के राजकुमारी देवी, परसा के अख्तर हुसैन, गड़खा के खुर्शीद सेराज आ राजू सिंह के सचिव चुनल गइल. मांझी प्रखंड के मुखिया आशा सिंह महासचिव बनली.
  • विश्व भोजपुरी सम्मेलन के उपाध्यक्षा आ मारीशस के उप प्रधानमंत्री रहल हरीश बुधु के पत्‍‌नी डा॰ सरिता बुधु महात्मा गाँधी के भितिहरवा आश्रम के दर्शन करे अइली.
  • सासाराम के एगो अदालत में साल १९९० में नटवार थाना के करमैनी गाँव में भइल डकैती के दू गो आरोपियन के दस दस साल के जेल के सजा सुनावल गइल. साथही पाँच हजार रुपिया जुर्मानो लगावल गइल.
  • लायन्स क्लब आरा के तत्वावधान में आरा के रेडक्रास भवन में मुफ्त मोतियाबिंद आपरेशन शिविर का दुसरका दिने ८४ गो मरीजन के लेंस लगावल गइल. अनेके मरीजन के शनिचर का दिने आपरेशन कइल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • बलिया जिला के उभांव थाना के तर्गत तेंदुहारी गांव का सोझा शुक का सँझिया पड़री निवासी एगो सोनाव्यवसायी प्रेमचंद पर गोली चला के थैला लूट लिहल गइल. गंभीर हालत में प्रेमचंद के मऊ रेफर कर दिहल गइल जहां इलाज का दौरान प्रेमचंद के मौत हो गइल.
  • देवरिया कोतवाली का नियरे एगो प्राइवेट क्लीनिक इलाज करावे आइल जवान लड़की से डाक्टर छेड़खानी करे के कोशिश कइलसि. लड़की के हल्ला कइला पर जुटल भीड़ डाक्टर के पिटाई कईलसि आ क्लिनिक में तोड़फोड़ मचवलसि. बाद में पुलिस आइल आ डाक्टर के हिरासत में ले लिहलसि. डाक्टर पर छेड़खानी के मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा.
  • बियफे का साँझ गोरखपुर के चौरीचौरा में सतहवाँ गाँव का लगे एगो टेम्पो आ ट्रक का टक्कर से सात लोग के मौत हो गइल.
  • पहिले से घोषित चार गो समर स्पेशल का अलावे दू जोड़ी समर स्पेशल अउर चलावल जाई. एक जोड़ी ०१०४७/०१०४८ साप्ताहिक स्पेशल ट्रेन ७ अप्रैल से २५ जून ले गोरखपुर आ मुंबई का बीच आ ०१०५७/०१०५८ साप्ताहिक स्पेशल ट्रेन ४ अप्रैल से २२ जून ले कुर्ला से मुजफ्फरपुर का बीच चलावल जाई. गोरखपुर से चले वाली गाड़ी सोमार का दिने सबेरे ८.२५ बजे खुली आ देवरिया, भटर, वाराणसी, मैहर, इटारसी, कल्याण होत दूसरा दिने रात ११.१० बजे मुंबई सीएसटी पहुंची. मुंबई सीएसटी से हर शनिचर के दुपहरिया १२.३० बजे खुले वाली स्पेशल कल्याण, नासिक रोड, इटारसी, मैहर, वाराणसी, भटनी, देवरिया होत रात ११.१५ बजे गोरखपुर पहुंची. मुजफ्फरपुर से चले वाली गाड़ी शुक का दिने साँझ ६.३० के खुली आ छपरा, वाराणसी, मैहर, इटारसी होत तिसरका दिने भोर में लोकमान्य तिलक टर्मिनस पर चहुँपी. ओहिजा से चले वाली गाड़ी बुध का दिने २.३० पर खुली आ कल्याण, इटारसी, मैहर, वाराणसी होत तिसरा दिने रात ३.१० पर मुजफ्फरपुर चहुँपी.

देश

  • सु्प्रीम कोर्ट गुजरात सरकार के शिकायत से असहमति जतवलसि कि गुजरात के चुन के निशाना बनावल जात बा आ वइसने बाति खातिर दोसरा राज्यन के कुछ ना कहल जाव.
  • विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के मतदान तीन मार्च के होखे जात बा. शनिचर का दिने यूपी के सातवाँ दौर के आ गोवा में चुनाव करावल जाई.
  • दिल्ली के एगो अदालत याहू का खिलाफ मुकदमा खारिज कर दिहलसि. कहलसि कि आरोप लगावे वाला याहू का खिलाफ कवनो सुबूत नइखन पेश कइले.
  • कर्नाटक में बंगलौर सिटी दीवानी अदालत का सोझा प्रदर्शन करत वकील से झड़प में तीस गो पुलिसकर्मियन समेत ४७ लोग घवाहिल हो गइल. घटना के न्यायायिक जाँच के आदेश दे दिहल गइल बा.
  • सुप्रीम कोर्ट न्यायाधीश रहल एच.एस. बेदी के गुजरात में साल २००२ से २००६ का बीच भइल तथाकथित फर्जी मुठभेड़न के मामिला के जाँच करे वाला प्राधिकरण के अध्यक्ष नियुक्त कर दिहलसि.
  • कर्नाटक के पर्यटन मंत्री रहल आ खनन घोटाला के आरोपी जी.जर्नादन रेड्डी के १२ मार्च ले सी बी आई का हिरासत में भेज दिहलसि अदालत.
  • आरूषि हत्या मामिला में आरूषि के बाप महतारी के निहोरा अदालत खारिज कर दिहलसि. ऊ लोग गाजियाबाद का बदले दिल्ली में मुकदमा चलावे के निहोरा कइले रहुवे.
  • गोवा में प्रधानमंत्री का चुनाव सभा में सांप्रदायिक प्रचार सामग्री बाँटे के खबर के संज्ञान लेत चुनाव आयोग एह मामिला के जाँच करावे के फैसला लिहले बा. ओह प्रचार सामग्री में विपक्ष के साम्प्रदायिक आधार पर वोट ना देबे के अपील कइल गइल रहे.
  • कृपाशंकर सिंह के सुप्रीम कोर्ट से कवनो राहत ना मिलल. उल्टे अदालत फटकार लगवलसि कि मनचाहा बेंच मत खोजसु. अदालत में एह तरह के काम बरदाश्त ना कइल जा सके.
  • गुजरात विधान सभा में नेता विपक्ष के पूरा सत्र खातिर निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • रक्षा मंत्री ए. के. एंटनी के कार्यालय में जासूसी करे के कोशिश के खबर सामने आइल बा. एह मामिला के जाँच करे के आदेश दे दिहल गइल बा.
  • मालूम आमदनी से बेसी के संपत्ति बिटोरे के आरोपी महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता कृपाशंकर सिहं आ उनुका परिजन के घर आ कार्यालय वगैरह में छापा डाल के पुलिस सुबूत बिटोरलसि.
  • दिल्ली नगर निगम के चुनाव 15 अप्रैल के करावल जाई.

दुनिया

  • नेपाल में एगो स्कूल बनावे खातिर भारत सवा तीन करोड़ नेपाली रुपिया के सहायता देबे का समझौता पर दस्तखत कइलसि.

खेल

  • जौनपुर में होखत विश्वविद्यालयी हॉकी में पूर्वांचल विश्वविद्यालय पंजाब विश्वविद्यालय के सेमीफाइनल में हरा दिहलसि. अब शनिचर का दिने ओकर मुकाबला कुरूक्षेत्र विश्वविद्यालय के हरावे वाला जीवाजी विश्वविद्यालय ग्वालियर से होखी.
  • आखिरकार आस्ट्रेलिया भारत के फाइनल में नाहिये चहुँपे दिहलसि. आजु शुक का दिने भइल श्रीलंका से मैच में आस्ट्रेलिया नौ रन से हार गइल आ फाइनल से भारत फाइनली बाहर हो गइल.
  • महेश भूपति आ रोहन बोपन्ना के जोड़ी एटीपी दुबई ओपन टेनिस प्रतियोगिता का पुरूष डब्ल्स का फाइनल में चहुँप गइल.
  • खेलमंत्रालय मनीला में होखेवाला टेबल टेनिस टूर्नामेंट खातिर सात सदस्य वाली टीम भेजे के मंजूरी दे दिहलसि. एह टूर्नामेंट में चौदह साल से कम उमिर के खिलाड़ी खेलीहे.
  • विश्व कप महिला कबड्डी में भारत आपन दुसरको मैच जीत लिहलसि.

बिजनेस

  • टू-जी स्पेक्ट्रम के १२२ लाइसेंस रद्द करे के सुप्रीम कोर्ट के फैसला का खिलाफ केन्द्र सरकार अदालत से फेर से विचार करे के निहोरा लगवलसि. सवाल उठवलसि कि नीति निर्धारण सरकार के काम हऽ आ अदालत के एहमें दखल ना देबे के चाहीं.
  • प्रत्यक्ष कर संहिता – डीटीसी विधेयक के जांच करत संसदीय समिति के सुझाव बा कि व्यक्तिगत आय कर छूट के सीमा बढ़ा के तीन लाख रुपिया आ अढ़ाई लाख रुपिया तक के बचत पर कर कटौती दिहल जाव.
  • ओएनजीसी में सरकार के आपन पांच फीसदी हिस्सेदारी का नीलामी से बारह हजार सात सौ छियासठ करोड़ रूपिया से बेसी मिलल. आखिरी समय में जीवन बीमा निगम के बाजार में उतरला का बाद सरकार के अतना धन मिल पावल.
  • भारत अफ्रीका का देशन में क्षमता बढ़ावे आ मानव संसाधन के विकास में सहयोग करे खातिर राजी हो गइल बा.
  • यूरोपीय संघ ग्रीस के ऋण संकट से उबारे खातिर एगो अउरी सहायता पैकेज के मंजूरी दे दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up