टटका खबर, बियफे २ फरवरी २०१२

by | Feb 2, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(दिल्ली में भइल मनरेगा सम्मेलन २०१२ में पुरस्कार बाँटत प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं. साथ में बाड़े ग्रामीन विकास मंत्री जयराम रमेश)

बिहार

  • बिहार के सगरी किसानन के जैविक खाद मुफ्त में देबे के फैसला सरकार लिहले बिया. कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह बतवले कि बिया खरीदत घरी ई खाद दे दिहल जाई.
  • नउवीं से बारहवीं तक के हर छात्रा के पोशाक खरीदे खातिर बिहार सरकार एक एक हजार रूपिया दी. एही महीना सगरी छात्रा के ई धन दे दिहल जाई. पहली से आठवीं के हर विद्यार्थीओ के पोशाक खरीदे खातिर धन बाँटल जाई.
  • पूर्वी चंपारण के सुंदरपुर गाँव में तीन लोग के मौत संदेह जनक हालात में भइल बा जवना के जाँच करावल जात बा.

उत्तर प्रदेश

  • यूपी में छठवां दौर के नामाकंन आजु से शुरू हो गइल. एह दौर के मतदान २८ फरवरी के करावल जाई.
  • जौनपुर जिला के रामपुर इलाका में जमालपुर बाजार का नियरा एगो ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत हो गइल. ट्रक ड्राइवर दुर्घटना का बाद फरार हो गइल.

शिक्षा

  • सीबीएसई दसवां आ बारहवां बोर्ड के इम्तिहान देबे वाला परीक्षार्थियन खातिर एगो हेल्प लाइल शुरू कइलसि. एह फोन नंबर १८००१८०३४५६ पर सबेरे आठ बजे से दुपहरिया बारह बजे का बीच फोन कर के ऊ लोग अपना समस्या का बारे में समाधान पा सकेले.

देश

  • आजु एगो दूरगामी फैसला में सुप्रीम कोर्ट साल २००८ का बाद से दिहल १२२ टू जी टेलीकॉम लाइसेंसन के रद्द कर दिहलसि. तीन गो कंपनियन पर हर लाइसेंस खातिर पाँच पाँच करोड़ के जुरमानो लगावल गइल बा जे लाइसेंस मिलला का बाद आपन लाइसेंस अधिका दाम पर दोसरा कंपनियन के बेच दिहले.
  • टू जी घोटाला में गृहमंत्री पी चिदम्बरम के सह आरोपी बनावे खातिर दायर याचिका पर कोर्ट कवनो फैसला ना दिहलसि आ लोअर कोर्ट पर छोड़ दिहलसि कि एह मामिला में दू हफ्ता का भीतर फैसला दे दिहल जाव.
  • अतना बड़हन घोटाला का बावजूद कवनो कांग्रेसी ई माने के तइयार नइखन कि उनुका पार्टी से भा उनुका सरकार से कवनो तरह के गलती भइल बा आ एह खातिर के जिम्मेदार बा. हमेशा का तरह ना त सोनिया गाँधी कुछ कहत बाड़ी, ना राहुल गाँधी आ मनमोहन सिंह त मौनी बाबा हइये हउवन. बोलले त कपिल सिब्बल जे सगरी दोष भाजपा पर लगावत ओकरा से माँग कर दिहलन कि भाजपा देश से माफी माँगो. इशारा इशारा में इहो कहलन कि अब आम जनता के मोबाइल खरचा बढ़े से इंकार ना कइल जा सके काहे कि जे बेसी दाम दे के लाइसेंस खरीदी से बेचहु के दाम बेसी लेबे करी.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहलन कि अइसन इंतजाम कइल जाव कि मनरेगा के मजदूरी पंद्रह दिन का भीतर मजदूर के दे दिहल जाव. ना त ओह लोग के महँग करजा ले के आपन काम चलावे के पड़ेला.
  • सेना प्रमुख के उमिर से जुड़ल विवाद पर काल्हु अदालत में सुनवाई होखे वाला बा. एह बीच सेना प्रमुख आजु प्रणव मुखर्जी से भेंट कइलन बाकिर ओह लोग का बीच का बाति भइल से पता नइखे चलल.

पड़ोसी देश

  • पड़ोसी देश पाकिस्तान के सुप्रीम कोर्ट ओहिजा के प्रधानमंत्री युसुफ रजा गिलानी के अदालत के अवमानना करे का आरोप में फेर १३ फरवरी के अदालत में हाजिर होखे के कहले बिया. अगर ऊ दोषी मिलत बाड़े त उनुका के छह महीना खातिर जेल भेजल जा सकेला.
  • नेपाल के एगारह गो माओवादी नेतवन पर से मुकदमा हटा लेबे के फैसला बिहार सरकार कर लिहलसि. एह लोग के आठ साल पहिले पटना में गिरफ्तार कइल गइल रहे. बाद में जमानत मिलला का बाद ई लोग साल २००६ में नेपाल चल गइल रहुवे आ एह घरी मंत्री आ सांसद बन गइल बा लोग. नेपाल सरकार के चिंता पर भारत मुकदमा वापिस ले लिहलसि.

बिजनेस

  • सरकारे के तेल कंपनी सरकारे के हवाई जहाज कंपनी एयरइण्डिया के तेल दिहल बंद कर दिहली काहे कि एयर इण्डिया ढेर दिन से ईंधन तेल के भुगतान नइखे करत. बाद में एयरइंडिया के भरोसा दिहला पर साँझ से कुछ तेल मिले लागल बा ओकरा बाकिर दिन भर ओकरा यात्रियन के फजीहत झेले के पड़ल. एयर इंडिया पर कुल बयालिस अरब रुपिया बकाया बतावल जात बा.
  • सगरी बवाल का बावजूद आजु मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक एक सौ इकतीस अंक बढ़के बंद भइल. रुपिया में डॉलर का मुकाबले बारह पइसा के तेजी आइल.
  • केन्द्र सरकार फैसला कइलसि कि अब महँगाई के आंकड़ा अब हर हफ्ता जारी ना कर के हर महीना जारी कइल जाई.
  • भारतीय भूगर्भ सर्वेक्षण विभाग के कहना बा कि राजस्थान, कर्नाटक अउर उत्तर प्रदेश में तांबे आ सोना के नया भंडार के पता लागल बा. यूपी के सोनभद्र में सोना के भंडार के संकेत मिलल बा ओकरा.

खेल

  • भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच दुसरका बीसबीसा मैच शुक का दिने मेलबर्न में खेलल जाई. आकाशवाणी से एह मैच के आँखो देखा हाल दिने के डेढ़ बजे से सुनल जा सकेला. बाकिर लगातार हारत जात भारत के टीम से कवनो खास उमेद नइखे लोग के.

सूचना

टटका खबर पर दिहल जाये वाला खबरन के प्रकृति फेर पहिले जइसन कइल जा रहल बा. बीच में एकरा खातिर एगो न्यूज एजेन्सी के सेवा लिहल रहे बाकिर ओह सेवा पर होखे वाला खर्च के भरपाई के कवनो संभावना मना देखत अब ओह सेवा के बंद कर दिहल गइल बा. एह बीच देखल गइल कि टटका खबर के अधिकतर पाठक भोजपुरी इलाका के खबर देखे आवत रहले बाकिर उनुका ऊ नइखे मिल पावत. कोशिश कइल गइल कि कुछ पाठक अपना अपना इलाका के खबर मोबाइल से भेज देसु बाकिर ओह अपीलो के पूरा असर ना लउकल. जब केहू के एहसे मतलबे नइखे त एकरा पर जतने कर दिहल जाव उहे अधिका होई.

पहिलहु बतावल गइल बा कि टटका खबर पर दिहल खबर सार्वजनिक रूप से उपलब्ध माध्यमन से लिहल जाला आ कवनो समाचार टटका खबर के आपन समाचार ना होले. कुछ रेडियो से सुनल कुछ अखबारन में पढ़ल खबर एहिजा दे दिहल जाला जेहसे कि दूर परदेस में रहे वाला भोजपुरियन के अपना भाषा के मिठास में अपना इलाका के कुछ खबर एके जगहा मिल जाव जवना खातिर उनुका एने ओने देखे खोजे के पड़ेला.

रउरा सभ के एह अपेक्षा के पूरा करे के पूरा कोशिश करब अपना सीमा में रहत.

राउर,
प्रकाशक, टटका खबर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up