देश दुनिया के खबर, अतवार 28 अगस्त का दिने

by | Aug 28, 2011 | 0 comments

देश

  • अतवार का दिने देश भर में अन्ना के जीत केजश्न मनावल गइल. दिल्ली के इंडिया गेट पर हजारों लोग के भीड़ उमड़ल जवना में हर उमिर के आ हर पेशा के लोग रहल.
  • अन्ना हजारे के सहयोगी प्रशांत भूषण के कहना बा कि पिछला 13 दिन के लड़ाई के सबले खास हासिल रहल हर समुदाय के लोग के एकजुट कइल.
  • केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद अतवार का दिने कहले बाड़न कि सरकार कानूनो बनावत घरी सामाजिक संगठनन के भागीदारी बनवले राखी.
  • स्वर साम्राज्ञी लता मंगेशकर गांधीवादी अन्ना हजारे अउर देश के नौजवानन के भ्रष्टाचार के खिलाफ उनुका आंदोलन के मिलल सफलता आ असम्भव के सम्भव बनवला पर बधाई दिहले बाड़ी.
  • जम्मू कश्मीर के श्रीनगर में 300 से अधिक मोटरसाइकिल सवार शनिचर का रात एगो थाना पर पथराव कइले जवना से छह गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइले. 70 गो हमलावरन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा आ 10 गो मोटरसाइकिलो जब्त कइल गइल बा.
  • मुम्बई में भारी बरखा का चलते अतवार का दिने छत्रपति शिवाजी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर कुछ देर ले उड़ान ना हो पावल.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अतवार का दिने राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील से भेंट कर के लोकपाल विधेयक सम्बंधी प्रस्ताव के संसद से मिलल मंजूरी पर चरचा कइलन.
  • अन्ना आन्दोलन के परिणति के भाजपा आम आदमी के जीत बतवलसि.
  • रामलीला मैदान में 13वां दिने आपन अनशन तूड़ला का बाद अन्ना हजारे के गुडगांव स्थित मेदांता अस्पताल में भरती करवावल गइल बा जहाँ उनुका के डाक्टरन का निगरानी में राखल जाई. उनुकर जांच करे वाला डॉ नरेश त्रेहन के कहना बा कि अन्ना पूरा स्वस्थ बाड़न.
  • भूमि आवंटन के मुद्दे पर घेराइल हरियाणा के हुड्डा सरकार जे राजीव गांधी चैरिटेबल ट्रस्ट के जमीन आवंटित कइले बिया.
  • हिमाचल में कुल्लू दशहरा 6 अक्टूबर से 12 अक्तूबर ले आयोजित होई.

दुनिया

  • नेपाल में दूसरका बेर माओवादियन के सरकार बने जा रहल बा. पिछला तीन साल में चउथा प्रधानमंत्री खातिर अतवार का दिने भइल मतदान में माओवादी उम्मीदवार बाबूराम भट्टराई चुनाव जीत गइल बाड़न.
  • बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना कहले बाड़ी कि लीबिया के शासक मुअम्मार गद्दाफी बांगला देश के संस्थापक आ उनुका पिता शेख मुजीबुर रहमान के हत्यारन के पनाह दिहले रहले.
  • अल्जीरिया एह बाति से नकरले बा कि मुअम्मार गद्दाफी के काफिला अल्जीरिया में घुसल बा.
  • पाकिस्तान में अतवार का दिने एगो यात्री रेलगाड़ी पर बंदूकधारियण के हमला में कम से कम पांच लोग मराइल बाड़े आ 17 जने घवाहिल भइल बाड़े.
  • अमेरिका के पूरबी तट पर आइल आइरीन तूफान का चलते वाशिंगटन, न्यूयार्क, फिलाडेल्फिया समेत कई शहरन के बिजली गुल हो गइल. में 10 लाख मकानों की विद्युत आपूर्ति ठप्प हो गई। अकेले न्यू जर्सी में लाखों लोग प्रभावित हुए हैं।
  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी कराची हिसा के सरकार खातिर ‘सबले बड़हन चुनौती’ बतावत लोग से पुलिस के सहायता करे के निहोरा कइले बाड़न.
  • पाकिस्तान के आतंकवाद निरोधी एगो अदालत राष्ट्रपति रहल परवेज मुशर्रफ के सम्पत्ति जब्त करे के आदेश दिहले बिया काहे कि ऊ अदालत में हाजिर नइखन होत.
  • गद्दाफी के पोसपुत बेटी जिंदा बिया आ त्रिपोली के एगो अस्पताल में डॉक्टर बिया.
  • आतंकवादी संगठन अलकायदा के नम्बर दू सरगना अतियाह अब्द अल-रहमान पाकिस्तान में मरा गइल बा.

व्यापार व्यवसाय

  • विमानन कम्पनी फिनएयर ने भारतीय विमानन कम्पनी किंगफिशर का साथे मिलके भारत के सात गो नया शहर के अपना नेटवर्क में शामिल कर लिहले बिया.

मनोरंजन

  • बीस बरीस से बेसी समय दक्षिण फिल्म उद्योग में बितवला का बाद ‘बाडीगार्ड’ के निर्देशन से बालीवुड में डेग धरे वाला सिद्दीकी के कहना बा कि बालीवुड रचनात्मकता का हिसाब से संतुष्टि देबेला.
  • अन्ना की जीत के बालीवुड एगो नया सबेरा कहले बा. अमिताभ बच्चन आ शबाना आजमी से लगाइत बालीवुड की तमाम हस्ती अपना ट्विटर पर बधाई के झड़ी लगा दिहले बाड़े.
  • इलाज करावे खातिर अमेरिका जात सलमान खान पता ना कवना कारण से आपन यात्रा एक दिन ला टार दिहले आ अब आजु अतवार का दिने जाये वाला बाड़े.

खेल

  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के स्पिन गेंदबाज ग्रीम स्वान के कहना बा कि उनुकर सबले बढ़िया खेल होखल अबही बाकिये बा जवना खातिर ऊ कड़ा मेहनत करत बाड़े.
  • रूसी एथलीट वालेरी बोरचिन 13वां विश्व चैम्पियनशिप के 20 किलोमीटर पैदल चाल स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीत लिहले. ऊ एक घंटे 19 मिनट 56 सेकेंड में ई दूरी तय कइलन.
  • अबही ले छठवा जगह पर रहल भारतीय टीम के पुरुष विश्व स्क्वॉश चैम्पियनशिप में आठवां जगह से संतोष करे के पड़ल बा.
  • लीस्टरशायर काउंटी क्लब फ्रेंड्स लाइफ ट्वेंटी-20 फाइनल मुकाबला में समरसेट के 18 रन से हराके खिताब जीत लिहले बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up