देश दुनिया के खबर, बुध 24 अगस्त का दिने

by | Aug 24, 2011 | 0 comments

देश

  • अन्ना के आजु राति अस्पताल में भरती करावल जा सकेला. टीम अन्ना उनुका के अस्पताल ले जाये के विरोध ना करी.
  • सर्वदलीय बईठका का बाद सरकार के रुख में बदलाव आइल. जे सुनत रहे अब सुनावे लागल बा.
  • टीम अन्ना महसूस कइलसि कि आजु सरकार के रुख बदल गइल बा आ अब ऊ अपने कहल बाति से मुकरे लागल बिया.
  • दू दौर के असफल बातचीत का बाद अब काल्हु बियफहु के बातचीत चलत रही. सलमान खुर्शीद कहले कि बातचीत काल्हुओ जारी रही.
  • स्वामी अग्निवेश बुध का दिने कहले कि लोकपाल विधेयक का मुद्दा पर सरकार आ टीम अन्ना दुनु के अपना रुख में नरमी ले आवे के चाही.
  • विपक्षी दल लोकपाल विधेयक वापस लेबे के मांग कइलन आ नया विधेयक बनावे के माँग कइले. अन्ना के जन लोकपाल बिल से कवनो पार्टी पूरा के पूरा सहमत नइखे लउकत.
  • माने लायक बाति नइखे बाकिर देश मे सिर्फ 66 गो दवा निरीक्षक बाड़े. एह खुलासा का बाद दवाइन के गुणवत्ता के निगरानी करे वाला विनियामकन पर सवाल उठल.
  • वोट खातिर नोट मामिला में अमर सिंह, समेत छह लोग का खिलाफ आरोप-पत्र दाखिल भइल.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित प्रस्तावित लोकपाल का अधिकार क्षेत्र में अउरी ‘व्यापक’ करे के हिमायत करत कहली कि एकरा दायरा में मुख्यमंत्रिअनो के राखे के चाही.
  • अन्ना हजारे के कुछ भइल त सरकार जिम्मेदार होई : कहले केजरीवाल.
  • भाजपा सांसद मुरली मनोहर जोशी आरोप लगवले बाड़न कि केंद्र के गठबंधन सरकार भ्रष्टाचार का खिलाफ उठे वाली हर आवाज के दबावे के कोशिश करत बिया.
  • लोकपाल मुद्दा पर तीन गो भाजपा सांसद अपना पार्टी से इस्तीफा देबे के चेतवले काहे कि पार्टी एह मसला पर आपन रुख नइखे साफ करत. कांग्रेसो में आपसी खटपट चालू बा.
  • प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्य मंत्री वी. नारायणसामी बुध का दिने राज्यसभा में बतवले कि अन्ना हजारे के पक्ष के बनावल जन लोकपाल विधेयक के मसौदा संसद के स्थायी समिति का लगे भेज दिआइल बा.
  • गांधीवादी अन्ना हजारे के अनशन पर बनल गतिरोध तूड़े खातिर बोलावल सर्वदलीय बैठक में सर्वसम्मति से प्रस्ताव पारित करके अन्ना से आपन अनशन तूड़े के अपील कइल गइल बा.
  • हरियाणा में निलम्बित विधायक अपना निलम्बन का विरोध में विधानसभा परिसर के बाहर आपन ‘समानांतर सत्र’ चलवले.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि राज्य में नर्सन के कमी देखत 50 हजार मेहरारूवन के सिखावल जाई.
  • अमृतसर-चण्डीगढ़ दुरंतो एक्सप्रेस आजु बुध से शुरू कर दिहल गइल.
  • वोट खातिर नोट मामिला में दिल्ली पुलिस आजु बुध के समाजवादी पार्टी के नेता रहल अमर सिंह समेत छह लोग के खिलाफ विशेष अदालत में आरोप-पत्र दाखिल कइलसि.
  • अन्ना हजारे के आंदोलन के फायदा अगिली पीढ़ी के मिली : बाबा रामदेव.
  • लोकपाल आंदोलन : अन्ना के समर्थन में देश भर में धरना प्रदर्शन आजुवो चालू रहल.
  • मध्य प्रदेश सरकार शिक्षा के गुणवत्ता सुधारे आ पसारे खातिर शिक्षकन के 95 हजार 599 पद बनवलसि जवना चलते राज्य सरकार पर 742 करोड़ 57 लाख रुपये के अतिरिक्त भार आई.
  • द्रविड़ मुनेत्र कड़गम सांसद कनिमोझी का बाद अब केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा दिल्ली के एगो अदालत में कहले बाड़न कि 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन मामिला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के गवाह बना के बोलावल चाही.
  • शिवसेना प्रमुख बाल ठाकरे अन्ना हजारे से आपन अनशन तूड़े के अपील कइले बाड़न.
  • हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रेम कुमार धूमल सर्वोच्च न्यायालय के न्यायाधीश रहल एल. एस. पंटा के राज्य के नयका लोकायुक्त नियुक्त कइले.
  • विश्व हिंदू परिषद के 42 साल उमिर के कार्यकर्ता, जेकरा के उत्तरी दिल्ली में ओकरा घर में घुसके गोली मारल गइल रहे के आजु सबेरे मौत हो गइल.
  • केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल कहले बाड़न कि लोकपाल विधेयक पर संसद के विशेष सत्र बोलावल जा सकेला.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल के आरटीआई कार्यकर्ता आ अन्ना हजारे समर्थक शेहला मसूद के हत्या का मामिला में पुलिस के खास सुराग मिलल बतावल जात बा.
  • हरियाणा विधानसभा में हंगामा कइला पर काल्हु मंगल का दिने इंडियन नेशनल लोक दल के सगरी 31 विधायकन के जबरन निकाल दिहल गइल आ निलंबितो कर दिहल गइल.
  • संसद के दुनु सदन के कामकाज आजु शान्ति से चल रहल बा.
  • अन्ना हजारे के स्वास्थ्य पर चिंता जतावत राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सदस्य अरुणा रॉय आजु उनुका से रामलीला मैदान जा के भेंट कइली आ उनुकर हालचाल पुछली.
  • पिछला नौ दिन से अनशन पर बइठल अन्ना हजारे आजु बुध का दिने फेर हुंकार लगवले आ कहले कि भठियर मेटावे खातिर सरकार के नीयत साफ नइखे.
  • मध्य प्रदेश में एगो गरीब बुजुर्ग के अंतिम संस्कार खातिर लकड़ी ना जुटल त उनुका के झोपड़ी के लकड़ी आ पुरान टायर से जरावल गइल.
  • केंद्रीय मंत्री पवन कुमार बंसल के सरकारी आवास पर तैनात एगो सुरक्षाकर्मी अपने बन्दूक के गोली से आजु बुध का दिने घवाहिल हो गइल बा.
  • कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी एह महीने का अंत ले वापिस लवटि सकेली.
  • अन्ना मसला पर विचार करे खातिर आजु साढ़े तीन बजे दिन से सर्वदलीय बईठक होई.

दुनिया

  • पाकिस्तान में रावलपिंडी हवाई अड्डा पर पाकिस्तानी मूल के एगो ब्रिटिश महिला के पुलिस सिगरेट के 89 पेटियन का साथे हिरासत में लिहलसि त कराटे में ब्लैकबेल्ट महिला ओकरा से मारपीट करे पर उतारू हो गइल.
  • लीबिया संकट : त्रिपोली में भीषण लड़ाई जारी बा.
  • अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष प्रमुख रहल, डोमिनिक स्ट्रॉस-कान के यौन उत्पीड़न के मामिला से बरी कर दिहल गइल बा आ अब ऊ फ्रांस लवटि सकेले.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में स्थायी सीट खातिर अमेरिका अबहियो भारत के समर्थन में बा भलही भारत सीरिया के मसला पर वाशिंगटन के साथ ना दिहलसि.
  • निकारागुआ सरकार लीबिया के शासक मुअम्मार गद्दाफी के शरण देबे खातिर तइयार बिया.
  • संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार परिषद सीरिया में प्रदर्शनकारियन पर सुरक्षा बल के बल प्रयोग आ हिंसा के जांच कर के आदेश दिहले बा.
  • लीबिया के शासक कर्नल मुअम्मार गद्दाफी कहले बाड़न कि या त ऊ विद्रोहियन से लड़त शहीद हो जइहें ना त विजयी. तिसर कवनो बाति नइखे होखे वाला. ओने उनुकर विरोधी अपना जीत के खुशी मनावत बाड़े.
  • अमेरिका के पूर्वी तट पर काल्हु मंगल का दुपहरिया एगो मजगर भूकम्प महसूस कइल गइल. व्हाइटहाउस, कैपिटल आ पेंटागन समेत कई महत्वपूर्ण इमारतन के खाली करा लिहल गइल रहे.
  • दक्षिण रूस के एगो शस्त्र परीक्षण मैदान में मंगल का दिने भइल विस्फोट से छह लोग के मौत हो गइल बा आ 12 जने घवाहिल हो गइल बाड़े.

व्यापार व्यवसाय

  • एलएंडटी के एह साल का दुसरका तिमाही में 1340 करोड़ रुपिया के ठेका मिलल बा.
  • विश्व के प्रमुख कार निर्माता कम्पनी मर्सिडीज-बेंज भारत में ग्रेटर नोएडा स्थित बुद्ध अंतर्राष्ट्रीय सर्किट पर एगो ड्राइविंग अकादमी स्थापित करी.
  • सरकारी कंपनी गोवा शिपयार्ड के पिछला कारोबारी साल में 176 करोड़ रुपिया के शुद्ध लाभ. रक्षा पोतगाह के नजर मध्यपूर्व आ अफ्रीकी बाजार पर बावे.
  • देश के शेयर बाजार बुध का दिने सेंसेक्स में 213.49 अंक के गिरावट का साथ बन्द भइल.
  • सोनी ने बाजार में उतरलसि इंटरनेट वाला एलईडी टीवी के 15 गो जवना में नौ गो पूर्ण एचडी 3डी टीवी हई सँ.
  • जम्मू कश्मीर सरकार कुछ दुर्लभ जड़ी-बूटियन के संग्रहण पर लगावल रोक हटावे के सोचत बिया काहे कि पड़ोसी राज्य में एह जड़ी-बूटियन के खेती होखत बा आ चीन से निर्यात का चलते राज्य के बहुते नुकसान होखत बा.

मनोरंजन

  • ‘रंग रसिया’ अउर ‘साहिब बीबी और गैंग्स्टर’ जइसन फिलिमन में अंतरंग दृश्य देबे वाला अभिनेता रणदीप हुड्डा अब !ह तरह के किरदार ना करीहे काहे कि उनुकर माई मना कइले बाड़ी.
  • सलमान खान अभिनीत सफलतम बॉलीवुड फिल्म ‘दबंग’ के तमिल संस्करण ‘ओस्थी’ बने जात बा जवना में आयटम नंबर ‘मुन्नी बदनाम हुई’ खातिर कवनो नायिका के खोजल जा रहल बा.
  • अभिनेता शाहरुख खान के फिल्म ‘रा.वन’ के गीत ‘छम्मक छल्लो’ इंटरनेट पर लीक हो गइला का बादो शाहरुख खान अगिला महीना में अपना एह फिल्म के संगीत आधिकारिक रूप से पेश करीहे.
  • बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान एगो नया टीवी चैनल, हिस्ट्री से जोड़ल गइले. एईटीएन-18 (ए+ई नेटवर्क्‍स अउर टीवी 18 के संयुक्त उद्यम)ई घोषणा कइलसि.
  • अभिनेता अरबाज खान के ई-मेल एकाउंट केहू हैक कर लिहले बा.
  • हॉलीवुड के मशहूर जोड़ी ब्रैड पिट आ एंजेलिना जोली आपन मलिबू वाला हवेली बेचे वाला बाड़न. एह हवेली के दाम करीब साठ करोड़ रुपिया लगावल गइल बा.

खेल

  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के कोच एंडी फ्लावर कहले बाड़न कि उनुकर टीम एगो मजबूत भारतीय टीम के हरवला बा जवना के उनुका गर्व बा एकर पूरा श्रेय उनुका मिले के चाही.
  • पडेरबर्न जर्मनी में चलत विश्व पुरुष टीम स्क्वॉश चैम्पियनशिप के प्री-क्वार्टर फाइनल में भारतीय खिलाड़ी चहुँप गइल बाड़े.
  • भारतीय फुटबाल टीम के कप्तान रहल बाइचुंग भूटिया आजु अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल से संन्यास ले लिहले. कारण अपना चोट के बतवले बाड़न.
  • लगभग एक बरीस बाद शोएब मलिक अब पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) के केंद्रीय अनुबंध में लिहल जइहे.
  • विंस्टन सलेम ओपन : बोपन्ना-कुरैशी के जोड़ी प्री क्वार्टर फाइनल में हार गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up