देश दुनिया के खबर, मंगल 23 अगस्त का दिने

by | Aug 23, 2011 | 0 comments

देश

  • दिल्ली में झमाझम बारिश, गर्मी से राहत.
  • एगो अन्ना समर्थक दिल्ली में किसान घाट पर आत्मदाह करे के कोशिश कइलसि. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. अन्ना कहले कि लोग अइसनका गलत काम मत करे.
  • कांग्रेस सांसद शशि थरूर के कहना बा कि अन्ना हजारे के गिरफ्तारी बेवकूफी वाला काम रहल. कहलन कि देश में एगो मजगर लोकपाक के जरूरत बा बाकिर अगर ओकरा के बहुते ताकत दे दिहल गइल त ऊहो निरंकुश हो सकेला.
  • रामलीला मैदान में अनशन पर बइठल गांधीवादी अन्ना हजारे के तबियित बिगड़ल जात बा आ डाक्टर सलाह दिहले कि उनुका के ग्लूकोज चढ़ावे के जरूरत बा बाकिर अन्ना कहलन कि जान दे देब बाकिर ग्लूकोजना चढ़वाएब. अन्ना आजु जनता से अपील कइले कि अगर सरकार उनुका के जबरिया अस्पताल ले जाये के कोशिश करे त ओह कोशिश के नाकाम करे खातिर जनता रास्ता रोक लेव बाकिर हिंसा ना होखे के चाही.
  • भ्रष्टाचार पर प्रभावी अंकुश लगावे खातिर बनावल मध्य प्रदेश सरकार के विशेष न्यायालय विधेयक केंद्र का लगे पड़ल बा. मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से चिट्ठी लिख के एह विधेयक के जल्दी से राष्ट्रपति से सकरवावे के निहोरा कइले बाड़न.
  • लोकपाल आंदोलन : आजु अन्ना टीम आ सरकारी प्रतिनिधियन का बीच बात से एगो सहमति बनत लउकत बा. लेकिन कुछ बिन्दू पर अबहियो मतभेद बा.
  • कर्नाटक के लोकायुक्त रहल संतोष हेगड़े अन्ना हजारे से आपन अनशन तूड़े के निहोरा कइले बाड़न बाकिर आपन आन्दोलन जारी राखे के कहले बाड़न.
  • मंगल का दिने अन्ना के चिट्ठी लिख के प्रधानमंत्री उनुका से अनशन तूड़े के निहोरा कइले.
  • दिल्ली में एगो विहिप कार्यकर्ता के ओकरा घर में घुस के गोली मार दिहल गइल.
  • आठवो दिने अन्ना हजारे के समर्थन में देशव्यापी प्रदर्शन जारी रहल.
  • सर्वोच्च न्यायालय आरक्षण से क्रीमी लेयर के बाहर निकाले वाली एगो याचिका पर सुनवाई करत मंगल का दिने केंद्र अउर राज्य सरकारन के एगो नोटिस जारी कइले बिया.
  • अन्ना के आन्दोलन पर भारी बरखो के कवनो असर ना पड़ल आ लोग रामलीला मैदान में डटल रहल.
  • वंदेमातरम पर सैयद अहमद बुखारी के टिप्पणी के कुछ मुसलमान आलोचना कइले आ कहलन कि बुखारी के टिप्पणी हालात के साम्प्रदायिक रंग देबे के गैरजरूरी कोशिश बावे.
  • केन्द्र सरकार मंगल का दिने कुछ राज्य सरकारन के नक्सल विरोधी अभियान ला किराया पर हेलीकॉप्टर लेबे के अनुमति दिहलसि.
  • प्रभावी लोकपाल खातिर आजु संसद भवनपरिसर में नौ गो दल मिल के प्रदर्शन कइले. एहमें वामदल शामिल रहले.
  • आजु सबेरे कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से बातचीत कइले. बतावल जात बा कि अन्ना मामिला सलटावे खातिर ई बातचीत भइल.
  • केंद्रीय मंत्री सचिन पायलट आ मिलिंद देवड़ा कहले बाड़े कि कानून बनावे में संसद का भूमिका पर सवाल उठावल बुद्धिमानी नइखे.
  • राजस्थान के दू गो जिला – झुंझुनू अउर पाली में, एगो अभियान के तहत नसबंदी करावे वालन के एक लाख रुपिया दाम वाली नैनो कार दिहल जाई.
  • अन्ना मुद्दे पर प्रधानमंत्री से भेंट कर के शीला दीक्षित दिल्ली के मौजूदा हाल पर चिन्ता जतवली. कहली कि कबहियो अन्ना के समर्थक बेकाबू हो सकेले आ कानून व्यवस्था के हालत बिगड़ सकेला.
  • संसद के दुनु सदन के कार्यवाही 2 बजे ले टार दिहल गइल. विपक्ष बार बार आवाज उठवलसि कि भ्रष्टाचार पर चरचा करावल जाव.
  • जन लोकपाल विधेयक खातिर होत अन्ना हजारे के अनशन से उपजल हालात पर विचार करे खातिर सरकार काल्हु बुध का दिने सर्वदलीय बईठक बोलवले बिया.
  • आठ दिन से अनशन पर बइठल अन्ना हजारे आजु बतवले कि उनुकर तबीयत ठीक बा. साथ ही इहो कहलन कि हम रहीं भा ना रहीं, क्रांति के ई मशाल जरत रहे के चाहीं.
  • वन्देमातरम आ भारत माता की जय के विरोध करे वाला इमाम बुखारी के मनावे गइल किरण बेदी खाली हाथ लवटली.
  • अरविंद केजरीवाल आजु अन्ना हजारे के समर्थकन से कानून ना तूड़े आ आंदोलन के शिष्टाचार बरकरार राखे के अपील कइलन.
  • भाजपा आजु राज्यसभा में मांग कइलस कि प्रश्नकाल रोक के सदन में भ्रष्टाचार पर चर्चा करावल जाव. एह हो हंगामा में सदन की कार्यवाही दुपहरिया ले रोक दिहल गइल.
  • लोकसभा में विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज ने आजु कहली कि सदन में पेश भइल लोकपाल विधेयक पूरा तरह से बेअसर आ बिना दाँत के बा.
  • अन्ना हजारे के प्रमुख सहयोगी अरविंद केजरीवाल कहले कि सरकार बातचीत खातिर जिम्मेदार लोग के भेजे. जेही सेही से बात ना हो पाई.
  • अन्ना हजारे के भठियरपन विरोधी अनशन आजु आठवो दिन चालू बा. उनुका वजन में 5.5 किलो के कमी भइल बा. डाक्टर अन्ना के घाम में आवे से मना कइले बाड़े.
  • हरियाणा के करनाल में सोमार देर रात पटाखा की एक फैक्टरी में विस्फोट भइला से कम से कम पांच लोग मर गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइल.
  • कांग्रेस कोर कमेटी सोमार का दिने बईठक कर के अन्ना हजारे के अनशन पर मंथन कइलसि आ विपक्ष के हमला से निपटे खातिर रणनीति तय भइल.
  • अन्ना हजारे के आह्वान पर समर्थकन के हुजूम जब संजय निरुपम आ प्रिया दत्त के घर घेरल त दुनु जने जन लोकपाल के समर्थन में बयान दिहले. निरुपम त अन्ना टोपी पहिरले रहले.
  • कांग्रेस नेता अनिल शास्त्री काल्हु कहले कि सरकार अन्ना के हजारे के कमतर अँकलसि जवना से ई हालात बनल. कहलन कि पार्टी के सिविल सोसाइटी वालन से बात शुरु करे के चाहीं.
  • लोकपाल बिल पर विचार करे वाली संसद के स्थायी समिति के अध्यक्ष अभिषेक मनु सिंघवी काल्हु कहले कि मूल विधेयक में अस्सी फीसदी संसोधन हो सकेला.

दुनिया

  • लीबिया के शासक मुअम्मार गद्दाफी के बेटा सैफ अल-इस्लाम आजु अपना समर्थकन का साथे टीवी पर आके कहले कि त्रिपोली पर अबहियो सरकार के नियंत्रण बरकरार बा.
  • इंडोनेशिया के सुमात्रा द्वीप पर आजु मंगल के फजीर भूकम्प के झटका महसूस कइल गइल जवना के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 6.2 नापल गइल.

व्यापार व्यवसाय

  • द्रविड़ मुनेत्र कड़गम के राज्यसभा सदस्य कनिमोझी मंगल का दिने सीबीआई के विशेष अदालत में कहली कि प्रधानमंत्री आ तबके केंद्रीय वित्त मंत्री पी. चिदम्बरम 2जी लाइसेंस आवंटन का बारे में पूरा तरह वाकिफ रहले. सब कुछ ओह लोग का जानकारी में रहे आ भइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय केंद्र सरकार से साफ बतावे के कहले बिया कि रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड केंद्रीय बिक्री कर देव कि ओह राज्य के वैट, जहवां ऊ कृष्णा-गोदावरी बेसिन से निकालल गैस के आपूर्ति करेले.
  • आजु शेयर बाजारों में तेजी रहल आ सेंसेक्स 157 अंक ऊपर बन्द भइळ.
  • भारतीय रिजर्व बैंक गवर्नर डी. सुब्बाराव कहले बाड़े कि सार्वजनिक क्षेत्र के बैंकन में प्रभावी नियंत्रण आ संतुलन बनावे खातिर मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) आ अध्यक्ष के पद अलग-अलग होखे के चाहीं.
  • शेयर बाजार आजु मंगल का दिने गिरावट के रुख देखल जा रहल बा. जबकि खुलल रहे सेंसेक्स में 105.15 अंक के बढ़ोतरी का साथे।

मनोरंजन

  • फिल्म अभिनेता रजनीकांत मंगल का दिने अन्ना हजारे के आंदोलन के आपन समर्थन दिहले आ कहले कि आजु भठियरपन के उखाड़ फेंके के जरूरत बा.
  • सलमान खान के फिल्म “बाडीगार्ड” ईद का मौका पर रिलीज होखी. एहसे पहिले छोट बजट वाला छह गो फिल्म रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ.

खेल

  • चार मैच के टेस्ट श्रृंखला में भारतीय टीम के 4-0 से पटखनी दिहला का बाद अब इंग्लिश टेस्ट टीम के कप्तान एंड्रयू स्ट्रॉस कहले बाड़े कि उनुकर टीम भारतीय टीम के एकदिनो में हरावे के तइयार बिया.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के खिलाड़ी युवराज सिंह मंगल का दिने पाथवेज वर्ल्ड स्कूल का साथे मिलके आपन क्रिकेट अकादमी के शुरुआत कइलन.
  • आईसीसी के बल्लेबाजी रैंकिंग में भारत के राहुल द्रविड़ चार स्थान के छलांग लगावत शीर्ष-10 में पहुंच गइल बाड़े.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के कप्तान रहल नासिर हुसैन कहले कि सचिन तेंदुलकर ओवल टेस्ट मैच में आपन शतक पूरा ना कर पवले से ठीके रहल बा त उनुका सउवाँ शतक का खुशी में टीम के खराब प्रदर्शन लुका जाइत. वइसे कुछ लोग इहो कहऽता कि तब ऊ जरला पर नून छिड़कला लेखा रहीत.
  • भारतीय फुटबाल टीम के कप्तान रहल बाइचुंग भूटिया काल्हु बुध का दिने अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल से संन्यास के घोषणा करीहे.
  • पाकिस्तानी फुटबाल टीम के कोच तारिक लुत्फी के कहना बा कि भारत का साथे होखे वाला दोस्ताना श्रृंखला में उनुकर टीम कवनो ढिलाई ना बरती आ एह मुकाबिला के हलुका में ना लिहल जाई.
  • भारत के माथ महिला टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा डब्ल्यूटीए हार्ड कोर्ट टेक्सास ओपन टूर्नामेंट के पहिलके दौर में हार गइल बाड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up