देश दुनिया के खबर, शनिचर 27 अगस्त का दिने

by | Aug 27, 2011 | 0 comments

देश

  • गुजरात में राज्य सरकार के सहमति बिना लोकायुक्त के एकतरफा नियुक्ति पर भाजपा नाराजगी जतवलसि.
  • संसद में अपना भाषण में लालू कहले कि अन्ना हजारे के गुमराह कइल जा रहल बा. ऊ एह पूरा प्रकरण में सरकार के भूमिका पर सवाल उठवले आ कहले कि अइसे कइला पर संसद के सर्वोच्चता खतम हो जांई.
  • लोकपाल आंदोलन : दिन भर चलल चरचा का बाद अधिकतर सांसद या त अन्ना के अन्ना के समर्थन आपन राय दिहले या विरोध ना कइले. अन्ना आन्दोलन का खिलाफ सबसे जोरदार आवाज लालू प्रसाद के रहल जिनकर कहना रहे कि ई के लोग हऽ जे संसद के कानून पढ़ावऽता.
  • जद-यू नेता शरद यादव आजु संसद में अपना भाषण में अन्ना हजारे के सहयोगियन के चेतवले कि ऊ लोग अपना बोली पर काबू राखे ना त ओहू लोग के पगड़ी उछालल जा सकेला.
  • पंजाब अउर हरियाणा उच्च न्यायालय के न्यायाधीश रहल निर्मल यादव के एगो सीबीआई अदालत लाखों रुपिया के घूस से जुड़ल मामिला में आजु शनिचर के जमानत दे दिहलसि.
  • ‘आर्ट ऑफ लिविंग’ के संस्थापक आ आध्यात्मिक गुरु श्री श्री रविशंकर अन्ना हजारे से आपन अनशन साँझ छह बजे ले तूड़े के निहोरा कइले रहले. कर्नाटक के लोकायुक्त रहल एन. संतोष हेगड़े उम्मीद जतवले कि आजु साँझ के कवनो समाधान हो जाये के चाहीं.
  • किरण बेदी बतवली कि अन्ना हजारे प्रभावी जन लोकपाल विधेयक के तीन गो प्रमुख मांग के संसद में मिलल समर्थन से बहुते खुश बाड़न.
  • संदीप दीक्षित अन्ना के प्रमुख मांगन के समर्थन कइलन.
  • प्रणव मुखर्जी ने भाषण के हिंदी अनुवाद ना मिलला पर कुछ सांसद नाराजगी जतवले.
  • छत्तीसगढ़ के राजधानी रायपुर में शनिचर का दिने अन्ना हजारे के समर्थन में विद्यालय आ बाजार बंद रहल.
  • लोकसभा में लोकपाल विधेयक पर चर्चा शुरू होखला पर राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव एकर विरोध कइलन कहलन कि एहसे संसद के स्थायी समिति के दरकिनार कइल जा रहल बा.
  • अन्ना हजारे अपना अनशन के 12वों दिने कहले कि उनुका कवनो थकावट नइखे आ अबही चार-पांच दिन अउरी अनशन कर सकेले.
  • टीम अन्ना से आपन असहमति के संकेत देत सर्वोच्च न्यायालय के न्यायाधीश रहल न्यायमूर्ति एन. संतोष हेगड़े काल्हु कहले कि अन्ना हजारे के आपन अनशन तूड़ देबे के चाहीं आ संसद के कवनो निर्देश दिहला से परहेज करे के चाहीं.
  • करूणानिधि राजीव के हत्यारन के माफ कर देबे के अपील सोनिया गाँधी से कइले बाड़न.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से अपील कइले बाड़न कि मनिंदरजीत सिंह बिट्टा पर आतंकवादी हमला के आरोप में मृत्युदंड पवले देवेंदर पाल सिंह भुल्लर के माफी दिआवसु.

दुनिया

  • पाकिस्तान के तीन गो सीमा चौकियन पर अफगान आतंकवादियन का हमला में 25 आदमी मरइले. मरे वालन में 15 गो पाकिस्तानी सुरक्षाकर्मी रहले.
  • रूस 8,000 किलोमीटर दूरी तक मार करे वाला बैलिस्टिक मिसाइल “बुलावा” के अपना एगो परमाणु क्षमता वाली पनडुब्बी से सफल परीक्षण कइलसि.
  • लीबिया में अधिकतर इलाकन पर विद्रोहियन के काबिज भइला का बाद मानल जात बा कि लीबियाई शासक मुअम्मार गद्दाफी आ उनुकर बेटा छह गो बख्तरबंद वाहन से लीबिया-अल्जीरिया सीमा पार कर गइल बाड़े.
  • पाकिस्तान के कराची शहर में पिछला महीना भड़कल हिंसा का सिलसिला में पुलिस 185 लोग के गिरफ्तार कइले बिया.
  • इंडोनेशियाई पुलिस शनिचर का दिने सवारियन से भरल एगो रेलगाड़ी के अपहरण के कोशिश नाकाम कर दिहलसि.
  • तूफान आइरीन का चलते न्यूयार्क में आपातकाल के घोषणा. आइरीन तूफान अमेरिका के पूर्वी किनार का ओरि बढ़ रहल बा.
  • अंतरिक्ष में भुलाइल एगो रूसी उपग्रह दोसर अंतरिक्ष यान भा उपग्रहन खातिर खतरा पैदा कर सकेला.
  • पाकिस्तान में शनिचर के सबेरे भूकम्प आइल जवना के तीव्रता 5.5 रहल.
  • नेपाल में भारत के राजदूत जयंत प्रसाद राष्ट्रपति राम बरन यादव के आपन परिचय पत्र पेश कइला का बाद कार्यभार सम्हार लिहले.

व्यापार व्यवसाय

  • दिल्ली में बिजली दर बढ़ला का बादो मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के कहना बा कि दिल्ली के बिजली दर पड़ोस के हरियाणा अउर उत्तर प्रदेश से अबहियो कमे बा.
  • विख्यात अमेरिकी गिटार निर्माता कम्पनी गिब्सन करीब करीब खतम हो चुकल प्रकार के भारतीय लकड़ी के अवैध आयात के आरोप पर होत जाँच का बीच उत्पादन बंद कर दिहले बिया.
  • विदेशी पूंजी भंडार में 19 अगस्त के बीतल हफ्ता में 1.61 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल बा.
  • एयर इंडिया घाटा वाला राहन पर उड़ान में कमी करी. एह कंपनी पर 10 अरब डालर के देनदारी हो गइल बा.
  • तेल के दाम तय करे वाली समिति के अध्यक्ष किरीट ए. पारेख कहले बाड़न कि महंगाई बढ़े का डर से सरकार डीजल के दाम पर से नियंत्रण हटावल नइखे चाहत.

मनोरंजन

  • आजु अन्ना के समर्थन करे चहुँपल सोनू निगम रामलीला मैदान में ‘वैष्णव जन तो तेने कहिये जे पीर परायो जाने रे’ भजन गवले.
  • गोवा के प्रसिद्ध संगीतकार रेमो फर्नाडीज अन्ना हजारे के मुहिम का समर्थन में एगो गाना लिखले बाड़े जवना के ऊ एगो ‘छोटहन सहयोग’ कहले बाड़न.
  • आजु रामलीला मैदान चहुँपल फिल्म अभिनेता आमिर खान अन्ना हजारे से आपन अनशन तूड़े के अपील कइले.
  • फिल्मकार अनुराग कश्यप के निर्माण में बनल अगिला फिल्म ‘दैट गर्ल इन येलो बूट्स’ ब्रिटेन में मारा पिक्चर्स के साथ भइल समझौता का तहत प्रदर्शन होई.

खेल

  • जमैका के खेल मंत्री ओलिविया ग्रांज के अफसोस बा कि 13वीं विश्व चैम्पियनशिप के 100 मीटर स्पर्धा में सबसे तेज धावक आसफा पावेल शामिल ना हो पइहे. 28 साल के फर्राटा धावक पावेल अबही अपना पट्टा में लागल चोट से उबरल नइखन.
  • वियतनाम ओपन बैडमिंटन का सेमीफाइनल में भारत के गुरु साईदत्त आ जयराम सेमीफाइनल में हार गइले.
  • विश्व स्क्वॉश चैम्पियनशिप : प्लेऑफ में इटली से हारा गइल भारत.
  • पाकिस्तान की अंडर-23 फुटबाल टीम के खिलाड़ी ब्रिटेन दौरा टार दिहला से निराश बाड़े. एह दौरा पर पाकिस्तानी टीम भारत का साथे दू गो मैच खेले वाला रहल.
  • 13वां विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप-2011 के पहिला दिने शनिचर के महिला मैराथन में तीनों पदक केन्या का नामे रहल.
  • भारत की महिला एथलीट हरवंत कौर 13वां विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप-2011 के चक्का फेंक क्वालीफाईंग मुकाबला में 21वां जगहा पर रहली आ मुख्य दौर से बाहर हो गइली.
  • अभ्यास मैच में भारत काउन्टी क्लब केंट के पाँच रन से हरा दिहलसि. बरखा का चलते मैच बीस बीसे ओवर के भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up