देश दुनिया के खबर, शुक 2 सितम्बर का दिने

by | Sep 2, 2011 | 0 comments

देश

  • त्यागपत्र पर सेन के हस्ताक्षर असली ना ह : राष्ट्रपति कार्यालय असली पत्र के प्रतीक्षा में.
  • सीबीआई छापा के बाद लोकसभा अध्यक्ष के सचिव एपी पाठक के उनुका पद से हटा के मूल विभाग में भेजल गइल. छापा में बेहिसाब संपत्ति मिलल.
  • किरण बेदी कहले बाड़ी कि अगर संसद से विशेषाधिकार के नोटिस मिलल त ऊ माफी ना मँगीहे.
  • एगो टीवी चर्चा का दौरान कांग्रेस के शकील अहमद कहले कि हारल सरकार नइखे, हारल अन्ना बाड़े बाकिर टीवी मीडिया बात के उलट के देखावत बा.
  • केन्द्र सरकार साफ कर दिहलसि कि एसजीपीसी के चुनावी नियम में कवनो बदलाव नइखे भइल आ सहजधारी सिक्ख अह चुनाव में हिस्सा ना ले पइहे.
  • आरोपन का दबावमें आंध्र के मुख्यमंत्री रहल चंद्रबाबू नायडू आपन आ अपना परिवार के सम्पत्ति के सार्वजनिक घोषणा कइले. उनुका आ परिवार का लगे 40.28 करोड़ रुपिया के सम्पत्ति बा.
  • केंद्रीय मंत्री फारूक अब्दुल्ला ने अफजल गुरू पर अपना बेटा आ जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के टिप्पणी के ‘साफ आ सही’ बतवले बाड़े.
  • पिछला एक साल का दौरान सूचना का अधिकार के कम से कम 12 कार्यकर्ता मारल गइल बाड़े. भोपाल के शेहला मसूद के हत्या का बाद एह लोग के सुरक्षा पर चिन्ता हो रहल बा.
  • केन्द्र सरकार विपक्ष पर, खास कर के भाजपा पर, संसद में ‘अवरोधक’ रवैया अपनावे के आरोप लगवलसि आ कहलसि कि एह चलते कुछ जरुरी विधेयक पेश नइखे कइल जा पावत.
  • मध्य प्रदेश के जबलपुर सुभाष चंद्र बोस चिकित्सा महाविद्यालय के नर्स सब अपना तीन गो मांग खातिर बेमियादी हड़ताल पर चल गइल बाड़ी जवना से अस्पताल के काम ठप पड़ गइल बा.
  • अन्ना हजारे आजु अपना गाँव रालेगांव सिद्धि में एगो सभा के संबोधित करत कहले कि सरकार में झूठा भरल बाड़े सँ आ अबही लमहर लड़ाई लड़े के बा.
  • भारतीय जनता पार्टी आरोप लगवले बिया कि सरकार सामाजिक कार्यकर्ता अरविंद केजरीवाल के बेमतलब निशाना बनावत बिया. केजरीवाल के नौ लाख रुपिया बकाया चुकावे के नोटिस दिहल गइल बा.
  • भाजपा नेता आ केंद्रीय वित्त मंत्री रहल जसवंत सिंह कहले कि अबही ले उनुका 2जी स्पेक्ट्रम मामिला में पूछताछ के सीबीआई नोटिस नइखे मिलल लेकिन जब मिली त ऊ जाँच में पूरा सहयोग दीहें.
  • कांग्रेस केंद्रीय मंत्री रहल शंकरसिंह वाघेला के गुजरात में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव खातिर पार्टी के प्रचार समिति के अध्यक्ष नियुक्त कइलसि.
  • छत्तीसगढ़ में भारतीय जनता पार्टी सरकार लोकसेवा गारंटी अधिनियम तइयार करे में लागल बिया.
  • राजस्थान के जैसलमेर शहर में हजार साल पुराने किला के देवार के एगो हिस्सा भहरा गइल बाकिर केहू घवाहिल नइखे भइल.
  • लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार के सचिव एपी पाठक का दिल्ली आ लखनऊ आवास पर सीबीआई छापा मरलसि.
  • अरविंद केजरीवाल अपना पर नौ लाख रुपिया के बकाया रहला के आयकर विभाग के नोटिस के आधारहीन बतवले.
  • गुजरात में राज्य सरकार से बिना पूछले लोकायुक्त के नियुक्ति का विवाद पर आजुओ संसद ठीक से ना चल पावल. बाद में भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के नेतृत्व में पार्टी के लोग राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील से भेंट करके राज्यपाल के वापिस बोलावे के माँग कइल.
  • मुम्बई हवाईअड्डे पर आजु फजीरे मुख्य हवाईपट्टी का लगे तुर्की के एगो जहाज बिछला गइल. विमान में 97 यात्री आ चालक दल सदस्य मौजूद रहले. केहू घवाहिल नइखे भइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु सेना के निर्देश दिहलसि कि ऊ ओह 11 महिला सैन्य अधिकारियन के बहाल कर ले, जे सशस्त्र बल में महिला अधिकारियन के स्थाई नियुक्ति वाला आदेश दिहला से पहिलही रिटायर कर गइल रही.
  • मध्य प्रदेश में लूट के इरादा से डेढ़ दर्जन हत्या करे वाला सीरियल किलर सरमन शिवहरे का ससुराल से पुलिस पांच लाख रुपियो से बेसी के हीरा बरामद कइले बिया.
  • अन्ना हजारे अबहियो तनी कमजोरी महसूस करत बाड़े बाकिर आजु शुक का साँझ ऊ एगो के सम्बोधित करीहें.
  • त्रावणकोर शाही परिवार के लोग सर्वोच्च न्यायालय से कहले कि श्री पद्मनाभस्वामी मंदिर के बी-तहखाना ना खोलल जाये के चाहीं. कहल लोग कि मंदिर के परम्परा का चलते बरामद खजाना के वीडियोग्राफी भा फोटोग्राफीओ ना करावल गइल.
  • वायु सेना तय कइले बिया कि अबसे दुर्घटना होखे खातिर बदनाम मिग-21 सुपरसोनिक लड़ाकू विमानन के अनुभवीए पायलट उड़इहे, नौसिखुआ ना.
  • पश्चिम बंगाल में 34 वर्ष बाद सत्ता से बहरियाइल वाम मोर्चा भवानीपुर विधानसभा निर्वाचन क्षेत्र में राज्य के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी का खिलाफ एगो महिला प्रोफेसर के चुनाव मैदान में उतारी.
  • सर्वोच्च न्यायालय काल्हु मालेगांव बम विस्फोट मामले में साध्वी प्रज्ञा सिंह ठाकुर के जमानत याचिका पर फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • भारतीय वायु सेना प्रमुख नॉरमन अनिल कुमार ब्राउन एह खबर के खारिज कर दिहले कि चीन का मिसाइलन से भारत के खतरा बा. कहलन कि अइसनका हालात से निबटे खातिर भारत के आपन योजना मौजूद बा.

दुनिया

  • बीजिंग में 2008 में भइल ओलम्पिक खेल खातिर बनल “स्वर्ण” शुभंकर में अब जंग लागे लागल बा आ जे लोग शुभंकर खरीदले रहल अब ठगाइल महसूस करत बाड़े. तब कहल गइल रहे कि शुभंकर 99.9 फीसदी टंच सोना के ह.
  • पाकिस्तान में ईद के खुशी मनावत 30 गो लड़िकन के गलती से अफगानिस्तान सीमा में घुस गइला का बाद तालिबानी आतंकवादी ओकनी के अगवा कर लिहले बाड़े सँ.
  • नीदरलैंड के प्रधानमंत्री मार्क रुट कहले बाड़े कि देश में जब्त कइल लीबिया के दू अरब डॉलर के संपति लीबिया के दे दिहल जाई.
  • लीबिया के नेता मुअम्मार गद्दाफी आत्मसमर्पण करे से इंकार करत अपना समर्थकन से कहले बाड़े कि लड़ाई जारी राखे लोग.

व्यापार व्यवसाय

  • सरकार के नयका खाद्य सुरक्षा निर्देशन में गुटखा तंबाकू के प्रतिबंधित ‘खाद्य पदार्थन’ का श्रेणी में राखल गइल बा.
  • हीरो मोटर्स भारतीय एफ-1 में कार्तिकेयन के प्रायोजित करी.
  • शेयर बाजार में आजुओ तेजी रहल सेंसेक्स 145 अंक उछल के बंद भइल.
  • दू दिन का बंदी का बाद खुलल शेयरबाजार में आजुओ तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स अंक चढ़ के बंद भइल.
  • यूरोप में उधारी के संकट आ घरेलू स्तर पर के दिक्कत देखत व्हाइट हाउस अमेरिका के आर्थिक वृद्धि आ रोजगार खातिर बहुत उमेद नइखे राखत.

मनोरंजन

  • विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में भारत का झोरी में कुछ ना पड़ल आ खाली हाथ खालिये रहि गइल.
  • बॉलीवुड अभिनेता आ कांग्रेस के तरफ से सांसद रहल गोविंदा एह बाति के नकरले बाड़े कि कवनो वित्तीय विवाद का चलते ऊ अपना निर्माता जीजा जीजा प्रवीण खन्ना के थप्पड़ मरले भा धमकवले.
  • बॉलीवुड फिल्म निर्मातन खातिर भोपाल आकर्षण के केंद्र बन चुकल बा. आजुओ एहिजा ‘गली गली में चोर है’ फिल्म के शूटिंग भइल.
  • मशहूर कत्थक नृत्यांगना सितारा देवी के 91 साल का उनिर में आजु ‘लीजेंड्स ऑफ इंडियन लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड 2011’ से सम्मानित कइल गइल.
  • अभिनेता सलमान खान पिट्सबर्ग के एगो अस्पताल में आठ घंटे तक चलल सर्जती का बाद स्वास्थ्य लाभ लेत बाड़े.
  • मशहूर मराठी संगीतकार आ निर्देशक श्रीनिवास खाले के 85 साल का उमिर में आजु सबेरे उनुके घर पर निधन हो गइल.

खेल

  • शुक का दिने कोलकाता के साल्ट लेक स्टेडियम में भइल फीफा अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मुकाबले में अर्जेंटिना वेनेजुएला को 1-0 से हरा दिहलसि.
  • लगे चहुँपियो के निशाना दूर लागत बा आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के जेकरा गॉल अंतर्राष्ट्रीय स्टेडियम में जारी पहिला टेस्ट मैच जीते खातिर चउथको दिन एह काम में खेले के पड़ी. श्रीलंका टीम 379 रन के लक्ष्य चहेटे में अपना पांच बल्लेबाजन के 68 रन पर गँवा दिहले बिया.
  • इंग्लैंड दौरा पर अबही ले बेहद निराशाजनक प्रदर्शन करे वाली भारतीय क्रिकेट टीम शनिचर का दिने खेलल जाये वाला पहिलका एकदिना जीते के पूरा कोशिश करीहें.
  • श्रीलंकाई क्रिकेट टीम गॉल अंतर्राष्ट्रीय स्टेडियम में पहिला टेस्ट मैच के तिसरा दिने आस्ट्रेलिया के दूसरकी पारी 210 रन पर समेट दिहले. अब मैच जीते खातिर श्रीलंका के 379 रन बनावे के पड़ी.
  • कोलकाता में आजु शुक के साँझ होखे वाला अर्जेटीना आ वेनेजुएला के राष्ट्रीय फुटबाल टीमन का बीच होखे वाला दोस्ताना मुकाबला से पहिले मौसम साफ बा, लागत बा कि इंद्रो देवता अर्जेटीना के सुपर स्टार लियोनेल मेसी पर मेहरबान बाड़े.
  • भारतीय टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन आ फिलीपींस के ट्रीट कोनरार्ड हुए के जोड़ी शानदार जीत दर्ज करके साल के आखिरी ग्रैंड स्लैम अमेरिकी ओपन के दुसरका दौर में प्रवेश कर गइल. लेकिन सानिया मिर्जा आ महेश भूपति के मिश्रित जोड़ी पहिलके दौर में हार गइल.
  • चीन के शहर ओरडोस में काल्हु से शुरू होखे जा रहल पहिलका एशियाई पुरुष चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी प्रतियोगिता में भारत के पहिला मुकाबला मेजबान चीन का साथे होके वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up