देश दुनिया के खबर, सोमार 22 अगस्त का दिने

by | Aug 22, 2011 | 0 comments

देश

  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहलन कि उनुकर मंत्रालय मनरेगा के अनुभव का आधार पर लोग के समस्या जड़ से दूर करे वाला विधेयक बनावे में लागल बा.
  • आंध्र प्रदेश में चिरंजीवि के प्रजा राज्यम पार्टी के विधायक सोमार का दिने कांग्रेस की सदस्यता ले लिहले आ एकरा साथही विलय पूरा हो गइल.
  • हजारे के समर्थन में अमेरिका में निकलल भारतीयन के रैली.
  • आजु सोमार का दिने अन्ना हजारे समर्थक कांग्रेस मुख्यालय आ सांसद के आवास पर जगहे जगह प्रदर्शन कइले.
  • सीबीआई जगन के सम्पत्ति के जाँच के आगे बढ़वलसि आ बरामद दस्तावेजन के जाँच शुरु कइलसि.
  • दिल्ली में प्रति व्यक्ति आय बिहार से सात गुना आ उत्तर प्रदेश से पांच गुना बेसी बा.
  • जन्माष्टमी पर देश भर में देवालयन पर उमड़ले श्रद्धालु.
  • लोकपाल आंदोलन : सोमार का दिने अन्ना के अनशन के सात दिन पूरा हो गइल बाकिर अबही ले सरकार का तरफ से कवनो ठोस पहल नइखे भइल. एह बीच अन्ना के वजम पाँच किलो घट गइल बा आ उनुका पेशाब आ खून में कीटोन बडीज मिले लागल बा.
  • लोकसभा के पूर्व अध्यक्ष सोमनाथ चटर्जी भ्रष्टाचार का खिलाफ अन्ना हजारे के आंदोलन के अलोकतांत्रिक बतावत प्रधानमंत्री के एगो ईमानदार मनई बतवले बाड़न.
  • राँची में अन्ना हजारे समर्थक केंद्रीय पर्यटन मंत्री सुबोध कांत सहाय का घर के बहरी प्रदर्शन कइले आ उनुका से अन्ना के पागल कहे खातिर सार्वजनिक तौर पर माफी मांगे के कहले.
  • अन्ना हजारे के सैकड़ों समर्थक सोमार का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के असम के गुवाहाटी वाला आवास पर प्रदर्शन कइले.
  • आंध्र प्रदेश में वाईएसआर कांग्रेस के अध्यक्ष वाई. एस. जगनमोहन रेड्डी के समर्थक 29 गो विधायक इस्तीफा दे दिहले बाड़े.
  • गोवा में नाफ्था के पाइपलाइन में 72 घंटे से लागल आग ना बुतला का चलते अब पाइपलाइन के बन्द करे के फैसला लिहल गइल बा.
  • देश के पूर्व मुख्य चुनाव आयुक्त जे.एम. लिंगदोह अब अन्ना हजारे के जन लोकपाल विधेयक के समर्थन में आगे आइल बाड़न.
  • भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी अतवार का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से इस्तीफा मँगले आ कहले कि देश भर में चलत आन्दोलन उनुका खिलाफ बा.
  • मध्य प्रदेश के बड़वानी जिले बस कर्मचारियन के आपसी झगड़ा में एगो बस के बन्द कर के आग लगा दिहल गइल जवना से दस गो सवारी जिन्दा जर गइले आ 15 यात्री झँउसल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइले.

दुनिया

  • नेपाल में प्रमुख राजनीतिक पार्टियन का बीच प्रधानमंत्री पद खातिर कवनो उम्मीदवार पर सहमति नइखे बन पावल आ ओने माओवादी हथियार सँउपे से मना कर दिहले बाड़े.
  • फिलीस्तीनी इस्लामी संगठन, हमास अउर इजरायल पांच दिन के लड़ाई के बाद सोमार का दिने संघर्ष विराम पर राजी हो गइले.
  • लीबिया संकट : त्रिपोली के अधिकांश हिस्सा पर विद्रोहियन के कब्जा.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी के कहना बा कि कराची में सैन्य कार्रवाई समस्या के स्थायी समाधान ना हो सके.
  • सीरिया में पिछला कई महीने से चलत सरकार विरोधी प्रदर्शन का बावजूद राष्ट्रपति बशर अल-असद कहले कि उनुका सरकार के कवनो खतरा नइखे आ हिंसा फइलावे वालन से कड़ाई से निबटल जाई.

व्यापार व्यवसाय

  • विमानन कम्पनियन पर हवाईअड्डा प्राधिकरण के 11.11 अरब रुपिया बकाया बा.
  • अगिला कुछ साल भारत आ चीन जइसन देशन खातिर बीपीओ बाजार में तेजी वाला रही. रिसर्च कम्पनी गार्टनर के कहना बा कि ग्राहक प्रबंधन, लेखांकन, बैंकिंग आ वित्तीय क्षेत्र में आउटसोर्सिग सेवा के मांग बढ़ला से साल 2015 तक बीपीओ कारोबार में तेजी रही.
  • देश के शेयर बाजारन में सोमार का दिने तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स 200.03 अंक चढ़ के बन्द भइल.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी उद्योगपतियन से कहली कि उनुका पार्टी तृणमूल कांग्रेस के नाम पर केहू के धन मत देव लोग.

मनोरंजन

  • महान फिल्मकार कमाल अमरोही के बेटा शानदार अमरोही के निधन से उनुकर जीवनी लिखे वाली बरखा राय के ठकुआ मरले बा. बरखा राय मशहूर अभिनेत्री रीना राय के बहिन हई आ एह घरी शानदार अमरोही का साथे रहके उनुकर आत्मकथा लिखत रहली.
  • फिल्म ‘आरक्षण’ के प्रदर्शन से रोक हटला का बाद निर्देशक प्रकाश झा अब एगि नया फिलिम बनावल तय कइले बाड़नजवना में देखावल जाई कि के तरह संविधानेतर साधन का सहारे कलाकारन के मुंह बंद करावे के कोशिश होला.
  • कैटरीना, करीना के बीच कड़वाहट खतम होखे के संकेत तब मिलल जब दुनु लक्मे फैशन सप्ताह एक दोसरा का साथ बहुते सहज पेश अइली.

खेल

  • ओवल टेस्ट : पारी के हार का साथे भारत के 0-4 से सफाया. कुछ अउरी बोलल बतावल जरूरी नइखे.
  • तेज गेंदबाज लसिथ मलिंगा (35/3) के एकदिना मैचन में तीसरा हैट्रिक का बदौलत श्रीलंका क्रिकेट टीम सोमार का दिने कोलम्बो के प्रेमदासा स्टेडियम में होत मैच में आस्ट्रेलिया के 211 रन पर रोक लिहले.
  • कैरेबियाई देश त्रिनिदाद अउर टोबैगो के राष्ट्रीय फुटबाल टीम पोर्ट ऑफ स्पेन के हैसले क्राफोर्ड स्टेडियम में अतवार का दिने खेलल दोस्ताना मुकाबिला में भारतीय टीम के 3-0 से हरा दिहले.
  • इंग्लैंड का साथे भइल टेस्ट श्रृंखला में बहुते खराब तरीका से हारे वाली भारतीय क्रिकेट टीम के एकदिना श्रृंखला शुरू होखे से पहिले तगड़ा झटका लागल बा. ओकर सलामी बल्लेबाज वीरेंद्र सहवाग आ मध्यम गति के गेंदबाज इशांत शर्मा चोट का चलते एकदिना से बाहर हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up