देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 19, 2011 | 0 comments

(अतवार 18 सितम्बर)
देश

  • गोवा में अवैध खनन का मामिला में 20 फीसदी खानन के नोटिस भेजल गइल बा.
  • जद-यु नइखे चाहत कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे भाजपा
    बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल-युनाइटेड गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के उपास से दूरी त बनवलही बा, 2014 के आम चुनाव में उनुका के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे का खिलाफ आवाजो उठवले बा. हालांकि नीतीश कुमार अपना मुँह से कुछ नइखन बोलले. बिहार जदयू अध्यक्ष बशिष्ठ नारायण सिंह के कहना बा कि “मोदी के उपास से हमनी के कवनो लेना देना नइखे. ई भाजपा के प्रदर्शन हवे, राजग के ना.” अतने ना, वशिष्ठ नारायण सिंह इहो जोड़ले कि, “जहां ले विकास, सद्भावना अउर बेहतरी खातिर बदलाव के सवाल बा, नीतीश कुमार माथ पर बाड़न आ नीतीश मॉडल के चरचा देश में आ बाहरो होखत बा.”

    एगो अउरी जदयू नेता शिवानंद तिवारी मोदी के छवि पर सोझे सवाल उठावत कहले कि जवन आदमी अपना राज्य में ‘राजधर्म निभावे में विफल’ रहल ओकरा पर कइसे विश्वास होखे कि ऊ देश में राजधर्म निभा पाई. कहलन कि मोदी राजग के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार के रूप में सकारल ना जा सकसु.

    राजनीतिक जानकारन के कहना बा कि बिहार के जदयू में नीतीश कुमार का मरजी बिना कुछ ना होखे आ सब कुछ उनुका सहमतिए से कहात बा.

    जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव कहले कि जवना देश में 70 से 80 फीसदी लोग भूखे रहि जाला ओहिजा एक आदमी के उपास राष्ट्रीय बहस के मुद्दा बन गइल अफसोस के बाति बा.(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

  • उपवास पर राजनीति गरमात देखि नरेन्द्र मोदी सफाई दिहले बाड़न कि ऊ अपना के प्रधानमंत्री का रूप में स्थापित करे खातिर ई उपास नइखन करत.
  • पश्चिम बंगाल विधानसभा उपचुनाव लड़त मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के निर्वाचन क्षेत्र में तृणमूल के प्रचार अभियान का दौरान नारेबाजी कम आ रवींद्र संगीत अधिका सुनात बा.
  • पश्चिम बंगाल में चार गो जहरखुरानन के अतवार का दिने रेलवे पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • अपना मरद के हरकत से तंग आ के मध्य प्रदेश के बैतूल जिला में एगो मेहरारू ओकरा के पत्थर से कूच के मुआ दिहलसि. पुलिस ओकरा के हत्या के मुकदमा में गिरफ्तार कर लिहयले बिया.
  • 2002 में भइल गुजरात दंगा मामिला में मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के भूमिका पर सवाल उठावत सर्वोच्च न्यायालय में हलफनामा दाखिल करे वाला वरिष्ठ पुलिस अधिकारी संजीव भट्ट के अतवार का दिने आरोपपत्र थमा दिहल गइल.
  • मौसम विभाग के कहना बा कि मानसून अब समाप्ति पर बा.
  • तमिलनाडु के पहाड़ी इलाकन में औरतन के मुफ्त में स्टोव बाँटल जाई. हालांकि एह योजना के सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दिहल गइल बा.
  • गुजरात मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के ‘सद्भावना’ उपास का खिलाफ प्रदर्शन करे से पहिलही मल्लिका साराभाई आ मुकुल सिन्हा समेत बीसेक लोग के अतवार का दिने हिरासत में ले लिहल गइल.
  • विस्फोटक का साथे एगो महिला नक्सली के झारखण्ड के गढ़वा जिला से अतवार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • तमिलनाडु में भाकपा के वरिष्ठ नेता आ संस्थापकन में से एक सी. सुब्रह्मण्यम के अतवार का दिने चेन्नई में 102 साल का उमिर में निधन हो गइल.
  • नरेन्द्र मोदी के उपास के समर्थन देबे खातिर झारखण्ड के मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा अहमदाबाद जइहन.
  • असम को संयुक्त राष्ट्र से अपना ग्रामीण स्वच्छता कार्यक्रम खातिर 25 लाख डॉलर के सहायता मिलल बा.
  • छत्तीसगढ़ के राजनांदगांव जिला में एगो आदमखोर बाघ का चलते दर्जन भर गांव के लोग दहशत में जियत बा.
  • पुणे पुलिस अतवार का दिने एगो व्यापारी के ढेरे विस्फोटक आ हथियारन का साथ गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • बैंक परीक्षा में ना बइठे दिहल गइल परीक्षार्थी अतवार का दिने मध्यप्रदेश में कई जगहा हंगामा कइलन.
  • अन्ना के ‘राइट टू रिकॉल’ विचार के अव्यवहारिक बतवले संवैधानिक विशेषज्ञ.
  • मध्य प्रदेश के टीकमगढ़ विशेष सशस्त्र बल के कांस्टेबल जगन्नाथ सिंह यादव फांसी लगाके खुदकुशी कर लिहलसि. बतावल जात बा कि मानसिक परेशानी का चलते ऊ अइसन काम कइलसि.
  • पश्चिमी देश से आइल योग गुरु गुड़गाँव में भारतीयन के प्रचीन ध्यान अउर योग के तकनीक सिखावत बाड़े.
  • बेंगलुरू के सुरक्षा खातिर 500 करोड़ रुपिया के निगरानी प्रणाली लगावल जाई.

दुनिया के खबर

  • यमन में प्रदर्शकारियन पर सरकारी गोलीबारी से 18 लोग मरल. सौ से बेसी लोग घवाहिल भइले.
  • नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई एह हफ्ता न्यूयार्क में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ चीनी राष्ट्रपति हू जिंताओ का साथे भेंट करीहें.
  • दलाई लामा अगिला महीना होखे जा रहल अपना घनिष्ठ दोस्त, नोबेल पुरस्कार विजेता डेसमंड टूटू से भेंट करे खातिर दक्षिण अफ्रीका से वीजा मिले के इंतजार करत बाड़न.
  • रूसी प्रधानमंत्री व्लादमीर पुतिन, जर्मनी के चांसलर एंजेला मार्केल अउर माइक्रोसॉफ्ट के सह संस्थापक बिल गेट्स के कंफ्यूशियस शांति पुरस्कार खातिर नामित कइल गइल बा. चीन के एह पुरस्कार के शांति के नोबेल पुरस्कार जइसन मान मिलेला.
  • मिस्र में संसदीय चुनाव 21 नवम्बर से करावे के बाति कहले बा मिस्र के सर्वोच्च निर्वाचन आयोग.
  • अफगानिस्तान में नाटो के लड़ाकू विमान हमला कर के कम से कम 18 तालिबानी आतंकवादी के मार गिरवलसि.
  • पाकिस्तान के दक्षिणी क्षेत्र में आइल बाढ़ से अबले करीब 300 लोग के जान जा चुकल बा आ 60 लाख लोग प्रभावित भइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • चीनी विद्वानसुझवले कि भारत-चीन-अफ्रीका में तितरफा सहयोग बनावल जाव. अफ्रीका में भारत आ चीन का बीच प्रतिद्वंद्विता के अटकल लगावल जात बा.
  • सीबीआई सत्यम घोटाला मामिला के अदालत में पेश करे खातिर 30 सितम्बर ले अतिरिक्त समय अदालत से मंगले बिया.
  • सार्वजनिक क्षेत्र के बिजली उत्पादक कम्पनी एनटीपीसी 17,120 करोड़ रुपिया के ठेका तमिलनाडु के बिजली उपकरण निर्माता कम्पनियन के दिहले बिया.
  • विदेशी व्यापार प्रबंधन के मशहूर संस्था इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ फॉरेन ट्रेड (आईआईएफटी) अफ्रीकी देश युगांडा का राजधानी कम्पाला में आपन नया परिसर खोली जवन देश से बहरी ओकर पहिलका पूर्णकालिक पाठ्यक्रम वाला परिसर होखी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेत्री माधुरी दीक्षित अब हमेशा खातिर भारत लवटे के फैसला कर लिहली. 12 साल पहिले एगो हृदय रोग विशेषज्ञ श्रीराम नेने से विआह कर के ऊ अमेरिका चल गइल रही.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री सोहा अली खान बतवले बाड़ी कि फेफड़ा के संक्रमण से जूझत उनुकर पिता मंसूर अली खान पटौदी के सेहत सुधरत बा.
  • अपना दोस्त अमर सिंह से तबियत जाने पूछे अतवार का दिने अमिताभ बच्चन अपना बेटी श्वेता का साथे एम्स में भेंट कइलन.
  • अनुराग कश्यप के ‘देव डी’ से बॉलीवुड में प्रवेश करे वाली काल्कि कोचलिन के कहना बा कि पिछला दू साल में ऊ अपना के ढेर बदलले बाड़ी.
  • बॉलीवुड में गोड़ जमावे में लागल पाकिस्तानी अभिनेता आ गायक अली जाफर अपना के सलमान खान के प्रशंसक बतवले.

खेल के खबर

  • टीम भले हार के नीचे सरक गइल होखे बाकिर क्रिकेट कप्तान धौनी तीन जगह के छलांग लगावत अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के एकदिना रैंकिंग में छठवा जगह पर चहुँप गइले.
  • मध्यप्रदेश के संजय जगदाले बनीहें बीसीसीआई के सचिव आ अजय शिर्के कोषाध्यक्ष.
  • डेविस कप में भारत के हराके जापान विश्व ग्रुप में पहुंचल.
  • चैम्पियंस लीग के क्वालीफायर मुकाबला सोमार से करावल जाई.
  • शाकिब अल हसन के बांग्लादेश क्रिकेट टीम के कप्तानि से हटवला से नाराज बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड निदेशक इनायत हुसैन सिराज अधिकारियन पर सवाल उठवलन.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up