देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 20, 2011 | 0 comments

(सोमार 19 सितम्बर)
देश

  • विश्व हिंदू परिषद कहले बिया कि श्रीराम जन्मभूमि पर भव्य मंदिर बनावे का राह में आवे वाली न्यायिक बाधा दूर करे खातिर 30 सितम्बर के देशभर में एक साथ सामूहिक हनुमान चालीसा पाठ करावल जाई.
  • आपन उपास तूड़ला का बाद गुजरात मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी कहले कि उनुकर मिशन आगहू जारी रही. कहलन कि मिशन राष्ट्रनीति का चलते बा, राजनीति खातिर ना.
  • अतवार साँझ आइल भूकंप में मरे वालन के गिनिती बढ़ले जात बा. सूचना संपर्क टूटला का चलते सिक्किम से देर से खबर मिलत बा. सबले बेसी जानमाल के नुकसान ओहिजे भइल बा.
  • नरेन्द्र मोदी के टोपी पहिरावे के कोशिश नाकाम रहल. मंच पर नरेन्द्र मोदी के टोपी पहिरावे के कोशिश एगो मौलाना कइलन बाकिर नरेन्द्र मोदी ओह टोपी के पहिरे से इंकार कर दिहले. जबकि राजनीति में मुस्लिम टोपी पहिर के फोटू खिंचवावल नेतवन के फैशन ह.
  • डीएमके अध्यक्ष एम. करुणानिधि बतवले कि उनुकर पार्टी 13 अक्टूबर के होखे वाला तिरुचिरापल्ली पश्चिम निर्वाचन क्षेत्र के विधानसभा उपचुनाव लड़ी.
  • लोकसभा में विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज आ मनसे अध्यक्ष राज ठाकरे गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के सद्भावना मिशन के समर्थन देबे चहुंपले. दुनु जने मोदी के खूब बड़ाई कइले.
  • हाउसिंग सोसाइटी विवाद में घेराइल कर्नाटक के नयका लोकायुक्त शिवराज वीरुपन्ना पाटील सोमार के इस्तीफा दे दिहलन.
  • वोट खातिर नोट मामिला में अमर सिंह के जमानत 27 ले बढ़ा दिहल गइल. जिरह में अमर सिंह के वकील रामजेठमलानी कांग्रेसी नेता अहमद पटेल के एह मामिला में लपेट लिहले.
  • हिमाचल प्रदेश में 30 सितम्बर से ‘हरक्युलिस माउंटेन बाइकिंग हिमाचल-2011’ अभियान के सातवां संस्करण शुरू होखी जवना में सैकड़ों देसी-विदेशी साइकिल चालक शामिल होखीहें.
  • अतवार के आइल भूकम्प में पश्चिम बंगाल में 10 लोग मरल बा आ 200 से अधिका घाहिल भइल बाड़े. मरे वालन के दू दू लाख रुपिया के मुआविजा के एलान भइल बा.
  • भूकम्प का चलते झारखण्ड का लातेहार जिला से गुजरे वाली नेशनल हाइवे 75 कई जगहा टूट फूट गइल बा.
  • हरियाणा के मुख्यमंत्री रहल ओमप्रकाश चौटाला के दिल्ली उच्च न्यायालय राहत ना दिहलसि आ उनुकर याचिका खारिज कर दिहलसि. याचिका में चौटाला निहोरा कइले रहन कि उनुका खिलाफ चलत भठियरपन का मुकदमा पर रोक लगा दिहल जाव.
  • भूकंप का बाद सिक्किम में तीस्ता परियोजना से 10 गो मजदूरन के शव बरामद भइल बा.
  • कश्मीर घाटी में शांति से अबकी साल पर्यटकन के तादाद में बढ़ोतरी भइल बा.
  • पृथक तेलंगाना राज्य के समर्थन में चलत हड़ताल में अब राज्य परिवहन निगम कर्मचारिओ शामिल हो गइले.
  • केरल में मुख्य विपक्षी दल माकपा के कहना बा कि श्री पद्मनाभस्वामी मंदिर में मिलल खजाना राज्य के सम्पत्ति ह आ एकरा प्रबंधन खातिर तिरुपति मंदिर बोर्ड का तरह के सरकारी बोर्ड बनावे के चाहीं.
  • श्रीलंका आ भारत सोमार का दिने आपन समिलाती नौसैनिक अभ्यास शुरू कइलन.
  • तमिलनाडु मुख्यमंत्री जयललिता कुदनकुलम परमाणु विद्युत परियोजना में काम रोके के गोहार लगवले बाड़ी, जबले गाँव वालन का मन से एकर डर खतम नइखे हो जात.
  • मप्र में सड़कन के बदहाली का खिलाफ कांग्रेस जगहे जगह प्रदर्शन कइलसि.
  • झारखण्ड के राजधानी रांची का लगे सोमार का सबेरे एगो बस आ लोहा लदाइल ट्रक का टक्कर में 20 लोग के जान चल गइल आ 22 जने घवाहिल हो गइले.
  • हैदराबाद में एगो विशेष अदालत अवैध खनन का मामिला में गिरफ्तार कर्नाटक के मंत्री रहल जी. जनार्दन रेड्डी आ उनुका रिश्तेदार श्रीनिवास रेड्डी के न्यायिक हिरासत तीन अक्टूबर ले बढ़ा दिहलसि.
  • एसजीपीसी चुनाव में अपना साफ जीत के दावा सत्ताधारी शिरोमणि अकाली दल कइले बा.
  • सोमार का दिने भोर में महाराष्ट्र में भूकम्प के झटका लागल जवना के तीव्रता 3.9 बतावल गइल बा.
  • झांसी के बुंदेलखंड विश्वविद्यालय में चार गो सीनियर छात्रन का खिलाफ एगो जूनियर छात्र के रैगिंग करे के मामिला दर्ज भइल बा.

दुनिया के खबर

  • भूकंप में भहराइल दिवाल से मरल लोग के परिजन नेपाल में ब्रिटिश दूतावास से मुआवजा माँगत बाड़े.
  • पूर्वी केन्या में म्वींगी शहर का नियरा सोमार के एगो बस सड़क पर पलट गइल जवना से 13 लोग मर गइले आ 29 जने घाहिल हो गइले.
  • पाकिस्तान के दक्षिण वजीरिस्तान क्षेत्र में दुर्घटनाग्रस्त अमेरिकी ड्रोन के मलबा पर कब्जा करे खातिर तालिबान आ पाकिस्तानी सुरक्षा बल में मुठभेड़ चालू बा.
  • पाकिस्तान पिछला साल बाढ़ पीड़ितन का नाम पर बिटोरल पांच अरब रुपिया रखल रहला का बावजूद एह साल फेर भीख के कटोरा ले के दुनिया से सहायता मँगले बा.
  • अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष के पूर्व प्रमुख डोमिनिक स्ट्रास-कान अतवार का दिने सकरले कि होटल कर्मचारी का साथे संबंध बनावल उनुकर नैतिक गलती रहल बाकिर ऊ कवनो जोर जबरदस्ती ना कइले रहले. एही मामिला का चलते उनुका आपन पद छोड़े के पड़ल आ अब फ्रांस के राष्ट्रपति के चुनावो ना लड़ पइहन.
  • नेपाल में भूकम्प से 9 लोग मरल आ 100 से बेसी घवाहिल भइले.
  • अतवार साँझ आइल भूकम्प से तिब्बत में कम से कम सात लोग मर गइल आ 22 जने घवाहिल भइले.
  • लीबिया में अंतरिम सरकार बनावे में एनटीसी में मतभेद खतम नइखे होखत.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सबले सस्ता कार नैनो के सबले महँग संस्करण सोना चाँदी जवाहरात जड़ल एगो नैनो कार बनावल गइल बा जवना के दाम बाईस करोड़ बतावल जात बा. टाटा मोटर्स एह कार के बेची ना बलुक अपने लगे राखी.
  • 2जी स्पेक्ट्रम मामले के सुनवाई करत विशेष अदालत सीबीआई से केंद्रीय कानून मंत्री के ओह रिपोर्ट के अदालत में पेश करे के कहलसि जवना में कहल गइल बा कि स्वान टेलीकॉम रिलायंस टेलीकॉम के सहयोगी कम्पनी ना ह.
  • केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री वायलार रवि राज्यन से निहोरा कइले कि ऊ लोग विमान ईंधन के बढ़ल दाम पर मिले वाला अधिका कर माफ कर देसु जेहसे कि हवाई जहाज से उड़े वालन के अधिका दाम ना देबे के पड़े.
  • फोर्टिस हेल्थकेयर फोर्टिस इंटरनेशनल के अधिग्रहण करी जवना का बाद कंपनी के सगरी स्वास्थ्य सेवा कारोबार के एकीकरण हो जाई.
  • सेंसेक्स में सोमार का दिने 188 अंक के गिरावट दर्ज भइल.
  • टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज के डच बैंक आपन रणनीतिक सलाहकार बनवले बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • दिन भर अफवाह उड़त रह गइल कि झारखंड में एगो सड़क दुर्घटना में भोजपुरी अभिनेता आ लोकगायक पवन सिंह के मौत हो गइल बा. खबर एकदमे गलत रहे.
  • बॉलीवुड एक्शन हीरो अक्षय कुमार अपना कराटे टूर्नामेंट के आयोजन 19 से 22 अक्टूबर का बीच करइहें. टूर्नामेंट के ई तिसरका संस्करण होखी.
  • फिल्मन में काम देबे का नाम पर अभिनेत्री से बलात्कार करे का मामिला में आरोपी मधुर भंडारकर के अदालत सम्मन भेजले बिया.
  • वैजयंतीमाला के आपन रोल मॉडल बतवली हेमा मालिनी.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग ट्वेंटी-20 टूर्नामेंट के क्वीलफाईंग मुकाबिला में सोमार का दिने कोलकाता नाइट राइर्ड्स टीम न्यूजीलैंड के ऑकलैंड टीम के दू रन से आ वेस्टइंडीज के त्रिनिदाद अउर टोबैगो टीम श्रीलंका के रुहुना राइनोज टीम के पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • सौरव गांगुली के बीसीसीआई के तकनीकी समिति के अध्यक्ष बनावल जाई.
  • कोलम्बो टेस्ट में फिल ह्यूज के नाबाद शतक का सहारे आस्ट्रेलिया 52 रन के बढ़त बनवलसि. मंगल के मैच के आखिरी दिन होई.
  • डेविस कप प्लेऑफ में स्विट्जरलैंड आस्ट्रेलिया के हरा के वर्ल्ड ग्रुप में जगह बना लिहलसि.
  • स्पिन गेंदबाज रहल सकलैन मुश्ताक के कहना बा कि भारत आ पाकिस्तान का बीचे एशेज का तरह के श्रृंखला शुरू करे के चाहीं.
  • इस्तानबुल में अतवार का दिने खतम भइल विश्व कुश्ती चैम्पियनशिप में रूस पुरुष टीम के आ जापान महिला टीम खिताब जीत लिहलसि.
  • भारत के आदित्य पटेल अतवार का दिने जर्मनी में चलत वोक्सवॉगन सिरोको आर कप चैम्पियनशिप में दुसरका रेस जीत लिहले जबकि पहिलका में ऊ नौवां जगहा पर आइल रहले.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up