देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 29, 2011 | 0 comments

(शुक, 28 अक्टूबर)
देश

  • वेबहास्ट का गड़बड़ी से अँजोरिया परिवार के वेबसाइट शुक का देर साँझ तीन चार घंटा ले बाधित रहली सँ.
  • जापान का साथ बेहतर द्विपक्षीय सम्बंध खातिर विदेश मंत्री एस. एम. कृष्णा टोक्यो में रणनीतिक वार्ता करत बाड़े त अगिला हफ्ता रक्षा मंत्री ए.के. एंटनी टोक्यो के यात्रा के तइयारी में बाड़े.
  • भारत आ चीन अपना विवादन के समाधान खातिर अगिला महीना 15वें चक्र के सीमा वार्ता करीहें. एह वार्ता में दक्षिणी चीन सागर में वियतनाम के साथ भइल तेल खनन समझौते पर मुख्य रूप से चरचा होखे के संभावना बा.
  • कांग्रेस कोर कमेटी तेलंगाना मुद्दा पर विचार कइलसि. भाजपा से तेलंगाना राज्य के मिलल समर्थन का बाद कांग्रेस के एह मसला पर जल्दिये कवनो फैसला करे के पड़ी.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला शुक का दिने कहले कि सशस्त्र विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे पर फैसला अगिला महीना लिहल जाई.
  • नवीनतम उपलब्ध आकड़ा बतावत बा कि राष्ट्रीय कृषि बीमा योजना में रबी मौसम 1999-2000 से रबी मौसम 2010-11 का बीच 17.61 करोड़ किसानन के बीमा कइल गइल.
  • महाराष्ट्र के 1975 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी प्रणय सहाय के सशस्त्र सीमा बल के महानिदेशक पद पर बहाली के मंजूरी मिल गइल बा.
  • एयर इंडिया में निवेश के मसला मंत्रिमंडल के हवाले कर दिहल गइल. मंत्री समूह का बइठका में इहे फैसला लिहल गइल.
  • वाइस एडमिरल अनिल चोपड़ा के पूर्वी नौसेना कमान के अगिला फ्लैग ऑफिसर कमांडिंग इन चीफ नियुक्त कइल गइल बा. ऊ 31 अक्टूबर 2011 के सेवानिवृत्त होखत वाइस एडमिरल अनूप सिंह के जगहा लीहें.
  • संघ लोक सेवा आयोग भारतीय रेल के यांत्रिकी विभाग में स्पेशल क्लास अप्रेंटिसन के बहाली खातिर 29 जनवरी, 2012 के स्पेशल क्लास रेलवे अप्रेंटिस परीक्षा, 2012 आयोजित करी. एकर केंद्र देश भर में बनावल जाई.
  • इंडिया अगेंस्ट करप्शन के एगो खास बईठक शनिचर का दिने गाजियाबाद में होखी. एह बैठक में ना त अन्ना हजारे अइहें ना कई गो प्रमुख सदस्य.
  • ज्ञानपीठ पुरस्कार आ पद्मभूषण से सम्मानित साहित्यकार श्रीलाल शुक्ल शुक का साँझ पंचतत्व में विलीन हो गइले.
  • आडवाणी के यात्रा मार्ग में बम मिलला पर एक आदमी के हिरासत में लिहल गइल बा बाकिर आडवाणी के यात्रा यथावत जारी रही. बम मदुरई का लगे एगो पुल के नीचे मिलल.
  • कर्नाटक के भाजपा विधायक वाई संपांगी के भठियरपन का एगो मामिला में जमानत ना मिलल आ उनुका के जेल भेज दिहल गइल.
  • परमाणु बिजली कार्यक्रम के समीक्षा के जरूरत बतवले बाड़े लालकृष्ण आडवाणी.
  • मौत के सजा में राजनीतिक हस्तक्षेप नइखे चाहत भाजपा, कहले आडवाणी.
  • कांग्रेस महासचिव कलमाडी के जमानत दे देबे के राय दिहलन. कांग्रेस हमेशा का तरह दिग्गी के राय से अपना के अलगा कर लिहलसि.
  • करनाल में एगो अदालत में सुनवाई करत न्यायाधीश पर शुक का दिने एक आदमी गोली चला दिहल. बाकिर घटना में न्यायाधीश बाल-बाल बच गइले.
  • अन्ना हजारे के सहयोगी अरविंद केजरीवाल शुक का दिने कहलन कि इंडिया अगेंस्ट करप्शन के नाम पर बैंक खाता ना खोलल जा सके काहे कि ई आन्दोलन ह, कवनो संगठन ना.
  • राजीव के हत्यारन के याचिका पर 29 नवम्बर को सुनवाई होई.

दुनिया के खबर

  • नाटो 31 अक्टूबर से आपन लीबिया अभियान बन्द कर दी.
  • चीन के एयर चाइना बियफे का दिने जैव ईंधन के पारम्परिक विमान ईंधन का साथे मिला के यात्री विमान के पहिला उड़ान परीक्षण कइलसि.
  • राष्ट्रमंडल देशन के शासनाध्यक्षन का बइठका में सदियन पुरान ओह नियम के बदले के घोषणा कर दिहल गइल जवना में कहल गइल बा कि ब्रिटेन के राज सिंहासन पर राजा भा रानी के बड़ बेटी का जगहा छोट बेटा के अधिकार दिहल जाई. अब से जेही बड़ होई, बेटा भा बेटी, उहे राज सिंहासन पर बइठे के अधिकारी होखी.
  • नेपाल के माओवादी प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई अपना पार्टी के नीति के लाँघत भाई टीका समारोह में शामिल भइले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • चीन के कुल विदेशी व्यापार एह साल 30 खरब डॉलर से अधिका हो जाये के अनुमान बा. विश्व व्यापार में चीन के हिस्सेदारी 10.5 फीसदी हो जाई.
  • दूरसंचार, खुदरा आ पेय पदार्थ के कारोबार का बाद अब भारती समूह पिज्जा रेस्तरां चेन शुरू करे जात बा. एकरा खातिर ऊ ब्रिटिश चेन पिज्जाएक्सप्रेस का साथ आधा आधा हिस्सेदारी के समझौता कइले बा.
  • सोना आ हीरा के गहना के कारोबार से जुड़ल कोलकाता के कम्पनी श्री गणेश ज्वैलरी हाउस लिमिटेड शुक का दिने इटली के कम्पनी सोशिएटा एरेटिना लैवोरेजियोन पिजियोसी एस.पी.ए. का साथ एगो साझेदारी उपक्रम शुरू कइलसि जवन 100 करोड़ रुपिया के निवेश से पश्चिम बंगाल में सोना के गहना बनावे वाला इकाई लगाई.
  • इंडियन होटल्स के मौजूदा साल के दुसरका तिमाही में 8.12 करोड़ रुपिया के शुद्ध लाभ भइल बा.
  • एनएचपीसी के तिमाही शुद्ध लाभ 40 फीसदी बढ़ल.
  • शुक का दिने शेयर बाजार में जबरदस्त उछाल आइल आ सेंसेक्स 516 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • गुड़गांव में शुक का दिने होखे वाला मेटालिका कंसर्ट के अफरातफरी का चलते रद्द कर दिहल गइल. आयोजक पुलिस के सूचना ना दिहले रहले जवना चलते पुलिस आयोजकन के आड़े हाथ लिहलसि.

खेल के खबर

  • अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर फार्मुला वन रेस संचालित करे वाली संस्था ‘एफआईए’ बुद्ध इंटरनेशनल सर्किट पर उपलब्ध चिकित्सा सुविधा के दुनिया के नयका सर्किटन में सबले बढ़िया बतवले बा.
  • वेस्टइंडीज का साथ टेस्ट खातिर टीम घोषित कर दिहल गइल. एहमें हरभजन के नइखे राखल गइल आ आर. अश्विन, राहुल शर्मा, अरजिंक्य रहाने, उमेश यादव अउर वरुण एरॉन के पहिला बेर टेस्ट में मौका दिहल गइल बा.
  • देश के पहिला फार्मुला वन रेस ‘इंडियन ग्रां. प्री’ में शुक का दिने भइल अभ्यास सत्र में मैक्लॉरेन टीम के चालक लेविस हैमिल्टन अव्वल रहले बाकिर रफ्तार कम करे के निर्देश के अनदेखी कइला खातिर उनुका के आ सॉबर टीम के सर्जिओ पेरेज के अतवार का दिने होखे वाली रेस खातिर तीन स्थान पीछे कर दिहल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up