देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 4, 2011 | 0 comments

(बियफे, 3 नवंबर)
देश

  • जी20 सम्मेलन में मनमोहन सिंह कहलन कि ग्रीस का चलते दुनिया के समीकरण बिगड़ गइल बा बाकिर एह संकट के असर उभरत अर्थव्यवस्था पर ना पड़े दिहल जाई. करिया धन पर चिंता जाहिर करत प्रधानमंत्री कहले कि एक देश के करिया धन दोसरा देश में जमा करावे से होखे वाला समस्या के समाधान तुरते करे के जरूरत बा.
  • टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल आयकर विभाग के माँगल बकाया 9.27 लाख रुपिया लवटा त दिहलन बाकिर प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि उनुका के दिहल नोटिस गलत रहे.
  • मुम्बई के नौसेना पोतगाह के 270 साल पुरान प्रशासनिक इमारत में बियफे का दिने भयंकर आग लाग गइल जवना के बुतावे के कोशिश में दमकल कर्मचारी लागल बाड़े. एह हादसा में केहू के हताहत होखे के खबर नइखे.
  • बियफे के रात बारह बजे से पेट्रोल के दाम में एक रूपिया अस्सी पइसा के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा. अलग अलग राज्य के टैक्स का चलते हर राज्य में अलग अलग दाम बढ़ी. भाजपा समेत तमाम विपक्षी दल एकर विरोध कइले बाड़न बाकिर सरकार के कहना बा कि विश्वबाजार में तेल के बढ़त दाम का चलते दाम बढ़ावल जरूरी रहे.
  • राज ठाकरे दंगे के धमकी दिहले बाड़न. राज ठाकरे के कहना बा कि जे तरह से कांग्रेस आ सपा के नेता उत्तर भारत के लोग पर दया देखावत गैर जिम्मेदाराना बयानबाजी करत बा ओहसे मुंबई में दंगा भड़क सकेला. राज ठाकरे के आपत्ति एह पर बा कि छठ पूजा के आयोजन कर के कांग्रेस के कृपाशंकर सिंह आ संजय निरूपम आ सपा के अबू आसिम आजमी मराठियन के भड़कावे वाला बयान दिहले ओहसे एहिजा दंगा भड़क सकेला. ई लोग कहले रहुवे कि मुंबई केहू के बाप के ना ह आ सभकर ह जे एहिजा रहत बा आ कमात खात बा.ओने बाल ठाकरे सामना में अपना लेख में कहले बाड़न कि ई लोग बतावे कि मुंबई के बाप के ह ! राज ठाकरे हिन्दी चैनलनो धमकवले बाड़न कि ओह लोग पर नजर राखल जा रहल बा आ अगर एकतरफा रिपोर्टिंग भइल त ओह लोग के एहिजा रहे ना दिहल जाई.
  • 2जी मामला में कनिमोझी आ बाकी आरोपियन के जमानत याचिका अदालत खारिज कर दिहलसि जवना का बाद आरोपियन के परिजन के आँखिन में लोर भर गइल. कनिमोझी के जमानत ना मिल पवला से करुणानिधि बहुते निराश बाड़न.
  • साध्वी प्रज्ञा जेल में अपना खातिर सुरक्षा मंगले बाड़ी काहे कि उनुका के कुछ अफ्रीकी महिला कैदी पीट दिहले रही सँ.
  • सर्वोच्च न्यायालय महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण का खिलाफ चुनाव आयोग में चलत कार्रवाई पर रोक लगा दिहलसि, चव्हाण पर आपन चुनावी खर्चा कम कर के बतावे के आरोप बा.
  • भाजपा नेता आ लोक लेखा समिति के अध्यक्ष मुरली मनोहर जोशी कांग्रेस पर आरोप लगवले बाड़न कि ऊ 2जी स्पेक्ट्रम मामिला में समानांतर जांच चलावत बिया आ एह मुद्दा पर विरोधाभासी नजरिया रखले बिया.
  • एगो चीनी कम्पनी गुजरात में करीब 40 करोड़ डॉलर के निवेश के समझौता पर बियफे का दिने दस्तखत कइलसि बाकिर कंपनी के नक्शा में अरुणांचल प्रदेश के चीन के हिस्सा देखवला पर विवाद हो गइल बा. भारत सरकार एह पर आपन आपत्ति जतवले बिया.
  • मप्र में पटवारी चयन परीक्षा आनलाइन करावल जाई.
  • अमेरिका भारत के आपन एफ-35 विमान बेचे का तइयारी में बा.
  • राहुल गांधी के बयान बाजी पर बरसत बसपा के कहना बा कि कांग्रेसियन का मुँह से भठियरपन के विरोध शोभा ना देव.
  • शिवराज चौहान के ‘घोषणावीर’ कहे वाला भाजपा सांसद रघूनंदन शर्मा के मध्यप्रदेश भाजपा के उपाध्यक्ष पद से हटा दिहल गइल बा आ उनुका के कारण बताओ नोटिस दिहल गइल बा.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि महँगाई तेहवारन का चलते बढ़ल बा आ अगिला महीना से महँगाई कम होखे लागी.
  • भठियरपन के एगो मामिला में जमानत मिल गइला का बावजूद येदियुरप्पा अबही जेले में रहीजें काहे कि कई गो मामिला के सुनवाई चलत बा.
  • केरल में खाद्य अउर नागरिक आपूर्ति मंत्री टी. एम. जैकब के निधन से खाली उनुका विधानसभा सीट से उनुकर बेटा अनूप जैकब चुनाव लड़ीहें.
  • झारखंड मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा प्रदेश के सड़कन के निरीक्षण यात्रा पर निकलल बाड़न.
  • रूस बियफे का दिने अपना अंतरमहाद्वीपीय मिसाइल के सफल प्रक्षेपण कइलसि.
  • आडवाणी के काफिला के गलत तरीका से पार करे वाला दू जने पर जुर्माना लगावल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के पंजाब दौरा रद्द हो गइल बा. ऊ आनंदपुर साहिब में महात्वाकांक्षी खालसा हेरिटेज कॉम्प्लेक्स के उद्घाटन करे वाला रहले.
  • ओडिशा मुख्यमंत्री नवीन पटनायक पर भठियारन के बचावे के आरोप ट्रांसपेरन्सी इंटरनेशनल इंडिया बियफे का दिने लवगवलसि.
  • पंजाब में चुनाव से पहिले वोटरन के लुभावे खातिर सरकार आपन पिटारा खोल दिहलसि आ सरकारी कर्मचारियन खातिर 800 करोड़ रुपये के योजना के एलान कइले बिया.
  • बानरन के उत्पात से राहत दिआवे खातिर हिमाचल प्रदेश सरकार बानर पकड़े वालन के हर बानर पर पाँच सौ रुपिया के इनाम दी. बानरन के पकड़ के ओकनी के बधिया कर दिहल जाई जेहसे कि बानरन के संख्या मत बढ़ो.
  • दिल्ली के एगो अदालत बियफे का दिने अमर सिंह के इजाजत दे दिहलसि कि ऊ इलाज खातिर सिंगापुर जा सकेले.
  • अन्ना शुक का दिने आपन मौन व्रत तूड़ सकेले. एह दिन ऊ दिल्ली आवे वाला बाड़न.
  • दुनिया के 20 गो शक्तिशाली मनई में सोनिया आ मनमोहन दुनु के नाम बा.
  • संघ लोक सेवा आयोग भारतीय सैनिक अकादमी, नौसेना अकादमी अउर वायुसेना अकादमी में बहाली खातिर 12 फरवरी, 2012 के सम्मिलित रक्षा सेवा परीक्षा आयोजित करी.

दुनिया के खबर

  • ब्रिटेन में आबादी से ज्यादा मोबाइल फोन बावे.
  • अगिला नौ साल में एगो मानव युक्त अंतरिक्ष स्टेशन स्थापित करे वाला बा चीन.
  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी के कहना बा कि भारत के तरजीही देश के दर्जा दिहला का बावजूद पाकिस्तान के काश्मीर नीति में कवनो बदलाव नइखे आइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • ओजोन आयुर्वेदिक कंपनी अपना आमदनी के अगिला साल दुगुना करे के चाहत बिया.
  • भारत-चीन का व्यापार लक्ष्य 2015 तक 100 अरब डॉलर करे के बा.
  • सिंगूर मामिला में कलकत्ता उच्च न्यायालय बियफे का दिने राज्य सरकार के ओह फैसला पर रोक लगा दिहलसि जवना में अधिगृहित जमीन लवटावे के बाति कहल गइल बा.
  • शेयर बाजार में बुध का दिने मामूली तेजी देखे के मिलल.
  • दुसरकी तिमाही में सेल के शुद्ध लाभ में 54.6 फीसदी के गिरावट आइल.
  • एलएंडटी के सहायक कंपनी के ओमान में मिलल 875 करोड़ रुपिया के ठेका.
  • खाद्यान्न महंगाई दर 12 फीसदी के पार पहुंच गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • फिल्मकार संजय लीला भंसाली के कहना बा कि फिल्म निर्माण के बॉलीवुड शैली बरकरार रहे के चाहीं.

खेल के खबर

  • क्रिकेट में स्पॉट-फिक्सिंग मामला में पाकिस्तानी खिलाड़ीयन कप्तना सलमान भट्ट के अढ़ाई साल, मोहम्मद आसिफ के एक साल अउर मोहम्मद आमिर के छह महीना के जेल के सजा सुनावल गइल बा.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में हरियाणा पहिला दिने 7 विकेट पर 256 रन बनवलसि.
  • फुटबाल क्वालिफायर मुकाबला में भारत के अंडर -19 टीम ईरान से हार गइल.
  • विश्व कप कबड्डी के पहिला मुकाबला में बुध का दिने भारत जर्मनी के हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up