देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 14, 2011 | 0 comments

(मंगल 13 सितम्बर)
देश

  • तमिलनाडु का वेल्लोर जिला के आराकोनम का नियरा मंगल रात दू गो रेलगाड़ियन के बीच टक्कर में करीब 15 लोग के मरइला के अनेसा बा.
  • बुध का दिने राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील राजभाषा विभाग द्वारा आयोजित हिंदी दिवस समारोह में मौलिक हिंदी लेखन खातिर 52 गो पुरस्कार बँटीहे.
  • बेंगलुरू के एगो अदालत भठियरपन का एगो मामिला में कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल बी.एस. येदियुरप्पा के अगिला सुनवाई का दिने 17 सितम्बर के हर हाल में हाजिर होखे के कहलसि.
  • जम्मू काश्मीर के रामबन में मंगल दुपहरिया एगो बस सड़क से सँसर के खाई में गिर गइल जवना से नाहियों त 22 लोग के जान चलि गइल आ 24 जने घाहिल हो गइले.
  • दिल्ली विस्फोट के एक हफ्ता बादो जाँच एजेंसियन के कुछऊ हाथे नइखे लागल. एह विस्फोट में 13 लोग मरल रहे आ 90 लोग घाहिल भइल रहे.
  • कर्नाटक के मंत्री रहल आ खनन कारोबारी जनार्दन रेड्डी आ उनुका रिश्तेदार श्रीनिवास रेड्डी से आजु सीबीआई 5 घंटा ले पूछताछ कइलसि.
  • वायुसेना के अधिकारी रहल अंजलि गुप्ता के आत्महत्या खातिर उकसावे का आरोपमें ग्रुप कैप्टन अमित गुप्ता के गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल.
  • तेलंगाना बनावे के माँग खातिर आंध्र प्रदेश में भइल आजु के हड़ताल से तेलंगाना क्षेत्र में कामकाज ठप्प रहल.
  • हिमाचल प्रदेश के बिजली उपभोक्ता सेवा कम्पनी सतलुज जल विद्युत निगम लिमिटेड पिछला कारोबारी साल खातिर 333.9 करोड़ रुपिया के लाभांश जारी कइलसि.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी राज्य के ‘शांति, एकता आ अपनापन’ के मजबूत करे खातिर शनिवार से तीन दिन के उपवास करीहें.
  • सुरक्षा बल का साथे मुठभेड़ में सोपोर में एगो आतंकवादी अब्दुल्ला ऊनी के मार गिरावल गइल बा. ऊनी बड़का मौलवी मौलाना शौकत अहमद शाह के हत्या के साजिश रचे आ 20 से अधिका लोग के हत्या खातिर जिम्मेदार रहे.
  • आजु तीन गो न्यायाधीशन के किरिया धरवला का बाद सर्वोच्च न्यायालय में न्यायाधीशन के कुल गिनिती 29 हो गइल. आजु जे नया न्यायाधीश जुड़ले ओहमें एगो महिलो न्यायाधीश बाड़ी.
  • आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील से मुलाकात कर के संसद के मानसून सत्र आ अपना बांग्लादेश यात्रा का बारे में चर्चा कइलन.
  • सड़क हादसा में अतवार का दिने घवाहिल भइल मोहम्मद अजहरूद्दीन के बेटा मोहम्मद अयाजुद्दीन के हालत अबहियो नाजुक बनल बा. अयाजुद्दीन के बेंटिलेटर पर राखल गइल बा.
  • मेघालय विधानसभा में विश्वास मत हासिल करे से एक दिन पहिले मुख्यमंत्री मुकुल संगमा दावा कइलन कि उनुका गठबन्हन सरकार के कवनो खतरा नइखे.
  • अन्ना हजारे कहले बाड़न कि ऊ कांग्रेस आ भाजपा से अलग दोसरा दल के साफ-सुथर नेता लोग वाला राजनीतिक दल के समर्थन दे सकेले. भठियरपन का खिलाफ लालकृष्ण आडवाणी के यात्रा के समर्थन ना करीहें. ओने भाजपा कहले बिया कि समर्थन माँगल के ?
  • तमिलनाडु में खोलल जाई मछरी पालन विश्वविद्यालय.
  • महंगाई मां दुर्गा के मूर्तिओ बनावे वालन के डाँड़ तूड़ के धर दिहले बिया. हर चीज के बढ़ल दाम का साथ कामगारनो के कमी बा काहे कि मजदूर पश्चिम बंगाल छोड़ दोसरा राज्यन में भागल जात बाड़े.
  • चिदम्बरम के कहना बा कि नक्सलवाद आंतकवाद से बड़हन चुनौती बावे.
  • जम्मू कश्मीर सरकार जल्दिये विस्थापित कश्मीरी पंडितन खातिर कश्मीर में 3,000 अउरी नौकरी देबे खातिर सूचना जारी करी.
  • दुनिया में सबले बड़हन पांच भाषा में से एक, हिंदी भारत के राजभाषा बनियो के आपन मुकाम हासिल नइखे कर पवले. चौदह सितम्बर के हिंदी के खाना पूर्ति कइल जाला.
  • पश्चिम बंगाल के कांग्रेसी राहुल से मिलके ओरहन दिहले कि तृणमूल तृणमूल कांग्रेस राज्य में कांग्रेस के खतम करे में लागल बिया.
  • लोकसभा में वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार पूर्व सांसद फग्गन सिंह कुलस्ते का समर्थन में भारतीय जनता पार्टी के मध्य प्रदेश सोमार का दिने भोपाल में धरना दिहलसि.

दुनिया के खबर

  • रूसी विमान दुघर्टना में बाचल अकेला आदमी के होश आ गइल. एह दुर्घटना में रूस के एगो पूरी आइस हॉकी टीम के खिलाड़ियन के मौत हो गइल रहे. आ कुल 44 लोग मराइल रहले.
  • अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में मंगल दुपहरिया अमेरिकी दूतावास का नियरा भयंकर गोलीबारी आ ताबड़तोड़ विस्फोट भइल. तालिबान एह हमला केजिम्मेवारी लिहले बा.
  • अर्जेटीना के राजधानी ब्यूनस आयर्स का लगे मंगल का सबेरे एगो मेट्रो रेलगाड़ी आ बस का टक्कर में कम से कम छह लोग के मौत हो गइल आ 100 जने से अधिका घाहिल हो गइले.
  • लीबिया में विद्रोहियन के राष्ट्रीय अंतरिम परिषद के प्रमुख मुस्तफा अब्दुल जलील त्रिपोली में लोगन से एगो लोकतांत्रिक देश बनावे का काम में सहयोग देबे के निहोरा कइले बाड़े.
  • नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई मंगल का दिने भारतीय राजदूत जयंत प्रसाद से कहले कि ऊ नई दिल्ली के कहसु कि भारत में माओवादी पार्टी के 11 नेता लोग का खिलाफ सुनावल जेल के सजा रद्द कर देव.
  • एगो पाकिस्तानी नागरिक के हत्या के आरोप में शारजाह के अदालत से मौत के सजा पवले 17 गो भारतीय अब जल्दी रिहा हो सकेले काहे कि ओह लोग का तरफ से मुआविजा के रकम चुका दिहल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • अमेरिका आ यूरोप के कर्जा संकट का चलते वित्तीय बाजार में घबराहट बा, कहले प्रणब मुखर्जी.
  • बकाया चुकावे खातिर हर्षद मेहता का सम्पत्ति में से 650 करोड़ रुपिया निकाल के आयकर विभाग आ बैंकन के दिहल जाई.
  • अगस्त महीने में चार लाख से अधिका विदेशी सैलानी भारत अइलें पिछला साल अगस्त में 3.82 लाख विदेशी सैलानी आइल रहले.
  • कंप्यूटर कंपनी डेल भारत में अपना कर्मचारियन के संख्या दुगुना करी.
  • आजु मंगल का दिने शेयर बाजार में मामूली गिरावट देखे के मिलल जब सेंसेक्स 34 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • अगिला तिमाही में रोजगार वृद्धि के दर कम रहे के अनेसा बा.
  • राष्ट्रपति बराक ओबामा के 447 अरब डॉलर के रोजगार पैकेज खातिर धन के इंतजाम करे खातिर धनी लोग पर कर लगावे के सुझाव के विपक्षी रिपब्लिकन पार्टी खारिज कर दिहले बिया.
  • अपना के फेर से सुगठित करे खातिर 30000 कर्मचारियन के छँटनी करी बैंक ऑफ अमेरिका.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ के तीन दिन के कमाई 25.6 करोड़ रुपिया.
  • मशहूर फोटोग्राफर गौतम राजाध्यक्ष के आजु मंगल का सबेरे दिल के दौरा पड़ला का बाद निधन हो गइल. ऊ 61 साल के रहले आ बालीवुड के करीब हर सितारा के फोटो खींचले रहले.
  • अभिनेता शाहिद कपूर बतवले कि उनुका अगिला फिल्म ‘मौसम’ के सेंसर बोर्ड से प्रमाणपत्र मिल गइल बा.
  • अभिनेत्री सोनम कपूर के लागत बा कि खाँटी रोमांस फिलिमे ना जिनिगिओ से गायब हो गइल बा. उनुकर मानना बा कि फिल्म ‘मौसम’ रोमांस के पुरनका आकर्षण के दुबारा ले आवे में मदद करी.
  • शाहरुख खान अपना फिल्म ‘रा.वन’ के संगीत यश जौहर आ अपना फिल्म निर्माण कंपनी के सीईओ बॉबी चावला के समर्पित करत एगो बड़हन समारोह में एह फिल्म के संगीत जारी कइलन.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस ट्रॉफी : भारत से छिनाइल मेजबानी न्यूजीलैंड के दिहल गइल. अब एह टूर्नामेंट के आयोजन 3 से 11 दिसम्बर ले ऑकलैंड में होखी.
  • देश के टेरिटोरियल आर्मी भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी आ ओलम्पिक में स्वर्ण पदक जीते वाला निशानेबाज अभिनव बिंद्रा के लेफ्टिनेंट कर्नल के मानद पदवी देबे के फैसला कइले बिया.
  • 19 सितम्बर से शुरू हो रहल चैम्पियंस लीग क्वालीफाईंग टूर्नामेंट में गौतम गंभीर चोट का चलते अपना टीम कोलकाता नाइट राइडर्स के कप्तानी ना कर पइहें. उनुका जगहा जैक्स कैलिस के कप्तान बनावल गइल बा.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के मुख्य कार्यकारी अधिकारी हारून लोगार्ट के कहना बा कि लंदन में आयोजित पुरस्कार वितरण समारोह में भारतीय टीम के ना आइल ‘शर्मनाक’ बात बा आ एकरा खातिर बीसीसीआई से सवाल करे के चाहीं.
  • केंद्रीय खेल मंत्रालय के कहना बा कि ऊ लंदन ओलम्पिक के तैयारी खातिर राष्ट्रीय खेल विकास कोष से 22 खिलाड़ियन ला 6.85 करोड़ रुपिया जारी कर दिहले बा.
  • हॉकी में भारत के कप्तान रहल धनराज पिल्लै के कहना बा कि भारत आ पाकिस्तान के अपना में नियमित मैच खेले के चाहीं तबहिये हमनी के बिलाइल प्रतिष्ठा वापिस आ पाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up