देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 5, 2011 | 0 comments

(शुक, 4 नवंबर)
देश

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह शुक का दिने कांस में कहले कि विदेशन में जमा करिया धन के वापिस देश में ले आवल जाई.
  • भाजपा के कहना बा कि भारत के गलत नक्शा का मामिला में एगो पत्रकार से गलत तरीका से पेश आवे वाला चीनी राजदूत माफी माँगसु.
  • मध्य प्रदेश के शहडोल जिला में एगो मकान में लागल आग में पांच लोग जर के मर गइल. हादसा शॉर्ट सर्किट से भइल बतावल जात बा.
  • दिल्ली में होखे जा रहल एगो मेला में अमेरिका के 34 गो विश्वविद्यालयन के प्रतिनिधि भारत के छात्रन के अपना संस्थान अउर विषयन का बारे में पूरा जानकारी दीहें.
  • अइसनका संकेत मिलत बा कि सेना जम्मू कश्मीर से एएफएसपीए हटावे के विरोध कर सकेले.
  • पश्चिम बंगाल में ममता बनर्जी नक्सलियन का खिलाफ संयुक्त कार्रवाई करे के संकेत दिहली.
  • रांची के नियरा मेसरा के बिरला प्रौद्योगिकी संस्थान में एगो विद्यार्थी पारिवारिक कारण से फांसी लगा लिहलसि.
  • स्विस बैंक के खाताधारकन के नाम जगजाहिर करे के माँग कइलें लालकृष्ण आडवाणी
  • मद्रास उच्च न्यायालय शुक का दिने तमिलनाडु सरकार के ओह फैसला पर रोक लगा दिहलसि जवना में अन्ना सेंटेनरी लाइब्रेरी के बचवन के अस्पताल बनावे के बात कहल रहे.
  • सहयोगी पार्टियन से राय लिहले बिना पेट्रोल के दाम बढ़वला से तृणमूल सांसद नाराज बाड़न आ सरकार से बाहर निकलल चाहत बाड़न.
  • छत्तीसगढ़ में नक्सलियन के गढ़ रहल बस्तर जिला में एह हफ्ता 2,500 से अधिका सेना के जवानन के प्रशिक्षण खातिर ले आवल गइल बा.
  • सर्वोच्च न्यायालय तमिलनाडु मुख्यमंत्री जे. जयललिता के ओह याचिका के शुक का दिने खारिज कर दिहलसि जवना में ऊ आय से अधिका के सम्पत्ति बनावे का मामिला में बेंगलुरू का अदालत में दोबारा पेश होखे के आदेश के चुनौती दिहले रहली.
  • सत्यम कम्प्यूटर्स सर्विसेज लिमिटेड के संस्थापक बी. रामालिंगा राजू, उनुका भाई बी. रामा राजू अउर सहायक वी. श्रीनिवास के शुक का दिने सर्वोच्च न्यायालय से जमानत मिल गइल.
  • लोकपाल पारित ना भइल त कांग्रेस का खिलाफ खुलके प्रचार करे के बाति कहले अन्ना हजारे. दोसरा तरफ कांग्रेस कहले बिया कि बेर बेर ब्लैकमेलिंग मत कइल करसु अन्ना.
  • सर्वोच्च न्यायालय एगो याचिका पर शुक का दिने केंद्र सरकार के नोटिस जारी कइलसि. याचिका में गम्भीर आपराधिक मामिला में फँसल 162 गो सांसदन के खिलाफ मामिला के जाँच आ सुनवाई में तेजी ले आवे के मांग कइल गइल बा.
  • अन्ना शुक का दिने फेरु कहलन कि लोकपाल मसला पर सरकार के नीयत साफ नइखे.
  • पिछला उनइस दिन से चलल आ रहल आपन मौन व्रत अन्ना हजारे शुक का दिने राजघाट पर भारत माता के जय कारा लगा के तूड़ दिहले. कहलन कि उनुकर मौन व्रत केहू का खिलाफ ना हो के अपना तबियत खातिर रहुवे.
  • मध्य प्रदेश के सीधी जिला के दू गो गांव में पिछला एक महीना में मलेरिया से 24 गो बचवन के मौत भइल बा. एहमें 20 गो बुचिया रहली सँ.
  • बियफे का दिने टीम अन्ना के सदस्य संसदीय समिति में हाजिर हो के सांसदन के लोकपाल का दायरा में ले आवे के माँग रखलन.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय बियफे का दिने यमुना नदी के नियरा बनल राष्ट्रमंडल खेल गांव के 65 गो फ्लैटन के सीलिंग तूड़े के आदेश दिहलसि आ कहलसि कि एह फ्लैटन पर आवेदकन के हक बा.

दुनिया के खबर

  • ब्रिटेन में एह साल के आखिर ले समलैंगिकन के गिरजाघर में शादी करे के अनुमति मिल जाई.
  • तिब्बत पर बीजिंग शासन का विरोध में शुक का दिने चीनी दूतावास के सामने प्रदर्शन करत एगो 26 साल के तिब्बती युवक अपना देह में आग लगा लिहलसि.
  • पाकिस्तान बियफे का दिने लीबिया के नयकी सरकार के मान्यता दे दिहलसि.
  • पाकिस्तान के सूचना प्रसारण मंत्री फिरदौस आशिक अवान के कहना बा कि संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में चुनाइल साबित करत बा कि पाकिस्तान अलगा थलगा नइखे पड़ल.
  • दुनियाभर में सात से बारह साल के करीब 10 लाख बच्चा सोशल नेटवर्किंग वेबसाइट फेसबुक के आदी हो गइल बाड़ें आ रोज कम से कम एक बेर एकरा के जरुर खोलेलें.
  • भारत के मिलल पाकिस्तान के तरजीही देश के दर्जा के अमेरिका सरहले बा आ कहले बा कि एहसे दुनु देशन का बीच बड़हन आर्थिक अवसर पैदा होई.
  • फ्रांस का कांस शहर में जी-20 देशन के सम्मेलन में शामिल होखे गइल प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह बियफे का दिने ब्रिक्स देशन (ब्राजील, रूस, चीन अउर दक्षिण अफ्रीका) के नेता लोग के नई दिल्ली आवे के नेवता दिहले. अगिला साल 29 मार्च के नई दिल्ली में ब्रिक्स सम्मेलन होखे वाला बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • 10.4 अरब डॉलर के 126 गो मध्यम बहुद्देशीय लड़ाकू विमानन के खरीद प्रक्रिया शुक का दिने अपना आखिरी चरण में पहुंच गइल. अंतिम दौर में यूरोपीय संघ का यूरोफाइटर आ फ्रांस के डेसाल्ट एविएशन का बीच फैसला होखे के बा.
  • निर्यात बढ़ावे खातिर भारत सरकार रणनीति बनवले बिया जवना अनुसार साल 2014 ले निर्यात बढ़ाके दुगुना कर लिहल जाई.
  • शुक का दिने सेंसेक्स में मामूली तेजी रहल आ बाजार सेंसेक्स में 81 अंक के बढ़ोतरी का साथे बंद भइल.
  • भारत से 5 लाख टन चावल आयात करी इंडोनेशिया.
  • अमेरिका में गरीबी तेजी से बढ़त बिया आ 4.62 करोड़ से अधिका लोग गरीबी के शिकार हो गइल बा.
  • एचपी कम्पनी बियफे का दिने विंडो ऑपरेटिंग सिस्टम आधारित ‘स्लेट टू’ टैबलेट कम्प्यूटर बाजार में उतरलसि.
  • भारती एयरटेल के शुद्ध मुनाफा दुसरका तिमाही में 38 फीसदी घट गइल.
  • अमेरिका में सबले बेसी कमाई करे वाली 280 गो कम्पनियन में से जनरल इलेक्ट्रिक, वेरिजोन अउर बोइंग समेत 30 गो कम्पनी साल 2008-10 के इन्कम टैक्स नइखे दिहले. एह बाति के खुलासा एगो रपट में कइल गइल बा.
  • ओबामा प्रशासन अफगानिस्तान में सुरक्षा के कमान जल्दी से जल्दी ओहिजे के लोग के सँउपल चाहत बा.
  • बियफे शुक का बीच अधिरतिया से पेट्रोल के दाम प्रति लीटर 1.80 रुपिया बढ़ा दिहल गइल. विश्व बाजार में बढ़त तेल के दाम आ डॉलर का मुकाबिले रुपिया के कमजोर पड़ला से तेल कंपनियन के ई मजबूरी बा. बाकिर सरकार चाहे त पेट्रोल पर से टैक्स कम कर सकेले. जवन ऊ चाहत नइखे.
  • चीन के विदेशी व्यापार 30 खरब डॉलर के हो गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेत्री दीपिका पादुकोणे अगिला ओलम्पिक का दौरान खेलन के प्रोत्साहन करीहें. एह खातिर खेल विकास निगम उनुका से सम्पर्क सधले बा.
  • टेलीविजन शो ‘भाग्यविधाता’ के अभिनेत्री स्मिता सिंह के कहना बा कि एह उद्योग में सरल आ ईमानदार लोग खातिर टिक पावल बहुते कठिन होला आ बनल रहे खातिर तनी हमलावर बने के पड़ेला.

खेल के खबर

  • तीन देशन का बीच खेलल गइल हॉकी श्रृंखला के निर्णायक मुकाबला में पाकिस्तान आस्ट्रेलिया के हरा दिहलसि.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में विकेटकीपर बल्लेबाज वृद्धिमान साहा (नाबाद 167) अउर मनोज तिवारी (132) के शानदार पारी का बदौलत बंगाल टीम गुजरात टीम का खिलाफ आपन पहिला पारी छह विकेट पर 560 रन बनाके घोषित कर दिहलसि.
  • स्पॉट-फिक्सिंग मामले में दोषी करार पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सलमान बट्ट के बहिन के शादी अनिश्चितकाल खातिर टार दिहल गइल बा.
  • वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के कोच ओटिस गिब्सन के कहना बा कि भारत में होखेवाला शृंखला में ओकरा कड़ा चुनौती मिले वाला बा.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में मिलिंद कुमार (नाबाद 84) आ रजत भाटिया (नाबाद 57) के शानदार अर्धशतकन का चलते दिल्ली टीम हरियाणा का खिलाफ शानदार वापसी कर लिहलसि.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के उप कप्तान शेन वॉटसन के मानना बा कि भठियरपन के आरोप में दोषी मिलल खिलाड़ियन पर आजीवन प्रतिबंध लगा देबे के चाहीं.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में जडेजा तिहरा शतक लगवले आ सौराष्ट्र अपना पहिला पारी में 545 रन बना लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up