देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 10, 2011 | 0 comments

(बुध, 9 नवंबर)
देश

  • गुजरात के सरदारपुरा दंगा मामिला में आजु एगो विशेष अदालत 31 जने के उमिर कैद के सजा सुनवलसि. गोधरा में कारसेवकन के रेलगाड़ी में आमलोग के कहला मुताबिक जिन्दा जरा देबे के घटना का बाद मार्च 2002 में पूरा गुजरात में दंगा भइक गइल रहे आ सरदारपुरा में 33 लोग के जिंदा जरा दिहल गइल रहे.
  • बुध का दिने उत्तराखंड में अपने ना जा के आपन लिखल भाषण सोनिया गाँधी भेजली जवना में टीम अन्ना पर जोरदार हमला कइल गइल. कहली कि जब केन्द्र सरकार आ प्रधानमंत्री कहत बाड़े कि असरदार लोकपाल बिल ले आवल जाई त फेर ई हल्ला काहे होखत बा. अपना के वाहवाही देत सोनिया कहली कि उनुके पहल पर देश के सूचना अधिकार मिलल आ उनुके अध्यक्षता वाली सलाहकार समिति लोकपाल विधेयक पर सबले पहिले काम शुरू कइलसि. कहली कि खाली भाषणबाजी से भठियरपन खतम ना होई.
  • छतरपुर में एगो बस पेड़ से जा टकराइल जवना चलते छह लोग के मौत हो गइल.
  • मध्य प्रदेश के ग्वालियर जिला के डबरा उप जेल से नौ गो कैदी जेलपहरेदारन के जहर खिया के फरार हो गइल बाड़े. एह कैदियन पर हत्या, लूट आ चोरी के आरोपी बावे.
  • झारखण्ड के मुख्यमंत्री रहल मधु कोड़ा के करिया धन बिजनेस में लगावे में मदद करे वाला संजय चौधरी के बुध का दिने दुबई में गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • 2जी मामला में कनिमोझी आ चार गो दोसर आरोपियन के जमानत याचिका पर अदालत सीबीआई के नोटिस जारी कइले बिया. अगिला सुनवाई पहिला दिसम्बर के होई तबले कनिमोझी आ बाकी लोग जेले में रही.
  • बुध का दिने केंद्र आ राज्य सरकार के खिलाफ समाजवादी प्रदेश भर में प्रदर्शन कइलसि. कई जगहा पुलिस से झड़प होखे के खबर बा.
  • राँची में पेंशन खातिर अनशन पर बइठल स्वतंत्रता सेनानी दम्पत्ति सरकार से भरोसा मिलला का बाद अनशन तूड़ दिहले.
  • कोलकाता का लगे उत्तर 24 परगना जिला में बुध का दिने नक्सलियन के पोस्टर मिलल जवना में राज्य सरकार के निंदा बा आ भठियारा नेतवन के गरदन काट लेबे के धमकी दिहल गइल बा.
  • अरविंद केजरीवाल उम्मीद जतवले बाड़न कि सोनिया के प्रतिबद्धता के सम्मान करी संप्रग आ संसद के शीतकालीन अधिवेशन में लोकपाल बिल पारित कराई.
  • भाजपा के कहना बा कि भठियरपन का खिलाफ सोनिया के भाषण में भाजपा के विचार झलकत बा.
  • कांग्रेस महासचिव के मध्यप्रदेश के लोकायुक्त पर भरोसा नइखे.
  • नीतीश कटारा के हत्या करे वाला विकास यादव उमिर कैद के सजा भुगतत बा आ एह बीच ऊजेल से चार दिन के पैरोल मँगले बा. कटारा के हत्या विकास का बहिन से दोस्ती रखला का चलते भइल रहे.
  • दक्षेस सम्मेलन में शामिल होखे प्रधानमंत्री मालदीव पहुंच गइले.
  • छत्तीसगढ़ में दू लाख हड़ताली संविदा शिक्षकन का खिलाफ एस्मा लगावे खातिर कांग्रेस भाजपा सरकार के आलोचना करत बिया.
  • बियफे का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मालदीव में पाकिस्तानी प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी से भेंट करीहें.
  • जम्मू काश्मीर से विशेष सैन्य अधिनियम हटावे खातिर उमर अब्दुल्ला बुध का दिने कहलें कि एह खातिर ऊ पी चिदम्बरम से बतियवले रहले.
  • जम्मू कश्मीर सरकार के नया भर्ती नीति के विरोध करत 50 से अधिका छात्रन के जम्मू इलाका में गिरफ्तार कर लिहल गइल. नयका नीति में नया भरती पर अधिया वेतन दिहल जाई.
  • कश्मीर ‘दरबार’ बुध का दिने राज्य के शीतकालीन राजधानी जम्मू चहुँप गइल. बुध का दिने मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के जम्मू में ‘गार्ड ऑफ ऑनर’ दिहल गइल.
  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मंगल का दिने कहलन कि केंद्र सरकार मनरेगा कोष के दुरुपयोग करे वालन का खिलाफ विशेष अदालत बनावे के योजना बनावत बिया.
  • गुवाहाटी उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति मदन भीमाराव लोकुर के स्थानांतरण आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश का रूप में कइल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • मालदीव में होखत दक्षिण एशियाई सहयोग संगठन के बइठका में पाकिस्तान सदस्य देशन से सहयोग करे के प्रतिबद्धता जतवलसि.
  • परमाणु बम बनावे में काम पर लागल बा ईरान, कहलसि अंतर्राष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी.
  • पाकिस्तान में तीन गो हिंदू डाक्टन के हत्या कर दिहल गइल बा. एह काण्ड के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी निंदा कइले बाड़न.
  • रूस का प्रक्षेपण असफल भइल. अपना कक्षा में ना चहुँप पावल ओकर रोबोटिक अंतरिक्ष यान. एह यान के मंगल ग्रह के चांद फोबोस खातिर प्रक्षेपण कइल गइल बाकिर कोशिश असफल रहल.
  • रूस के राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव चेतवले बाड़न कि ईरान का खिलाफ बयानबाजी मध्य-पूर्व खातिर विनाशकारी हो सकेला.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • दुनिया के मशहूर रेटिंग एजेंसी मूडीज भारत के बैंकन के खराब हालत के अनेसा देखत बुध का दिने ओकनी के रेटिंग घटा दिहलसि जवना का बाद एह बैंकन का शेयर में जम के बिकवाली हो गइल. रिजर्व बैंक कई बार में ब्याज दर बढ़ा दिहले बा जवना चलते बैंकन के हालत खराब हो सकेला.
  • पुणे का नियरा बने वाला लवासा के प्रस्तावित 3000 करोड़ रुपये के हिल सिटी परियोजना के केंद्रीय पर्यावरण मंत्रालय सशर्त अनुमति दे दिहलसि.
  • रैनबेक्सी के 464 करोड़ रुपिया के शुद्ध घाटा भइल बा मौजूदा साल के दुसरका तिमाही में.
  • मौजूदा कारोबारी साल के दुसरका तिमाही में सीईएससी के शुद्ध लाभ 26 फीसदी घट गइल.
  • देश के प्रमुख तेल विपणन कम्पनी इंडियन ऑयल कारपोरेशन के मौजूदा कारोबारी साल के दुसरका तिमाही में 7,485.55 करोड़ रुपिया के शुद्ध नुकसान भइल बा.
  • बुध का दिने शेयर बाजार में जम के गिरावट भइल आ सेंसेक्स 207 अंक नीचे बंद भइल.
  • चीन के औद्योगिक विकास अक्टूबर में सुस्त रहल.
  • आस्ट्रेलियाई व्यापार प्रतिनिधिमंडल भारत के दौरा पर आई.
  • एसबीआई के तिमाही शुद्ध लाभ 12.4 फीसदी बढ़ल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • हँसावे वाला कार्यक्रमन खातिर मशहूर “सब टीवी” पर पिछला पांच नवम्बर से हर शनिचर रात नौ बजे से ‘सब का इवनिंग शो’ देखावल जा रहल बा. डेढ़ घंटे के एह खास कड़ी में हर बेर नया कहानी आ नया कलाकार दर्शकन के मनोरंजन करेलें.
  • प्रसिद्ध फिल्मकार यश चोपड़ा ‘अग्निपथ’ फिल्म के झलकी देखके अभिनेता ऋतिक रोशन से बहुते प्रभावित भइले.
  • अभिनेत्री दीप्ति नवल अपना लघु कहानी संग्रह के प्रकाशन का बाद लेखक समूह में शामिल हो गइल बाड़ी. एह कहानियन में वास्तविक भारत के झलक बा.
  • अक्षय कुमार अइसन व्यवसायिक अभिनेता आ निर्माता हउवें जे अंगरेजी से बेसी हिंदी पसंद करेला आ घर में परांठा खाला.

खेल के खबर

  • पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सलमान बट्ट स्पॉट फिक्सिंग मामले में मिलल 30 महीना जेल के सजा का खिलाफ अपील दायर कइले बाड़न.
  • भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण में काम करे वाली कोलकाता निवासी महिला ग्रैंडमास्टर मेरी एन गोम्स 38वीं महिला राष्ट्रीय प्रीमियर शतरंज चैम्पियनशिप जीत लिहली.
  • मेजर ध्यानचंद स्टेडियम में चलत चार देशन के महिला अंडर-21 लाल बहादुर शास्त्री हॉकी टूर्नामेंट के दुसरका मुकाबला में भारत आ आस्ट्रेलिया के मैच गोलरहित बराबरी पर रहल.
  • पेरिस मास्टर्स के दुसरका दौर पेस-भूपति के जोड़ी हार गइल.
  • कप्तान धौनी के कहना बा कि मीडिया का दबाव का चलते सचिन के शतक के सैकड़ा पूरा नइखे हो पावत. कहलन कि बेजा दबाव मत बनावे मीडिया.
  • कबड्डी विश्व कप में बुध का दिने नार्वे, पाकिस्तान आ इटली आपनआपन मैच जीत लिहले.
  • पहिलके मैच में मैन आफ द मैच चुनाये वाला तीसरा भारतीय खिलाड़ी बनले अश्विन. फिरोजशाह कोटला स्टेडियम में वेस्टइंडीज के पहिला टेस्ट मैच में हरावे वाला भारत का तरफ से अश्विन नौ गो विकेट लिहले. भारत एह मैच में वेस्ट इंडीज के पाँच विकेट से हरा दिहलसि.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के नयका स्टार गेंदबाज रविचंद्रन अश्विन अतवार का दिने अपना बचपन के दोस्त प्रीति नारायणन से बिआह करीहें.
  • बुध का दिने उमेद से अलगा सचिन आपन शतक के सैकड़ा फेर ना लगा पवलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up