देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 11, 2011 | 0 comments

(शुक, 11 नवंबर)
देश

  • रक्षा मंत्री ए.के.एंटनी शुक का दिने कहलन कि जम्मू काश्मीर से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे का बारे में आखिरी फैसला एकीकृत कमाने के लेबे के बा.
  • केरल के एगो फास्ट कोर्ट चलत ट्रेन से धक्का देके एगो औरत के गिरावे, बलात्कार करे आ ओकरा बाद ओकर हत्या कर देबे वाला गोविंद चमिया के मौत के सजा सुनवलसि. घटना पिछला एक फरवरी के भइल रहे. ओह दिन सौम्या कोच्चि से अपना घरे जात रहे. एर्नाकुलम-शोरनपुर पैसेंजर ट्रेन के महिला कम्पार्टमेंट में बइठल सौम्या साथे चमिया पहिले छेड़छाड़ कइलसि आ विरोध कइला पर ओकरा के धक्का मार के ट्रेन का बाहर गिरा दिहलसि आ अपनो कूद गइल. घवाहिल सौम्या का माथा पर एगो पत्थर मार के ओकरा के बेसुध कर दिहलसि. फेर बलात्कार कइला का बाद ओहिजे छोड़ के भाग गइल. बाद में बेहोश मिलल सौम्या के अस्पताल में भरती करावल गइल जहवाँ छह फरवरी के सौम्या के मौत हो गइल. चमिया के वकील के कहना बा कि अदालत के फैसला का खिलाफ अपील करीहें.
  • चण्डीगढ़ के जिला अदालत परिसर में बब्बर खालसा इंटरनेशनल के आतंकवादी जगतार सिंह हवारा आ परमजीत सिंह भेओरा पर कुछ लोग हमला बोल दिहल. हमलावार अपना के शिव सेना सदस्य बतवले.
  • मनाली में बर्फबारी से पहाड़न के चोटि बरफ से तोपा गंइल बाड़ी सँ आ एहिजा आइल पर्यटकन खातिर ई खुशी के दिन बा.
  • 2जी घोटाला मामिला के सुनवाई शुरू हो गइल बाकिर पहिला दिने एके गो गवाह पेश भइल.
  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री के शान्ति दूत कहला खातिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के आलोचना हो रहल बा. भाजपा एह बात पर आपन विरोध दर्ज करवले बिया.
  • नेशनल कांफ्रेंस के संरक्षक फारुक अब्दुल्ला बियफे का दिने अपना छोट भाई मुस्तफा कमाल से पार्टी के अतिरिक्त महासचिव आ मुख्य प्रवक्ता पद से तुरते इस्तीफा दे देबे के कह दिहले.
  • दिल्ली का सरोजनी नगर में बियफे का दिने पहिलका स्वचालित मल्टीलेवल पार्किंग चालू हो गइल. एहीजा 824 गो गाड़ी पार्क हो सकेला.
  • भंवरी मामला में बियफे का दिने मंत्री रहल महिपाल मदेरणा से 6 घंटा ले पूछताछ कइलसि सीबीआई. मदेरणा मान लिहले कि भँवरी से उनुकर जान पहिचान रहे.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के एगो सहयोगी नेता अनिल धन्तोरी का लगे बियफे के गोली भरल बंदूक मिलल बाकिर उनका के गिरफ्तार ना कइल गइल.
  • सुरक्षा बैठक में बतियावल मुद्दा लीक हो जाये से जम्मू काश्मीर के मुख्य मंत्री उमर अब्दुल्ला नाराज बाड़न.
  • दिल्ली के मास्टर प्लान संशोधित कर के गैरकानूनी कॉलोनियन के कानूनी बनावल जाई.
  • अन्ना हजारे फेर कहले बाड़न कि संघ से उनुकर कवनो संबंध नइखे. ओने संघ प्रमुख कहले बाड़न कि अन्ना से कवनो औपचारिक संबंध ना रहला का बावजूद संघ उनुका आंदोलन के भरपूर समर्थन कइले बा, करत बा आ करत रही.
  • पाकिस्तान कसाब के फांसी देबे के कहले बा आ असल अपराधी हाफिक सईद के बचाव कइले बा.
  • कवनो विधेयक से भठियरपन नइखे खतम होखे वाला, कहली महाश्वेता देवी.
  • दाखिले के पुष्टि भइला का बादे मिल पाई ऑस्ट्रेलियाई छात्र वीजा.

दुनिया के खबर

  • विशेषज्ञन के मानना बा कि आर्कटिक सागर में जमल बर्फ के सगरी परत साल 2015 ले पूरा गल जाई.
  • यूरोपीय सेंट्रल बैंक के उपाध्यक्ष रहल लुकास पापाडेमोस के बियफे का दिने ग्रीक के नया प्रधानमंत्री चुन लिहल गइल.
  • बियफे का दिने तुर्की में 5.6 तीव्रता के भूकम्प आइल जवना में 7 लोग के जान चल गइल.
  • पाकिस्तान में एह हफ्ता भइल चार गो हिंदू डाक्टरन के हत्या का खिलाफ सिंध प्रांत के हैदराबाद शहर में सोमार का दिने रैली निकालल जाई.
  • पाकिस्तान के परमाणु हथियार भण्डार के सुरक्षित बतवले बा अमेरिका.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मंदी का चलते देश के औद्योगिक उत्पादन के वृद्धि दर सितम्बर में गिर के 1.9 फीसदी पर आ गइल बा.
  • अमेरिका के बजट घाटा 98 अरब डॉलर हो गइल.
  • चालु साल के पहिला चार महीना में पाकिस्तान के निर्यात में 13 फीसदी के बढ़ोतरी दर्ज भइल बा.
  • डीएलएफ के शुद्ध लाभ में 11 फीसदी के घटती
  • दुनिया में हीरा खातिर जानल जाये वाला पन्ना में एगो 38 कैरेट के हीरा मिलल बा जवना के दाम दू करोड़ रुपिया लगावल गइल बा.
  • महिंद्रा सत्यम के शुद्ध लाभ 6 फीसदी बढ़ल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • रिएलिटी शो ‘कौन बनेगा करोड़पति 5’ के पांच करोड़ रुपिया के पुरस्कार जीते वाला सुशील कुमार चार दिन के शाहरुख खान बन गइल बाड़न. जीतला का बाद से सुशील के अतना सुर्खी आ मान-सम्मान मिलत बा कि ऊ अपना के खास समुझे लागल बाड़न. सुशील एह अफवाह के खारिज कइले बाड़े कि उनुका परिवार के कवनो तरह के खतरा पैदा हो गइल बा.
  • फिल्मकार अनुराग कश्यप के कहना बा कि ‘रॉकस्टार’ रोमांच से भरल एगो इमोशनल फिल्म हवे जवना के फिल्मकार इम्तियाज अली के सबले बेहतर काम आ अभिनेता रणबीर कपूर के अद्भुत अनुभव बा
  • अभिनेत्री विद्या बालन के नयकी फिल्म ‘द डर्टी पिक्चर’ के प्रदर्शन से पहिलही मिलत प्रतिक्रिया देखत लागत बा कि ई फिल्म बॉक्सऑफिर पर ‘रॉकस्टार’, ‘देसी बॉयज’ अउर ‘डॉन 2’ जइसन बड़हन फिलिमन के पीछे छोड़ दी.
  • बॉलीवुड सुपरस्टार शाहरुख खान आ बीतल जमाना के अभिनेत्री शर्मिला टैगोर बियफे का दिने दिया जला के ’17 वां कोलकाता फिल्म महोत्सव’ के उद्घाटन कइल लोग.
  • रणबीर कपूर के फिल्म ‘रॉकस्टार’ में ‘फ्री तिब्बत’ लिखल झंडा वाला दृश्य के सेंसर बोर्ड मद्धिम करे के निर्देश दिहले बा. एहपर निर्वासित तिब्बती आपन नाराजगी जतवले बाड़न.

खेल के खबर

  • केपटाउन टेस्ट में दक्षिण अफ्रीकी क्रिकेट टीम आस्ट्रेलिया के साथ होखत अपना पहिला टेस्ट के तिसरा दिने 236 रन के निशान के पाछा करत एक विकेट पर 122 रन बना लिहले बिया. कप्तान ग्रीम स्मिथ 54 पर आ हाशिम अमला 50 रन पर खेलत बाड़न.
  • कबड्डी विश्व कप में कनाडा के हराके भारत सेमीफाइनल में पहुंचल.
  • कोलकाता टेस्ट में हरभजन के खेले के मौका ना मिलल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up