देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 15, 2011 | 0 comments

(सोमार, 14 नवंबर)
देश

  • जन लोकपाल आंदोलन खातिर समर्थन बिटोरे टीम अन्ना के केजरीवाल इमामन से भेंट कइले. जबकि संघ से समर्थन माँगे से ई लोग बार बार इंकार करेला.
  • कुडनकुलम में रूसी रिएक्टरन पर नागरिक दायित्व कानून लागू ना होई. कहलसि भारतीय परमाणु संस्थापन के एगो वरिष्ठ अधिकारी.
  • भाई के शादी में शामिल होखे खातिर मनु शर्मा के पैरोल याचिका 16 नवंबर के फैसला लिहल जाई.
  • आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय सोमार का दिने मुख्यमंत्री रहल तेलुगू देशम पार्टी प्रमुख चंद्रबाबू नायडू के सम्पत्ति के सीबीआई जाँच के आदेश दिहलसि.
  • महेश योगी के पादुका एह महीना लंदन में नीलाम करावल जाई जवना से 80 हजार पाउंड मिले के उमेद जतावल गइल बा.
  • मप्र में तीन गो मेडिकल कालेजन में जूनियर डाक्टर हड़ताल पर बाड़े. ऊ लोग चाहत बा कि देहात में जाये खातिर मजबूर मत कइल जाव !
  • झारखण्ड उच्च न्यायालय कोडरमा जिला के सैनिक स्कूल में रैगिंग के खबर के नोटिस लेत राज्य सरकार के घटना के जाँच करावे के आदेश दिहलसि,
  • अमेरिका में भइल तलाशी पर बतियावल नइखन चाहत पूर्व राष्ट्रपति ए. पी. जे. अब्दुल कलाम. कहलन कि ई बेकार के बाति बा जवना के चरचा केकवनो मतलब नइखे.
  • नर्स भंवरी देवी के लापता होखे का मामिला में राजस्थान उच्च न्यायालय केंद्रीय जांच ब्यूरो से 24 नवंबर तक रिपोर्ट दे देबे के कहले बिया।
  • एएफएसपीए पर उमर का साथ बातचीत के बेनतीजा बतवले रक्षा मंत्री ए॰ के॰ एंटनी.
  • वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार आरोपियन के जमानत पर 16 नवम्बर के फैसला सुनाई अदालत.
  • सुरक्षाबलन से अपना जान के खतरा बा काश्मीर के अलगाववादी सैयद अली गिलानी के.
  • विदेश मंत्री एस.एम. कृष्णा अमेरिका से कहलन कि भारतीय गणमान्य लोग के यात्रा का दौरान ओकरा प्रोटोकाल के ध्यान राखे के चाहीं.
  • मानहानि का मामले में ‘टाइम्स नाऊ’ के सर्वोच्च न्यायालय से राहत ना मिल पावल आ अब ओकरा 20 करोड़ रुपिया उच्च न्यायालय में रजिस्ट्रार का लगे आ 80 करोड़ रुपिया के बैंक गारंटी जमा करावे के पड़ी।

दुनिया के खबर

  • ब्रिटेन में गैरकानूनी तरीका से लोगन के ले आवे, शादी करावे, आ कालेजन में दाखिला करावे का आरोप में एगो भारतीय मूल के आदमी के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • सोमार का दिने पाकिस्तानी वायु सेना के एगो प्रशिक्षु विमान दुर्घटनाग्रस्त गो गइल आ चालक के मौत हो गइल.
  • ईरान में चोरी छिपे बीबीसी पर्शियन टेलीविजन चैनल खातिर काम करत एगो पत्रकार के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. ओकरा पर झूठी बात फइलावे आ जनता के भरमावे के कोशिश करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • अर्थशास्त्री मोंटी बनले इटली के प्रधानमंत्री.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • इकत्तीसवां भारत अंतर्राष्ट्रीय व्यापार मेला नई दिल्ली के प्रगति मैदान में सोमार से शुरू हो गइल. उद्घाटन केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी कइलन. एह मेला में पन्द्रह लाख लोग के आवे के उमेद बा.
  • एसटेल के सीईओ रहल शमिक दास रिलायंस कम्युकेशंस के बेतार कारोबार के सीओओ बनावल गइलन.
  • किंगफिशर बोर्ड के बइठक में राहत योजना पर विचार होखत बा. सोमार का दिने कवनो साफ तस्वीर ना बनला पर मंगलो का दिने बइठक जारी राखे के तय भइल बा.
  • खाद्य महंगाई दर बढ़के 9.73 फीसदी हो गइल.
  • रिलायंस कम्युनिकेशंस आ रिलायंस इंडस्ट्रीज का बीच ब्रॉडबैण्ड संरचना के किराया पर लेबे के बातचीत चलत बा.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने गिरावट आइल आ सेंसेक्स 74 अंक नीचे बंद भइल.
  • लार्सन एंड टुब्रो अमेरिकी परमाणु कम्पनी ट्रांस न्यूक्लियर इंक के रेडियो एक्टिव कचरा बिटोर खातिर 12 गो ड्राइ शिल्डेड कनस्तरन के आपूर्ति कइलसि.

मनोरंजन का दुनिया से

  • हॉलीवुड एनिमेशन फिल्म ‘द एडवेंचर ऑफ टिनटिन : द सीक्रेट ऑफ यूनिकॉर्न’ प्रदर्शन के पहिलका तीन दिन में 7.35 करोड़ रुपिया के कमाई कर के भारत में स्टीवन स्पीलबर्ग के सबले बेसी कमाई वाली फिल्म हो गइल.
  • ‘रॉकस्टार’ पहिला तीन दिन में 64 करोड़ रुपिया कमइलसि. बॉलीवुड निर्देशक इम्तियाज अली के फिल्म ‘रॉकस्टार’ में रणबीर कपूर के काम के सरहले बाड़ी शबाना आजमी.

खेल के खबर

  • दुसरका एकदिना में श्रीलंका पाकिस्तान के 25 रन से हरवलसि.
  • विश्व जूनियर टेबल टेनिस में भारत के कांस्य पदक मिलल तय हो गइल जब ऊ दक्षिण अफ्रीका के हरा के सेमीफाइनल में चहुँप गइल.
  • बीसीसीआई खुद अपना फायदा खातिर आरटीआई का तहत आ जाव. सलाह दिहलन खेल मंत्री अजय माकन.
  • कबड्डी विश्व कप में अमेरिका के महिला आ पुरुष टीम आपन आपन मुकाबला जीत लिहलसि.
  • कोलकाता टेस्ट में राहुल द्रविड़ के शतक से भारत मजबूत. मैच देखे ईडेन मैदान में बमुश्किल दस हजार दर्शक अइलें. पहिला दिने भारत के 5 विकेट पर 346 रन बनल.
  • टेबल टेनिस वर्ल्ड चैम्पियनशिप खिताब अपना नामे कर चुकल चीन के झांग जिके अब पेरिस में भइल वर्ल्ड कप खिताबो जीत लिहलन.
  • विश्व आ ओलम्पिक फर्राटा चैम्पियन जमैका के उसैन बोल्ट के कहना बा कि उनुकर हमवतनिया योहान ब्लैक भा दोसर धावक उनुका ले बेसी मेहनत करेले बाकिर ऊ लोग बोल्ट से 200 मीटर के ओलम्पिक खिताब ना छीन सके.
  • भोपाल में 27 साल पहिले भइल दुनिया के सबले बड़हन औद्योगिक हादसा के जिम्मेदार कंपनी डॉव केमिकल के लंदन ओलम्पिक के प्रायोजक बनवला के विरोध लगातार बढ़ल जात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up