देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 15, 2011 | 0 comments

(बुध 14 सितम्बर)
देश

  • प्रो॰ सुशांत दत्त गुप्ता के विश्व भारती के नयका कुलपति बनावल गइल बा.
  • हिन्दुस्तान के प्रधानमंत्री पद खातिर अगिला चुनाव में नरेन्द्र मोदी आ राहुल गाँधी में मुकाबिला होखे के बात अमेरकी संसद के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा. एह खबर पर भाजपा के प्रतिक्रिया तनी सम्हल के रहल बाकिर कांग्रेस कुछ कहे से इंकार कर दिहलसि. रिपोर्ट में गुजरात के विकास खातिर नरेन्द्र मोदी के प्रशंसा बाकिर राहुल गाँधी कुछ गलती का चलते उनुका प्रतिष्ठा में कमी के बाति कहल गइल बा. रिपोर्ट में कहल गइल बा कि दुनु नेता अपना अपना पार्टी का तरफ से प्रधानमंत्री खातिर उभरत उम्मीदवार बाड़े. रिपोर्ट पर आपन टिप्पणी करत भाजपा प्रवक्ता के कहना रहे कि अबही भाजपा आपन प्रधानमंत्री के उम्मीदवार तय नइखे कइले.
  • नंदन नीलेकणि “आधार” के हिंदी वेबसाइट http://121.240.240.22/uidai_hindi/ के उद्घाटन हिन्दी दिवस का दिने कइलन.
  • लैंगिक समानता अउर महिला सशक्तीकरण खातिर समर्पित यूएन वीमेन बुध का दिने कहलसि कि संस्था कर्नाटक के स्थानीय निकायन में चुनाइल महिला प्रतिनिधियन के सशक्त बनावे खातिर कर्नाटक सरकार का साथे मिल के काम करी.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय एगो याचिका पर सुनवाई करत दिल्ली विश्वविद्यालय से कामकाजी आवदेकन खातिर पीएचडी प्रवेश प्रक्रिया के जानकारी मँगलसि.
  • नरेन्द्र मोदी का देखा देखी शंकर सिंह वाघेलो तीन दिन उपास रहीहें. नरेन्द्र मोदी बीतल बाति भुला के आगा बढ़े खातिर त वाघेला बितलका बाति याद करावत उपास रहीहे.
  • चेन्नई का लगे मंगल रात भइल रेल दुर्घटना चालक का गलती से भइल. एह दुर्घटना में 10 लोग मर गइले आ 86 जने घाहिल हो गइले. दिन भर यातायात थथमल रहला का बाद बुध के देर साँझि से रेल परिचालन चालू हो गइल.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय दिल्ली विकास प्राधिकरण के ओह प्रस्ताव के सकार लिहलसि जवना में हाल के दिल्ली बम विस्फोट में मराइल लोग के परिजन के 1981 का रोहिणी योजना के भूखंड आवंटन में प्राथमिकता दिहल जाई.
  • झारखण्ड के सगरी पंचायतन के ई-इनेबुल बनावल जाई आ एकरा खातिर राज्य के 4500 पंचायतन के ‘इलेक्ट्रानिक डिलिवरी सिस्टम’ से जोड़ दिहल जाई.
  • देश के जनता अपना सांसदन के हंगामा आ हल्ला गुल्ला मचावे का आदत से परेशान बाड़े. उनुका शिकायत बा कि एह चलते पिछला सत्र में बहुते विधेयक पारित भा पेश ना हो सकल.
  • लश्कर-ए- तैयबा के डिवीजनल कमांडर के मरइला के एक दिन बाद जम्मू कश्मीर के सोपोर कस्बा में आतंकवादी बुध का दिने अर्धसैनिक बल के एगो शिविर पर हमला कइले बाकिर हमला से कवनो नुकसान ना हो पावल.
  • तेलंगाना मुद्दा पर ओहिजा हड़ताल के दूसरका दिन.
  • भारत में घुसपैठ करत तीन गो औरत आ चार गो बच्चा समेत एक दर्जन बांग्लादेशी नागरिकन के त्रिपुरा में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • अमर सिंह के चिकित्सा रिपोर्ट अदालत में पेश कर दिहल गइल जवना में उनुका के अबही अस्पताले में राखे के कहल गइल बा.
  • भाजपा अध्यक्ष अपना तोंद के चर्बी निकलवावे के आपरेशन करवलन.

दुनिया के खबर

  • संयुक्त राष्ट्र में फिलीस्तीन के संप्रभु राष्ट्र बनावे के समर्थन करी रूस. अमेरिका एकरा के वीटो करे के धमकी दिहले बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन अउर एयरसेल-मैक्सिस सौदा के जाँच करत सीबीआई हाल में केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल दयानिधि मारन आ उनुका भाई कलानिधि मारन से पूछताछ कइलसि.
  • महंगाई 9.78 फीसदी बढ़ल त एह चलते रिजर्व बैंक बढ़ा सकेला आपन दर, जवना से उद्योग के बढ़न्ती में सुस्ती आई आ जनता पर बोझा अउरी बढ़ जाई.
  • प्याज के निर्यात रोके के सरकारी फैसला का विरोध में महाराष्ट्र के प्याज उत्पादकों आपन प्याज बेचल बंद कर दिहले जवना चलते एहू हफ्ता महाराष्ट्र में प्याज के दाम बढ़ते गइल.
  • वाहन निर्माता महिंद्रा समूह आजु अपना पहिला विमान के पहिलका प्रायोगिक उड़ान भररवलसि जवन सफल रहल. एह विमान में पाँच यात्री सफर कर सकेले.
  • रिलायंस कैपिटल के जीवन बीमा कारोबार के 26 फीसदी हिस्सेदारी जापानी कम्पनी निप्पॉन लाइफ इंश्योरेंस के बेचे के प्रस्ताव बीमा नियामक सकार लिहलसि.
  • बुध का दिने शेयर बाजार में तेजी रहल आ सेंसेक्स 242 अंक ऊपर बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड के मेगास्टार अमिताभ बच्चन के एह बाति के दुख बा कि भारतीय फिल्म उद्योग में फिल्मन के संरक्षित राखे के आ अभिलेखित करे के काम नइखे होत.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री शबाना आजमी के कहना बा कि प्रख्यात फोटोग्राफर गौतम राजाध्यक्ष एगो फिल्म के निर्देशन करे के योजना बनावत रहलें आ ओकर पटकथा शबाना का लगे छोड़ गइल रहले.
  • अभिनेता इमरान खान महाराष्ट्र सरकार के ओह फैसला का खिलाफ याचिका दायर कइले बाड़न जवना में शराब पिये खातिर कम से कम पचीस साल के उमिर होखे के चाहीं.
  • शाहिद कपूर आ सोनम कपूर अभिनीत ‘मौसम’ के टोरंटो अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव में प्रदर्शनना हो पाई काहे कि एकरा सेंसर बोर्ड से प्रमाणपत्र मिले में देरी हो रहल बा.
  • अभिनेत्री शिल्पा शेट्टी चार साल बाद ‘द डिजायर’ से वापिस आइल बाड़ी बाकिर एकरा के ऊ आपन आखिरी फिल्म बतावत बाड़ी.

खेल के खबर

  • केंद्रीय खेल मंत्री अजय माकन चीन में आयोजित पहिला एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी जीतके लवटल भारतीय हॉकी टीम के हर खिलाड़ी के 1.5 लाख रुपिया देबे के एलान कइले. पहिले पचीस पचीस हजार रुपिया देबे के बात कहल रहे जवना से खिलाड़ी अपना के बेइज्जत महसूस करत रहले. एकरा अलावे महाराष्ट्र आ पंजाबो सरकार इनाम घोषित कइले बिया.
  • हरारे एकदिना में पाकिस्तान जिम्बाब्वे के 271 रन के निशान पार करे खातिर दिहले बा.
  • हिंद केसरी आ रुस्तम-ए-हिंद पुरस्कार जीत चुकल आ 1970 के राष्ट्रमंडल खेल में कुश्ती के स्वर्ण पदक जीते वाला हरीशचंद्र बिराजदार के बुध का दिने 73 साल का उमिर में निधन हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up