देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 24, 2011 | 0 comments

(बुध, 23 नवंबर)
देश

  • बुधो का दिन संसद ना चल पावल. कांग्रेस विपक्ष पर दोष लगावत बिया त विपक्ष के कहना बा कि सरकार के जिद्द का चलते गतिरोध बनल बा. विपक्ष चाहत बा कि गृहमंत्री चिदम्बरम के हटावल जाव जेहसे कि टूजी घोटाला के जाँच सही तरीका से हो सके. सरकार एह खातिर तइयार नइखे.ओने भाजपा के कहना बा कि संसद चलावे के जिम्मेदारी सरकार पर होला विपक्ष पर ना.
  • आध्यात्मिक गुरु सत्य साईं बाबा के विशाल ट्रस्ट सम्हारे वाला सत्य साईं सेंट्रल ट्रस्ट बुध का दिने आपन सालाना लेखा रपट जारी कइलसि.
  • देश के राजमार्गन खातिर 10000 करोड़ रुपिया जुटाई केन्द्र सरकार. कहलन केंद्रीय सड़क परिवहन अउर राजमार्ग मंत्री सी.पी. जोशी.
  • सत्तारूढ़ वाम दल का खिलाफ संघर्ष का दौरान ममता बनर्जी के समर्थक रहल प्रख्यात शिक्षाविद सुनंदा सान्याल बुध का दिने पश्चिम बंगाल के स्कूल पाठ्यक्रम समिति के अध्यक्ष पद से इस्तीफा दे दिहलन.
  • योग गुरु बाबा रामदेव प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से पूछले बाड़न कि ऊ बतावसु कि करिया धन आ भठियरपन से निपटे खातिर उनुका लगे कवन योजना बा.
  • भारतीय सेना में महिला अधिकारियन के स्थाई कमीशन कुछे चुनिंदा गैर लड़ाकू शाखा में दिहल जाई.
  • कान्हा राष्ट्रीय उद्यान में सिवनी इलाका से 50 गो करिया हिरण ले आइल गइल बा.
  • दिल्ली में लेडी हार्डिग मेडिकल कॉलेज के एगो रेसिडेंट चिकित्सक बुध का दिने अस्पताल परिसर में एगो इमारत के छत से कूद के खुदकुशी करे के असफल कोशिश कइलसि.
  • तृणमूल कांग्रेस मूल्य वृद्दि पर सरकार के विरोध कर सकेले.
  • यूपीए गठबन्हन पर दबाव बनावे खातिर राजग सांसद अपना लगे करिया धन ना होखे के शपथ पत्र दीहें.
  • पंजाब के लोक भलाई पार्टी अकाली दल में बिला गइल.
  • झारखण्ड रेल हादसा के पुलिस साजिश नइखे मानत.
  • मप्र में बिना इम्तिहान लिहले 17000 विद्यार्थियन के इंजीनियरिंग कॉलेजन में दाखिला दिहला का बावजूद अबहियो ओहिजा 27000 से बेसी खाली रह गइल बा.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के कमजोर बतावत सत्तारूढ़ नेशनल कांफ्रेंस के वरिष्ठ नेता मुस्तफा कमाल के बयान पर पार्टी कार्यकर्ता का करीहें कहीहें ई सब सोच के पार्टी परेशान बिया.
  • देहरानदून एक्सप्रेस में लागल आग के जांच शुरू कर दिहल गइल.
  • केंद्र सरकार भोपाल के नाम बदलके भोजपाल करे के राज्य सरकार के प्रस्ताव खारिज कर दिहलसि.
  • कश्मीर में रेलगाड़ी पटरी से उतरला का चलते 20 जने घवाहिल भइल बाड़े.
  • प्रतिबंधित गारो नेशनल लिबरेशन आर्मी अगवा सरकारी अधिकारी के रिहाई का बदले मेघालय से केंद्रीय बल के वापसी मँगलसि.

दुनिया के खबर

  • जुलाई 2012 में होखेवाला लंदन ओलम्पिक में अमेरिका के संघीय जांच एजेंसी भा दोसर कवनो विदेशी सशस्त्र बल के तैनाती के सिरे से नकार दिहल गइल बा.
  • कम्प्यूटर वायरस जगत में ‘कैटरीना’ सबले खतरनाक सर्च टर्म हवे.
  • शेरी रहमान अमेरिका में पाकिस्तान के नयकी राजदूत बनावल गइली. पिछलका राजदूर हुसैन हक्कानी का इस्तीफा का बाद शेरी के बहाली कइल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भठियरपन का आरोप में तिहाड़ जेल में बंद केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल सुखराम निचली अदालत के फैसला के दिल्ली उच्च न्यायालय में चुनौती दिहले.
  • कमजोर रुपिया से आगा चल के सॉफ्टवेयर निर्यात के नुकसान होखी. कहलसि इलेक्ट्रॉनिक्स अउर सॉफ्टवेयर निर्यात परिषद. बुध का दिने रुपिया में लगातार आठवां दिने गिरावट दर्ज कइल गइल.
  • टाटा समूह रतन टाटा के वारिस खातिर साइरस पी. मिस्त्री के उपाध्यक्ष बना दिहलसि. मिस्त्री के कहना बा कि ई उनुकर सौभाग्य बा.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन मामिला में पांच गो अधिकारियन के सर्वोच्च न्यायालय से जमानत मिलला का बाद रिलायंस कम्युनिकेशंस, यूनीटेक आ डीबी रियल्टी के शेयरन में उछाल दर्ज कइल गइल. सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि एह लोग के हमेशा खातिर जेले में ना राखल जा सके.
  • सेंसेक्स पिछला दू साल में सबले निचला स्तर छूअला का बाद 365 अंक नीचे बंद भइल.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय 2जी मामिला के सुनवाई तिहाड़ जेल परिसर में स्थानांतरित करे पर बुध का दिने रोक लगा दिहलसि.
  • 2जी घोटाला मामिला में टाटा, अम्बानी के सहआरोपी बनावे खातिर दाखिल याचिका दिल्ली उच्च न्यायालय बुध का दिने खारिज कर दिहलसि.
  • एयर इंडिया के पायलट फेर हड़ताल करे के धमकी दिहले.

मनोरंजन का दुनिया से

  • गोवा में बुध का दिने 42वाँ भारतीय अंतरराष्ट्रीय फिल्म समारोह के उद्घाटन बालीवुड के मशहूर अभिनेता शाहरुख खान केंद्रीय सूचना प्रसारण मंत्री अंबिका सोनी, गोवा के मुख्यमंत्री दिगंबर कामत, सूचना प्रसारण मंत्रालय के सचिव यू. के. वर्मा आ देश-विदेश के मशहूर फिल्मी हस्तियन का मौजूदगी में कइलन. एह समारोह में 67 देश के 167 से बेसी फिलिम देखावल जाई. फीचर फिल्म वर्ग में भारतीय सिनेमा के गौरवपूर्ण प्रदर्शन कइल जाई. भारतीय पैनोरामा के शुरुआत ‘उर्मि’ फिल्म के प्रदर्शन से होखी आ “रंजना आमी आर आसबो” आ “जिंदगी ना मिलेगी दोबारा” आदि फिलिम देखावल जाई. साईं परांजपे के अध्यक्षता वाली जूरी एह समारोह खातिर 24 गो फीचर फिल्म चुनले बिया.
  • नई दिल्ली में बुध का दिने ‘भारतीय सिनमा में संगीत एवं गीत’ विषय पर एगो एनएफएआई प्रदर्शनी के उद्घाटन सूचना प्रसारण सचिव उदय कुमार वर्मा कइलन.
  • बॉलीवुड के प्रतिष्ठित प्रोडक्शन हाउस यश राज फिल्म्स अमेरिकी फिल्म उद्योग में प्रवेश करे के योजना बनवले बा.

खेल के खबर

  • वर्ल्ड टूर टेनिस में बुध का दिने पेस-भूपति आपन पहिला जीत दर्ज कइलन.
  • श्रीलंका पांचवां एकदिना में पाकिस्तान का सोझा 219 रन के निशान रखलसि.
  • चीन ओपन बैडमिंटन में भारत के सायना नेहवाल पहिलके दौर में हार गइली.
  • मुम्बई टेस्ट में दुसरका दिने वेस्टइंडीज रन के पहाड़ खड़ा कर दिहलसि आ नौ विकेट पर 575 रन बनाके आपन पोजीशन मजबूत कर लिहलसि.
  • दिग्गज बल्लेबाज राहुल द्रविड़ के 2010-11 सत्र में शानदार प्रदर्शन करे खातिर सर्वश्रेष्ठ भारतीय क्रिकेट खिलाड़ी चुनल गइल बा आ उनुका के पॉली उमरीगर पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई.
  • अगिला साल बांग्लादेश क्रिकेट टीम पाकिस्तान के दौरा कर सकेले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up