भारत नेपाल सीमा पर भिखनाठोरी से पिकनिक मना के मोटरसाइकिल से लवटति तीन गो इंजीनयरिंग छात्र के मोटरसाइकिल सहोदरा थाना का लगे मोड़ पर बेकाबू हो के एगो गाछि से टकरा गइल जवना का बाद एगो छात्र रुपेश के मौत ओहिजे हो गइल. दोसर घवाहिल नीतेश यादव के मौत अस्पताल में इलाज का दौरान हो गइल आ तिसरका अभिषेक के पटना अस्पताल भेजल गइल बा जहवां ओकरो हालत गंभीर बा. तीनो चेन्नई के एगो इंजिनियरिंग कालेज के पहिला वर्ष के छात्र रहलें आ छुट्टी में घरे आइल रहलें. रुपेश कोतराहा गांव के आ नीतेश डकहवां गांव के रहलें. अभिषेक बेतिया परबतिया टोला के हउवे.
0 Comments