योग गुरु बाबा रामदेव बुध का दिने रायपुर में कहले कि उनका लगे विदेश में आपन करिया कमाई के धन राखे वालन के सूची बा आ ऊ पूरा सुबूत का साथे जल्दिये एकरा के जगजाहिर कर दीहें. कहलन कि ऊ चाहत बाड़न कि देश के धन देश में वापिस आवे. राजनीति में उतरे का सवाल में बाबा रामदेव कहले कि ऊ अपने त चुनाव ना लड़ीहें बाकिर अपना उम्मीदवारन के चुनाव लड़ा सकेले आ हो सकेला कि एकर शुरुआत यूपी के विधानसभा चुनाव से कर दिहल जाव. उनुकर इच्छा बा कि कुछ दोसरो राजनीतिक दलन से उनकर समझौता हो जाव बाकिर ओह दलन के नाम ऊ नइखन बतवले.
0 Comments