(शुक 23 सितम्बर))
- बिहार के पंचायती राज, पिछड़ा वर्ग अउर अति पिछड़ा वर्ग कल्याण विभाग मंत्री हरि प्रसाद साह के लकवा मार दिहलसि जवना का बाद उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
- पश्चिमी चम्पारण जिला के लौकरिया थाना इलाका से शुक का दिने विनोद टाइगर नामके एगो अपराधी के लाश मिलल बा. बगल में मोटरोसाइकिल पड़ल मिलल.
- सुप्रीम कोर्ट बिहार के छह विश्वविद्यालयन के कुलपतियन के सगरी अधिकार बहाल कर दिहलसि. पहिले बिहार सरकार ओह लोग अधिकार सीमित कर दिहले रहुवे.
- सिक्किम के भूकंप पीड़ितन खातिर बिहार सरकार पाँच करोड़ रुपिया देबे के एलान कहलसि. कहलसि कि एह बिपति में बिहार सरकार ओह लोग के हर संभव सहायता करे के तइयार बिया.
- विधानसभाध्यक्ष उदय नारायण चौधरी के कहना बा कि लोकसभा भा विधानसभा के ओकरा कार्यकाल से पहिले भंग ना कइल जाव आ अविश्वास प्रस्ताव का संगही वैकल्पिक सरकार देबे के रूपरेखा पेश कइल जाव. ई बाति ऊ जयपुर में होत पीठासीन पदाधिकारियन के बईठका में काल्हु कहलें.
- छपरा जिला के एकमा प्रखंड विकास पदाधिकारी सत्येन्द्र नारायण सिंह के नशा में धुत रहला का चलते उनुका पर कार्रवाई करे के अनुशंसा कइल गइल बा.
- कैमूर जिला के दुर्गावती थाना इलाका में आठ गो ईंट भट्ठा पर छापा मार के दू सौ लीटर गैरकानूनी देशी शराब आ दस क्विंटल महुआ जब्त कइल गइल.
- गोपालगंज जिला अस्पताल में अब दू शिफ्ट में मरीज देखल जाई.
- बेतिया के एगो अदालत एगो लड़िका जितेन्द्र के अपहरण करके हत्या कर देबे का आरोप में चार गो दोषियन के उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
- सिवान जिला के बड़हिया थाना के दबीपुर गाँव में सड़क दुर्घटना में चार साल के एगो लड़िका कचरा गइल. ओकर दौरे पर मौत हो गइल.
0 Comments