बिहार के खबर

by | Nov 10, 2011 | 0 comments

(बुध, 9 नवंबर)

  • बिहार सरकार भठियरपन का खिलाफ एक डेग अउरी बढ़ गइल आ सशक्त लोकायुक्त के गठन के फैसला कर लिहलसि.
  • आजु बुध से शुरु अपना सेवा यात्रा का पहिला दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पश्चिम चंपारण के बगहा में धनहा रतवल पर बनत पुल के निरीक्षण कइलन आ ओकरा के समय पर पूरा करा लेबे के निर्देश दिहलन. बगहा आ लौरिया चीनी मिल के निरीक्षण कइलन आ किसानन से ओह लोग के समस्या का बारे में बतियवलन.
  • विपक्षी दल नीतीश के सेवा यात्रा के लोग के ध्यान सरकार के भठियरपन से हटावे के साजिश बतवलन
  • हरिद्वार के गायत्री महायज्ञ में काल्हु मचल भगदड़ में मरे वालन के गिनिती बीस के पार हो गइल बा. एहमें बिहार के नौ आदमी शामिल बाड़े. पचरुखी सिवान के ब्रज कुमारी एही मरे वालन में शुमार बाड़ी.
  • सोनपुर के हरिहर क्षेत्र में लागे वाला सोनपुर मेला के आजु बुध का दिने विधिवत उद्घाटन रमई राम कइलन. कहलन कि ई मेला बिहार के एतिहासिक धरोहर बा आ एकरा के विकसित करे के हर संभव काम सरकार करी.
  • पटना आकाशवाणी से प्रसारित होखे वाला चौपाल कार्यक्रम में पहिले मगही कम्पीयर रहल पार्वती सिन्हा उर्फ गीता बहन के मंगल का दिने पटना में निधन हो गइल. ऊ साल पचहत्तर से दू हजार चार ले आकाशवाणी के आपन सेवा दिहले रही.
  • रोहतास जिला आजु बुध के आपन स्थापना दिवस समारोह पूर्वक मनवलसि.
  • सिवान जिला के झोपड़पुरा गाँव में आग से झउँसल एगो औरत के मौत आजु इलाज का दौरान हो गइल.
  • भागलपुर जिला के कोतवाली इलाका का एगो होटल से सीआरपीएफ जवान दीपक वर्मा के लाश मिलल. बतावल जात बा कि अपना मेहरारू के खुदकुशी करे के खबर सुन के दीपको आपन जान दे दिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up