भोजपुरी सिनेमा के पचाससाला जश्न के पहिलका दिन

by | Feb 15, 2011 | 0 comments

काल्हु पटना में भोजपुरी सिनेमा के पचास साल पूरा होखला का मौका पर तीन दिवसीय कार्यक्रम का पहिलका दिने भोजपुरी के पहिलका फिल्म “गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो” देखावल गइल जवना के देख के दर्शक पुरनका जमाना में हेरा गइलें. बाद में भोजपुरी सिनेमा के इतिहास पर आयोजित सेमिनार में पत्रकार अजय ब्रह्मात्मज, भोजपुरी फिल्म अभिनेता कुणाल सिंह़ फिल्म समीक्षक आलोक रंजन, भारतीय प्रशासनिक सेवा के वरिष्ठ अधिकारी त्रिपुरारी शरण़, कथाकार ऋषिकेश सुलभ, फिल्म समीक्षक शंकर प्रसाद़, लालबहादुर ओझा, आ अविनाश दास संबोधित कइलें आ भोजपुरी के विशालता के वर्णन कइल गइल. कहल गइल कि समुद्र मंथन का तरह एही से जहरो निकलत बा आ अमृतो निकली. धीरज धइला के काम बा.

श्रीकृष्ण मेमोरियल हाल में लोक संगीत के धारो बहल जब पद्म विभूषण पंडित छन्नू लाल मिश्र आ पद्मश्री शारदा सिन्हा अपना शानदार संगीत प्रस्तुति से श्रोता लोग के मन जीत लिहले. सांस्कृतिक कार्यक्रम के उद्घाटन बांका के सांसद पुतुल देवी कइली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up