यूपी राज्य सड़क परिवहन निगम अपना सवारियन ला दुर्घटना राहत योजना लागू कइले बिया. अब निगम के बसन में सफर का दौरान भइल हादसा से मौत भइला पर ओह यात्री के परिवार के पांच लाख रूपिया के सहायता दिहल जाई. बाकि एह खाति टिकट कटावल जरुरी होखी. रोडवेज के इहो कहना बा कि एह काम ला सवारियन से हर टिकट पर एक से पांच रूपिया ले खरचो लीहल जाई.
बस के ड्राइबर आ कंडक्टरो के एह योजना के फायदा दीहल जाई.
0 Comments