शनिचर का दिने देवरिया:जिला के लार बाजार पुलिस के पहरा में खुलल. लोग दहशत में रहुवे आ पुलिस काई से हालात पर नजर रखले रहुवे. बितफे का रात लारे बाजार के नावेद के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहुवे जवना से नाराज लोग शुक का दिने सड़क जाम कइले रहुवे आ बवाल कटले रहुवे. तनाव देखत पीएसी लगा दिहल गइल जवना का बाद हालात बेकाबू ना हो पावल. अबही ले हत्यारन के गिरफ्तारी नइखे हो सकल बाकिर पुलिस ओह लोग के सर्विलांस में लागल बिया.
0 Comments