श्री कृष्ण का भक्ति में डूबल उत्तरप्रदेश आ बिहार

by | Aug 22, 2011 | 0 comments

लखनऊ, पटना, 22 अगस्त (आईएएनएस). श्रीकृष्ण जन्मोत्सव का अवसर पर पटना के रामजानकी चौराहा पर राधा-कृष्ण अउर भगवान जगन्नाथ मंदिर में जन्मोत्सव के विशेष तइयारी कइल गइल बा. रात में भजनो कीर्तन के तइयारी बा.

श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल आजु रात इस्कॉन का तरफ से श्रीकृष्ण लीलामृत के प्रस्तुति कइल जाई.

एने, पटना के मशहूर महावीर मंदिर में अतवार का दिने जन्माष्टमी मनावल गइल. रात भर भजनकीर्तन के दौर चलल.

राज्य के बक्सर, मुजफ्फरपुर, भागलपुर, पुर्णिया, औरंगाबाद आ मुंगेर समेत कई जिलन में कृष्णजन्मोत्सव के तैयारी अंतिम चरण में बावे.

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ समेत राज्य भर में मंदिरन में भक्तन के भारी भीड़ पहुंचल बा आ प्रार्थना आ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के दौर जारी बा.

राजधानी के इंदिरानगर में राधाकृष्ण मंदिर, गोमतीनगर के बांकेबिहारी मंदिर, आलमबाग में कृष्ण मंदिर आ विकास नगर के गुलाचीन मंदिर के फूल आ रोशनी से सजावल गइल बा. भगवतगीता के श्लोक पढ़ल जात बा आ भक्त कृष्ण भजन गावत बाड़े. पूरा माहौल कृष्णमय हो गइल बा.

लखनऊ समेत राज्य के कई थाना आ जेलन में जन्मोत्सव के झाँकी सजावल गइल बा.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up